अँजोरिया हमेशा से भोजपुरी खातिर समर्पित रहल बिया आ अबहियो बिया. अनुभव से बतावल जा सकेला कि भोजपुरी में नेटवर्क त कई गो बाड़ी सँ बाकिर हर जगहा प्रतिबन्ध आ एडमिन के दखल से सदस्यन के कुछ दिक्कत बुझाला आ कई बेर लोग नेटवर्क से अलग हो जाला. ओह कमी के दूर करे खातिर अँजोरिया एगो नया मंच दे रहल बिया जहाँ रउरा बिना कवनो लाग लपेट के आपन बाति कह सकीलें.
बाकिर आजादी के मतलब उच्छृंखलता ना होला. आजादी तबही ले निर्बाध रह सकेले जब तक हमनी का आत्मसंयम से काम लीं. राउर आजादी दोसरा के गुलाम बनावे खातिर ना हो सके. केहू के आलोचना कइल आ ओकर छीछालेदर कइला में फरक होला. सार्वजनिक मंच पर व्यक्तिगत झगड़ा ना फरियावल जाव. ओकरा के अपना घरे सलटाईं, एहिजा ना.
दोसर सीमा जगह के बा. बाकी नेटवर्क पर जगह आ वेबलेंथ के सीमा नइखे. एहिजा मजबूरी बा. एहसे एक दिन में एक लेख से बेसी मत लिखीं. कवनो लेख में एगो से बेसी फोटो मत लगाईं. अपना वेबसाइट के लिंक दे सकीलें बाकिर दोसरा के वेबसाइट के ना. आपन प्रचार करीं, पूरा छूट बा, दोसरा के गरियाईं मत.
अतना संयम राख सकीं त अँजोरदुनिया पर रउरा पूरा आजादी बा आपन राय प्रकट करे के.
राउर,
संपादक, अँजोरिया
आप सब भोजपुरीया भ इया भोजपुरी भाषा अउर भोजपुरी माटी के कबहु जनि भुलाइब
RANA RANJEET BASU-BHOJPURI UTTHAN MANCH8896125767
Sampadak ji, bahute niman ba raur prayas. Jai ho anjoria.
sampadakji
bada nik prayas.
santosh patel