एह समुंदर में बड़का बड़का मगरमच्छ बइठल बाड़न

by | Jun 16, 2010 | 4 comments

हम बार बार बता चुकल बानी कि महुआ टीवी भा कवनो फिल्म कंपनी से अँजोरिया के कवनो व्यावसायिक संपर्क नइखे. अँजोरिया के मकसद भोजपुरी फिल्म आ टीवी के नया नया हालचाल अपना पाठकन तक चहुँपा दिहल तक सीमित बा. तबो कुछ पाठक बड़ा रिगिर आ निहोरा पर उतर जालें कि हम गाना गावल चाहत बानी, हम एक्टिंग करत चाहत बानी वगैरह वगैरह. जबकि अँजोरिया ओह लोग के एह दिशाईँ कवनो मदद ना कर सके.

हँ अगर रउरा लगे कवनो गाना के रिकार्डिंग बा भा कवनो नाटक सिनेमा थियेटर में काम करे के अनुभव बा त अपना बारे में विस्तार से लिख भेजीं, आपन फोटो वगैरहो भेज सकीलें. अगर प्रकाशन योग्य होखी त अँजोरिया पर प्रकाशित कर दिहल जाई. एक बेर हम अइसनका सगरी पाठकन के चेताइयो दिहल चाहत बानी कि एह समुंदर में बड़का बड़का मगरमच्छ बइठल बाड़न जवन मौका पावते रउरा के सोझहगे निगल जइहें आ डकारो ना लीहें. अगर कवनो आदमी भा संस्था रउरा के कहत बा कि ऊ रउरा के मौका दिहल चाहत बा बाकिर कुछ खरचा पानी देबे के पड़ी त ओह आदमी भा संस्था से जतना जल्दी जतना दूर भागल हो सके भाग जाईं. बाद में रोवल छोड़ के कुछ ना भैंटाई.

हँ महुआ टीवी के आडिशन खुलेआम सूचना दे के कइल जाला. ओहमें समय पर आवेदन दे के शामिल होखे के कोशिश करत रहीं. एह बेर ना त ओह बेर, अगर रउरा लगे काबिलियत बा त रउरा मौका मिलिये जाई. हँ अगर ओहू में केहू शामिल करावे के जोगाड़ बइठावे के दावा करे त ओकरो से सावधान. बंसी पर चारा एही खातिर लपेटल जाले कि कवनो मछरी फँस जाव!

राउर,
अँजोरिया सम्पादक

Loading

4 Comments

  1. OP_Singh

    प्रिय मुकेश जी,
    जान के बहुत खुशी भइल कि रउरा भोजपुरीखोज.कॉम शुरु कइले बानी. हमरा से का मदद चाहीं बताईं. जवन हो सकी जरुर करब. बढ़िया रही कि रउरा पर ईमेल भेजीं. सब बात के चरचा एह खुला मंच पर उचित ना रही.

    राउर,
    संपादक
    अँजोरिया

  2. Satya Prakash Tiwari

    Aadarniya Sampadak mahoday,
    Aapka ee Anjoriya padh ke bada neek lagal. Aapka ee prayas nishchit rup se bhojpuri bhasaha ke vikas evam ekara ke sabke bich me lokpriya banawe me ek bada kadam saabit hokhi..Asha hava ki aapka ee kadam aage hee aage badhat jayee aur ek din bhojpuri bhasha bharat ke samvidhan ke aathavi anusuchi me jagah payee aur e bhasha ke okar uchit sthan mili..Ek baar phir se aapke kotishah dhanyawad…

  3. Mukesh Yadav

    Nice,likht rahi.
    Ham ego website bhojpurikhoj.com banaval chahtani hamar madad kari.

  4. kundan

    raua bilkul thik kahni ha..eh bat se hum bilkul sahmat bani …
    ehe bat sab pathak log ke samjhe ke chahi ki eh website hamni ke pehchan ha ..aur hamni khatir ego jariya ba jeh se e pata chalata ki bhojpuri industry me ka chal rhal bate…
    regard
    kundan

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up