मुस्लिम तुष्टिकरण राष्ट्रहित पर भारी पड़त बा

by | May 11, 2011 | 2 comments

एगो जायज सवाल उठावल जात बा कि आखिर जिन्ना के मुंबई बंगला भारत सरकार उनका के, भा बाद में उनुका वारिसन के काहे ना लवटवलसि ? का एह चलते कि भारत के बँटवारा का बाद जिन्ना भारत के घोषित दुश्मन हो गइल रहले आ उनकर संपत्ति दुश्मन के संपत्ति मान के जब्त कर लिहल गइल. बाकिर अगर ई जबाब सही बा त दोसर सवाल उठत बा कि ओही जिन्ना के खासमखास रहल महमूदाबाद के राजा आमिर अली खान के संपत्ती उनुका बेटा मोहम्मद आमिर मोहम्मद खान उर्फ सुलेमान खान उर्फ सुलेमान मियाँ के कइसे वापिस मिल गइल ? का एह चलते कि सुलेमान के मुकदमा भारत सरकार के एगो मंत्री लड़ले जे अपने सरकार का फैसला का खिलाफ लड़ले आ मुस्लिम सांसदन का दबाव में भारत के बँटवारा करवावे में शामिल महमूदाबाद के राजा के वारिसन के इनाम दे दिहल गइल.

एही सवाल पर केन्द्रित बा हालही में प्रकाशित एगो किताब जवना के हिन्दी आ अंगरेजी में प्रकाशित कइल गइल बा. लेखक हउवें दि संडे इंडियन के हिन्दी आ भोजपुरी संस्करण के प्रबंध सपादक ओंकारेश्वर पाण्डेय आ वरिष्ठ पत्रकार मनमोहन शर्मा. हिन्दी किताब के शीर्षक बा “शत्रु संपत्ति और राष्ट्रीय हित”. प्रकाशक हउवें इंडिया पॉलिसी फाउंडेशन.

सुलेमान मियाँ का पक्ष में सुप्रीम कोर्ट के फैसला साल २००५ में आइल रहे जवना का बाद देश में शत्रु संपत्ति के लेके एगो नया विवाद शुरु हो गइल. एगो आदमी एक तिहाई आगरा शहर पर जवना में ताजोमहल शामिल बा आपन दावा सुप्रीम कोर्ट में दायर कइले बा. आ अइसने पता ना कतना दावा दाखिल भइल बा. पहिले त भारत सरकार सुप्रीम कोर्ट के एह फैसला के असंगत मनलसि आ एह फैसला पर रोक खातिर जुलाई २०१० में शत्रु संपत्ति अधिनियम संशोधन विधेयक ले आइल. एह विधेयक के मूल भावना साल १९६८ से लागू शत्रु संपत्ति अधिनियम कानून का अनुरुप रहे. बाकिर बाद में ओह अधिनियम के जब मुसलमान सांसद, सपा, राजद, लोजपा आ वामदल विरोध कइले त सरकार यूटर्न ले लिहलसि आ अब एगो नया अधिनियम पेश कइल गइल बा शीतकालीन सत्र में जवन कि पूरा तरह मुस्लिम सांसदन के माँग का मुताबिक बनावल गइल बा आ जवना से राष्ट्र विरोधी ताकत अउरी मजबूत होखीहें.

जब कवनो आदमी अपराध कर के भाग जाला त ऊ कानून का नजर में भगोड़ा होखेला आ ओकर संपत्ति जब्त कर लिहल जाला. पूरा दुनिया में एह तरह के कानून बाड़ी सँ. पाकिस्तान खुद अरबो रुपिया के अइसने संपत्ति जब्त कर के बेच दिहलसि, बांगलादेश भारत गइल आप्रवासियन के संपत्ति जब्त कर लिहलसि. बाकिर संसद के स्थायि समिति का लगे विचाराधीन पड़ल एह विधेयक पर चरचा होखल जरुरी बा. प्रस्तुत किताब में अइसने सवालन के जबाब दिहल गइल बा कि आखिर का बावे संसद में प्रस्तुत द्वितीय शत्रु संपत्ति (संशोधन एवं पुनर्पुष्टिकरण) विधेयक 2010 ? का बावे मौजूदा शत्रु संपत्ति संबंधी कानून ? का होखी बदलाव के असर ? दुनिया के दोसरा देशन में शत्रु संपत्ति संबंधी कानून में का बा ? का हो रहल बा परदा का पाछे का राजनीति में ? के फायदा में रही ? केकर नुकसान होखी ? द्वितीय शत्रु संपत्ति (संशोधन एवं पुनर्पुष्टिकरण) विधेयक 2010 के निमन बाउर जाने खातिर एह किताब के पढ़ल बहुते जरुरी बा.


पुस्तक के प्रकाशक का बारे में

इण्डिया पालिसी फाउण्डेशन,
डी ५१, हीज खास,
नयी दिल्ली ११००१६
फोन ०११ २६५२४०१८

Loading

2 Comments

  1. amritanshuom

    ओंकारेश्वर पाण्डेय जी राउर किताब “शत्रु संपत्ति और राष्ट्रीय हित”के स्वागत बा . पढ़े के लालसा जाग उठल बा .कभी मौका मिली त जरुर पढ़ब हम .
    ओ.पी. अमृतांशु

  2. AMIT

    Sare aatnkwadi muslim hi kyu hota hai

Leave a Reply to AMIT

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up