अइसनका राष्ट्रपति पा के शर्मिन्दा बानी

भारत के मौजूदा राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल का नामे जवने बात रहल होखे राष्ट्रपति बने से पहिले के बाकिर अपना राष्ट्रपति रहत में ऊ जवन कर दिहली ओहसे हम त शर्मिंदा बानी बाकी लोग का बारे में नइखीं जानत.

राष्ट्रपति महोदया साबित कर देखवले बानी कि या त उहाँ का रबर के मोहर हईं भा उहां के लगे कवनो अंतरात्मा नइखे. देश के सगरी कानूनन से उपर हईं उहाँ के. कतनो जघन्य अपराध कइले होखे, कतनो कुकर्म कइले होखे सबका के माफ कर देबे वाली हईं उहाँ के. अगर दोसरा कवनो रिलीजन के रहतीं त हो सकत रहे कि एह दयालु सुभाव खातिर उहाँ के सेंट बना दिहल जाइत.

आईं राष्ट्रपति महोदया के कुछ फैसलन पर नजर डालल जाव.

सतीश नाम के एगो अपराधी छह साल के लड़िकी से बलात्कार कइलसि आ फेर ओकर हत्या कर दिहलसि. हमनी के दयालु राष्ट्रपति महोदया ओकर सजा कम कर दिहनी.

मोलाई राम अउर संतोष यादव अपना जेलर के दस साल के बेटी से जेले परिसर में गैंगरेप कइलन आ फेर ओकर हत्या कर दिहलन. राष्ट्रपति महोदया के दुनु पर दया आ गइल आ ओकनी के सजा कम कर दिहनी.

धर्मेद्र सिंह आ नरेंद्र यादव पहिले त एगो लड़िकी से बलात्कार कइलें आ फेर ओकरा पुरा परिवार के मार दिहलें. एहमें तीन गो छोटहन बच्चो शामिल रहलें. राष्ट्रपति महोदया के ओकनियो पर दया आ गइल आ ओकनी के सजा कम कर दिहनी.

अइसनके अइसन तीस गो मुजरिमन पर उहाँ के दया देखवले बानी आ सभके माफ कर दिहनी. पता ना एह माफी का पाछा का बा. संसद पर हमला करे वाला दोषी अफजाल गुरु के माफ करे के भूमिका त ना रहे ई सब? के जानऽता? हो सकेला कि जात जात ओकरो के माफ कर जासु हमनी के दयालु राष्ट्रपति.
– संपादक, अँजोरिया


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up