मुसीबत खातिर एम डायल करीं

by | Nov 18, 2012 | 0 comments

टाइम्स आफ इण्डिया पर एम जे अकबर के ब्लॉग में नयका लेख मनमोहन सिंह के डिनर डिप्लोमेसी पर लिखल गइल बा. अकबर साहब लिखले बाड़न कि आठ साल से बिना कुछ दिहले समर्थन के मलाई काटत मनमोहन एक बेर फेरु मुलायम से समर्थन चाहत बाड़न बिना कुछ दिहले. एह फेर में पता ना का गुफ्तगू भइल बाकि अतना त तय बा कि कवनो खास हासिल ना हो पावल मनमोहन के.

अपना प्लान बी वाला मायावती के मनमोहन सिहं के डिनर खाए के नंबर बाद में मिलल. बाकि मायावती अतना चतुर राजनेता हई जे पता ना चले दिहली कि ई बात उनका खतना खराब लागल.

आवे वाला संसद सत्र में मनमोहन का सोझा ममता के चुनौती बा. हालांकि ऊ जानत बाड़ी के पहाड़ा के खेल उनका पाला में नइखे. बाकि तबहियो यूपीए के खेल बिगाड़े में ममता आपन चाल चल चुकल बाड़ी. मुलायम आ मायावती अपना समय के इंतजार में बा लोग आ जहिया मिली तहिया पटकनिया देबे से बाजो ना आई लोग.

एह बीच एगो अउर एम एह खेल में तुतुही बजा दिहले बा. हैदराबाद के एक सांसद वाली पार्टी एमआईएम यूपीए टू से आपन समर्थन वापिस ले लिहले बिया. एगो संसद से जतना फरक पड़े वाला बा ओहू ले बेसी चिंता के बात बा कि ई एगो लहर के सूचक बा. आसाम, यूपी, बंगाल हर जगहा के मुसलमान अब ई देखत बाड़ें कि केकरा साथे गइला से उनुका बेसी फायदा होखे वाला बा. दू हाली कांग्रेस के सरकार बनववला के कवनो फायदा ओह लोग के नइखे लउकत आ एहसे अब नवही मुसलमान खास मुसलमाने पार्टियन के साथे बहे लागल बाड़न भले ऊ पार्टी जमातेइस्लामी के समर्थन लेत होखे. एम जे अकबर लिखले बाड़न कि गुजरात के नरेन्द्र मोदी सरकार का तनखाह पर मुसलमान भलही बंगाल सरकार से अधिका होखसु बाकिर एकर फायदा मोदी के ना मिली. हँ बंगाल के वाम मोर्चा सरकार के एकर भुगतान जरूर करे पड़ल. आ अब मुसलमानन के पता चलल बा कि गुजरात के हर थाना में जतना मुसलमान सिपाही बाड़ें ओतना कवनो कांग्रेसी राज के पुलिस थाना भा मुलायमो के यूपी के थाना में नइखन.

एह सब से कांग्रेस के मिले वाला सनेसा एकदमे साफ बतावत अकबर साहब लिखले बाड़न कि अगर मुसलमान कांग्रेस का पीछे खड़ा ना भइलन त ओकर लुटिया गोल होखल तय बा. अब बस इहे देखे के बा कि मुलायम आ मायावती कांग्रेस के एगो अउर बजट पेश करे के मौका देबे के तइयार बाड़न कि ना.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up