विश्व भोजपुरी सम्मेलन, बलिया के अधिवेशन आ पाती अक्षर सम्मान 19 अप्रैल के

by | Apr 10, 2015 | 1 comment

SadanandShahi
विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया ईकाई के सालाना अधिवेशन आ पाती अक्षर सम्मान समारोह बलिया के बापू भवन में 19 अप्रैल के होखे जा रहल बा. एह अधिवेशन में सगरी भोजपुरी प्रेमियन के नेवता देत समिति के अध्यक्ष विजय मिश्र आ उपाध्यक्ष डा॰ जनार्दन राय जानकारी दिहले बानी कि समिति क मुख्य अतिथि काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के भोजपुरी अनुसंधान समन्वय केन्द्र के अध्यक्ष प्रो॰ सदानन्द शाही रहीहें आ विशिष्ट अतिथियन में कुंवर सिंह विश्वविद्यालय आरा के भोजपुरी विभाग के अध्यक्ष डा॰ नीरज सिंह, बाबा साहब भीम राव अम्बेदकर बिहार विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डा॰ जयकान्त सिंह ‘जय’, हिन्दी प्रचारिणी सभा बलिया के अध्यक्ष डा॰ रघुवंशमणि पाठक आ मुजफ्फरपर से डा॰ ब्रजभूषण मिश्र रहीहें.

एह समारोह के अध्यक्षता करीहें काशी हिन्दू विश्वविद्यालय क प्रो॰ अवधेश प्रधान. कार्यक्रम सबेरे 10 बजे से शुरु होके साँझ 5 बजे ले चली. दिन में डेढ़ बजे अल्पाहार अवकाश रही. पहिलका सत्र में अधिवेशन, पाती अक्षर सम्मान आ लोक गायन के व्यस्था बा त दुसरका सत्र में ‘पाती आ भोजपुरी कथा साहित्य’ विषय पर संगोष्ठी में कन्हैया पाण्डेय, हीरालाल, शशि प्रेमदेव, शिवजी पाण्डेय ‘रसराज’ आ डा॰ राजेन्द्र भारती शामिल होखीहें.

तिसरका सत्र मे काव्य गोष्ठी खातिर खास क के कविगण दयाशंकर तिवारी, डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी, डा॰ प्रकाश उदय, डा॰ कमलेश राय, डा॰ ब्रजभूषण मिश्र, कुबेरनाथ मिश्र ‘विचित्र’, भालचन्द्र त्रिपाठी, गिरिधर करुण, मिथिलेश गहमरी, अक्षय कुमार पाण्डेय वगैरह के आमन्त्रित कइल गइल बा.

कार्यक्रम के खास आकर्षण रहे वाला बा एह मौका पर आयोजित भोजपुरी पुस्तक प्रदर्शनी, चित्र प्रदर्शनी आ लोक गायन.

आशा कइल जात बा कि भोजपुरिया बंधु एह कार्यक्रम में बड़हन संख्या में शामिल होखीहें.

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    जय भोजपुरी……जय -जय भोजपुरी…

Leave a Reply to amritanshuom

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up