ArjunMeghawal-ManoTiwari--AjitDubey
पिछला सोमार 25 जुलाई, 2016 का दिने दिल्‍ली के इंडिया इंटरनेशनल सेंटर में भोजपुरी समाज, दिल्‍ली आ राजस्‍थानी भाषा मान्‍यता समिति दुनू मिल के आयोजित केन्‍द्रीय वित्‍त राज्‍यमंत्री अर्जुन राम मेघवाल के सम्‍मान समारोह आयोजित कइलें जवना मे भोजपुरी, राजस्‍थानी अउर भोटी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करवला का मुद्दा पर जोरदार चरचा भइल.

एह मौका प केन्‍द्रीय वित्‍त राज्‍यमंत्री अर्जुन राम मेघवाल कहनी कि केन्द्र सरकार भोजपुरी, राजस्‍थानी अउर भोटी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करवला लेके बहुते गंभीर बिया आ एह दिसाईं काम लागल बा. जल्दिए रउरा सभन का सोझा एकर परिणाम आवा वाला बा. इहो कहनी कि भोजपुरी, राजस्‍थानी अउर भोटी भाषा के मारीशस, नेपाल भा भूटान जइसन दोसरो देशन में मान्‍यता मिल चुकल बा आ एह भाषावन के भारतो में संवैधानिक मान्‍यता मिलल जरूरी बा.

भोजपुरी समाज, दिल्‍ली के अध्‍यक्ष अजीत दुबे अपना संबोधन में भोजपुरी भाषा के बहुते पहलुअन आ एकरा ऐतिहासिक-सांस्‍कृतिक-साहित्यिक संदर्भन के चर्चा करत कहनी कि पिछलकी सरकार के तमाम आश्‍वासनन का बावजूद भोजपुरी के संवैधानिक मान्‍यता ना मिल पावल आ अब मौजूदा सरकार से भोजपुरी भाषियन के बहुते उम्‍मीद बा. पूर्वांचल में होखे वाला अपना कार्यक्रमन में प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी अपना संबोधन के शुरूआत भोजपुरिए में करेनी आ ई बाति उहाँ के भोजपुरी-प्रेम देखावेला. आ उहाँ के खुदहुं भोजपुरिए इलाका के सांसद हईं. एह नाते भोजपुरियन के पूरा विश्‍वास बा कि उहाँके नेतृत्‍व में बनल ई सरकार भोजपुरी को संवैधानिक मान्‍यता जरूरे दे दिही.

एह मौका प सांसद जगदंबिका पाल, ओमप्रकाश यादव आ मनोजो तिवारी विश्‍वास जतवनी जा कि भोजपुरी, राजस्‍थानी, अउर भोती भाषावन के संवैधानिक मान्‍यता का मुद्दा पर अर्जुन राम मेघवाल के अगुअई में अपेक्षित सफलता मिल के रही आ एह तरह 16वीं लोकसभा ऐतिहासिक साबित होखी.

एह आयोजन में सांसद आ भोजपुरी लोक गायक मनोज तिवारी भोजपुरी आ राजस्‍थानी लोकगीत गा के सुनवनी आ अपना बेजोड़ गायकी से सभे के दिल जीत लिहनी. सांसद रहल महाबल मिश्रा कहनी कि मौजूदा सरकार के चाहीं कि एह भाषावन के संवैधानिक मान्‍यता जल्दी से जल्दी दिआ देव.

राजस्‍थानी भाषा मान्‍यता समिति के अध्‍यक्ष के. सी. मल्‍लू कहनी कि एह तीनों भाषावन के संवैधानिक मान्‍यता ला एके मंच पर जुट के प्रयास कइला के जरुरत बा. एह सामूहिक प्रयास से ई मुद्दा अफरी बरियार होखी आ सफलता मिले के उम्मीदो पूरा हा जाई.

कार्यक्रम के संचालन प्रो. संजीव तिवारी कइनी आ एह दौरान भोजपुरी समाज दिल्‍ली के वरिष्‍ठ उपाध्‍यक्ष शिवाकान्‍त मिश्रा, उपाध्‍यक्ष अरविन्‍द दुबे, प्रदीप पाण्‍डेय, संयोजक विनयमणि त्रिपाठी, मंत्री सुभाष सिंह, कार्यालय मंत्री अरविन्‍द गुप्‍ता, देवकान्‍त पाण्‍डेय वदैरह समेत राजस्‍थानी भाषा मान्‍यता समिति के अनेके पदाधिकारी, वरिष्‍ठ पत्रकार, लेखक, वकील, अध्‍यापक, समाजसेवी आ दोसरो बुद्धिजीवी लोग मौजूद रहल.

Loading

By Editor

%d bloggers like this: