आजु आठ साल पूरा हो गइल भोजपुरी के सेवा में लागल अँजोरिया के. एह सफर में भोजपुरी प्रेमियन के जवन नेह छोह एकरा मिलल ओह चलते आजु ई दुनिया भर के भोजपुरियन के सबले प्रिय साइट हो गइल बिया. मानत बानी कि अँजोरिया पर आवे वाला लोग के गिनिती का लिहाज से एकर स्थान तिसरका बा बाकिर एकरा खातिर हमरा कवनो अफसोस भा पछतावा नइखे. ना अब हम एह दउड़ में शामिल बानी. काहे कि जान गइल बानी कि हमार बेंवत नइखे एकरा के पहिला जगह पर पहुँचावे के.
बाकिर संतोष एकर बा कि एह पर आवे वाला पाठक पाठिका भोजपुरी प्रेम से एहिजा कवनो दोसरा भोजपुरी वेबसाइट, नेटवर्क, पोर्टल, ग्रुप, ब्लॉग का तुलना में सबले बेसी देर ले रुकेले, सबले बेसी पन्ना पलटेले. कुल पेजव्यू आ हर पाठक पेजव्यू का मामिला में अँजोरिया के कवनो मुकाबिला नइखे.आ हमरा के तोस देबे खातिर अतने काफी बा.
एह मौका पर भोजपुरी के सेवा में लागल दोसरा वेबसाइटनो के अँजोरिया आभारी बिया कि ओह लोग का चलते कबो अकेलापन ना महसूस भइल.हमेशा लागल कि एगो बड़हन जमात एह काम में लागल बा आ अँजोरिया अकेले नइखे. ना त भोजपुरी के सेवा सम्हार कवनो अकेला वेबसाइट का बस के बाहर के बाति बा. हर केहू अपना नजरिया से, अपना तरीका से भोजपुरी के सेवा में लागल बा आ एह चलते भोजपुरी के कवनो पक्ष अनदेखल नइखे रहि जात, निमन बाउर जवन कुछ बा सगरी सामने आवत बा.
आजु अँजोरिया के नउवाँ जनमदिन भा आठवाँ वर्षगाँठ पर हम फेर आपन संकल्प दोहरावत बानी कि जबले आ जतना बस में रही, भोजपुरी के ओतना सेवा करे में कबो पाछा ना हटब. आखिर रउरा सभे अतना नेह छोह का साथे लागल बानी त एह से हमार उत्साह बढ़ही के नू बा !
बस आशीर्वाद देत रहीं सभे.
राउर,
ओम
संपादक प्रकाशक, अँजोरिया
1,479 total views, 10 views today
संपादक जी नमस्कार,
बहुत खुशी के बात बा की अंजोरिया आपन अंजोर चहूंओर फइला रहल बा। हमार ढ़ेर बधाई स्वीकार करीं।
राउर
आशुतोष कुमार सिंह
संपादक जी नमस्कार,
यह जानकर अति हर्ष हुआ कि अंजोरिया डोट कॉम अपने ९ साल सफलता पूर्वक
पूरे कर चूका है| आज संपूर्ण भारत में भोजपुरी को जो इतना सम्मान और बढ़ावा
मिला है उसके लिए अंजोरिया डोट कॉम का योगदान अतुलनीय है| मैं ईश्वर से
कामना करता हूँ कि अंजोरिया डोट कॉम इसी तरह अपना प्रकाश सभी लोगों के
हृदय में संजोता रहे तथा यह दिन दूना रात चौगुना इसी तरह फैलता रहे|
धन्यवाद् !
आपका अपना
नीरज कुमार (अध्यापक)
४१,तिगिपुर, दिल्ली-110036
बहुत बधाई.
अइसै अजोर हरदम बनल रहै. और् कि अंजोरिया क रूप हरदम छाती पर चढल रहै. ठीक वैसे जैसे:
उगल अंजोरिया क चांद
त अंगना टूटे लागल
रूपवा क एतना जोर
कि अयना फूटे लागल
बहुत बधाई !
जानिके नीक लागल कि आजु आठ साल पूरा हो गइल अँजोरिया के. देखते-देखते फेरु साल बीत गइल !…….. भगवान से प्रार्थना बा कि उहाँके अँजोरिया के भरपूर आशीर्वाद दीं.
अब भोजपुरी के वेबसाइट आ ब्लाग अङुरी प गिने लाएक नइखे रहि गइल. भोजपुरी के भविष्य खातिर ई शुभ संकेत बा. ई सभ रउँवा सभके प्रेरणा के असर हऽ. बधाई ! !