भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता खातिर सांसदन से गोहार

by | Jan 24, 2012 | 2 comments

प्रोफेसर रविकांत दूबे के अध्यक्षता वाला बिहार भोजपुरी अकादमी का ओर से लोकसभा के करीब एक सौ सांसदन के चिट्ठी भेज के गोहार लगावल गइल बा कि भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर ऊ लोग संसद में आक्रामक बाकिर सशक्त आ सृजनात्मक तरीका से आवाज उठावे. जवना सांसदन के ई चिट्ठी भेजल गइल बा तवनन में बिहार के सगरी सांसद शामिल बाड़े.

एह चिट्ठी में लिखल गइल बा कि करोड़ो भोजपुरिया भारतीयन के अस्मिता आ सम्मान के भाषा भोजपुरी संवैधानिक मान्यता ना मिलला का चलते अनेके तरह के सुविधा से वंचित राखल गइल बिया. जबकि एह से कम लोग के भाषा सिंधी, कोंकड़ी, मणिपुरी, संथाली, बोडो, डोगरी आ नेपाली भाषन के ई मान्यता दिहल जा चुकल बा. एह चलते भोजपुरी रोजी रोजगार के भाषा नइखे बन पावत. बतावल गइल बा कि बिहार के भोजपुरी पट्टी दुनिया के चार गो प्रधानमंत्री, अनिरुद्ध जगरनाथ, शिवसागर रामगुलाम. नवीन चंद्र रामगुलाम, आ कमला परसाद बिसेस्सर, दिहलसि. (हालांकि एह सूची में पता ना काहे बलिया के चंद्रशेखर के नाम छोड़ दिहल गइल बा. शायद एह चलते कि ऊ बिहार के ना युपी के रहले. बाकिर भोजपुरी के मुद्दा पर राज्य के आधार पर एह तरह के अनदेखी ना होखल चाहत रहुवे. )

अकादमी के चिट्ठी में बतावल गइल बा कि दुनिया के करीब पचीस देशन में आजु भोजपुरिया लोग अपना बल बूते देश के परचम फहरावत बाड़े. भोजपुरी साहित्य के एक हजार साल पुरान परंपरा रहल बा. अबही ले नाहियो त सात हजार से बेसी किताब भोजपुरी में छप चुकल बा आ पचासन पत्र पत्रिका निकलत बा. बाकिर एह सब का बावजूद भारत में सरकार भोजपुरी के अनदेखी करत बिया. (शायद ओही तरह जइसे अकादमी भोजपुरी के सेवा में लागल अनेके वेबसाइटन के टूटपूंजिया लोगन के सोचि के अनदेखी करत रहेले आ भोजपुरी के सेवा में, प्रचार प्रसार में दुनिया भर में भोजपुरी के झंडा फहरावत एह वेबसाइटन का मुकाबिले सौ दू सौ प्रतियन वाला किताबन के बेसी अहमियत दिहल गइल बा जवना में से बेसी ओह किताब के लेखक भा कवियन के जान पहिचाने ले सीमित रहि जाले. अगर अकादमी के ई बाति झूठ लागे त ओ ओह सात हजार किताबन में से सातो सौ किताब के प्रति देखा देव ! खैर छोड़ीं एह सब के. कुछ त सकारात्मक होखत बा एह चिट्ठी का मार्फत. वइसे ई उल्लेख कइल बहुते बेजाँय ना होखी कि अगर भोजपुरी इलाका के सांसद विधायक अपना अपना सदन में भोजपुरी में बोलसु त ओह लोग के वैधानिक तरीका से रोकल ना सकी काहे कि भारत सरकार के कानून भोजपुरी के हिंदी के उपभाषा मानेले अलगा भाषा ना आ हिंदी के सरकारी भाषा के मान्यता मिल चुकल बा. भले राष्ट्रभाषा के मान्यता आजु ले भारत सरकार नइखे दिहले हिंदी के !)

अगिला महीना राज्यसभा के सांसदनो के अइसने चिट्ठी भेजल जाई.


(अकादमी के पत्र का आधार पर अँजोरिया संपादक के टिप्पणियन का साथे)

Loading

2 Comments

  1. Sunil K Patel

    AHA BA RAUWA LOGAN KE MEHANAT RANG LAI
    AA
    BHOJPURI HINDI KE NAWUPANIWESHBAD SE MUKT HOI……….,.

  2. चंदन कुमार मिश्र

    बात त ढेर बाऽ। ओइसे सात हजार से जादे किताब छापल गइल होई, एमें सन्देह नइखे। ई बात जरूरीओ बा काहे कि साहित्य के मापदंड आजो किताबे बा, वेबसाइट ना।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up