केकरा फुरसत बा भोजपुरी में भोजपुरी ला काम करे के?

by | Nov 28, 2012 | 3 comments

बहुत पहिले एगो चुटकुला पढ़ले रहीं. गाँधी जी मर गए, नेहरू जी मर गए, मेरी भी तबियत खराब चल रही है. पता नहीं इस देश का क्या होगा? आजु काल्हु कुछ अइसने भाव मन में आवत रहत बा. आजु जब ई लिखत बानी त कार्तिक पूर्णिमा के नहान खातिर लोग के हुजूम गंगा का तरफ बढ़ल जात बा. ठवें ठाँव शिविर लगा के सहायता के अनाउंस होखत बा. कवनो शिविर से भोजपुरी में बात नइखे कहल जात. सभे हिंदी में अनाउंस कइले जात बा. आ ई बलिया हऽ जहाँ हर केहू भोजपुरी समुझेला, बोल बतिया सकेला. एहिजा हिंदी मे बोले बतियावे के कवनो खास दरकार ना होखे के चाहीं. बाकि तबहियो लोग हिंदी कूंचत बा. भोजपुरी के नाम पर काम करे वाला लोगो आपन सगरी कार्यक्रम, भाषण, बयानबाजी, लेख, विज्ञप्ति सब कुछ हिंदिए में देत लिखत बोलत बा. सभे चाहत बा कि भोजपुरी के संविधान के अठवीं सूची में शामिल कर लिहल जाव.

धरातल पर देखला का बाद त इहे लागत बा कि ओहू लोग के भोजपुरी से कवनो मतलब नइखे. बस भोजपुरी का नाम पर आपन नाँव, धंधा चमकावे के, भोजपुरी का नाम पर सेवा करे का बहाने मेवा खाए के भूख बा. ना त आरा, छपरा, बलिया में भोजपुरी के ई दुर्गत ना होखे के चाहत रहुवे. बा कवनो कोशिश कवनो आंदोलन एह ला कि आईं भोजपुरी जियल जाव, भोजपुरी में बोलल बतियावल जाव, भोजपुरी में लिखल पढ़ल जाव, नेवता वाला कार्ड भोजपुरी में छापल छपावल जाव ? ना.

सोचीं त एक बात साफ हो जाई कि भोजपुरी बोले, लिखे पढ़े के काम गँवारन जाहिलन के मान लिहल गइल बा. पढ़ल लिखल श्लील लोग एह “अश्लील” भाषा के सुधारे श्लील बनावे का कोशिश में लागल बा आ उहो हिंदी में काम करत बा. साँच कहीं त भोजपुरी के सबले बड़का दुश्मन हमरा नजर में हिंदी बिया. सरकारो हिंदी साहित्यकारन से जानल चाहत बिया कि भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता मिलला के असर हिंदी पर का पड़ी? तब के गृह मंत्री संसद में त बयान दे दिहलें कि भोजपुरी के जल्दिए मान्यता दे दिहल जाई बाकिर जवन पत्रक हिंदी साहित्यकारन लगे भेजल जाए के बात कहल जात बा वइसनका कवनो पत्रक भोजपुरी के कवनो साहित्यकार का लगे, कवनो प्रकाशन का लगे नइखे भेजल गइल. बाकिर एकर दोष हम सरकार के ना देब. असल दोष हमनी के बा जे भोजपुरी के सकरले बिना ओकरा के सम्मानित करे के नौटंकी में लागल बा. हँ हम त नौटंकिए कहब ओह सगरी प्रयास के जवन भोजपुरी में ना हो के भोजपुरी का नाँव पर कइल जात बा.

अब आईं भोजपुरी के प्रकाशन पर. कवन कवन नियमित प्रकाशन बा भोजपुरी में? बलिया से छपे वाली “पाती” आ कोलकाता से छपे वाली “भोजपुरी माटी” के अलावा कवनो दोसर नाम हमरा नइखे मालूम. रउरा पूछ सकीले कि हम हई के जेकरा लगे सगरी जानकारी होखल जरूरी होखो? बात सही बा. बाकिर आपन बड़ाई खुद करे के पाप करतो अतना त कहबे करब कि रोज कुछ ना कुछ भोजपुरी में प्रकाशित करे वाला गिनती के लोगन में से एगो हमहूं हईं. दुनिया भर में नेट का माध्यम से भोजपुरी में अतना काम केहू नइखे करत जबकी ढेरे लोग बा जिनका लगे हमरा से बेहतर संसाधन, ज्ञान, आ समूह बा. ओह लोग के एह पर अउरी जोर शोर से काम करे के चाहीं. हम त लँगड़ी गईया के अलगे बथान वाला अंदाज में काम करीले. ना तीन में हईं ना तेरह में. बाकिर ओह लोग के का कहीं जे ई काम बेहतर कर सकेला बाकि करत नइखे?

आजु जब सगरी दुनिया तेजी से इंटरनेट मोबाइल का सहारे आपन बात कहे में लागल बिया भोजपुरी साहित्यकार एह काम में बहुते पीछे बाड़े. हम ओह लोग के बहुत दोस ना दे सकीं काहे कि ऊ पुरनका जमाना के लोग ह, जे कागज पर कलम से लिखल जनले बा की बोर्ड पर खटपट करत आपन बात लिखला के आदत नइखे पड़ल. बाकिर जब आजु हिंदी में हजारन ब्लॉग बाड़ी स, भोजपुरी ब्लॉग खोजलो नइखे भेंटात. भोजपुरी के जाहिलन के भाषा बना के राख दिहले बा लोग. गाँव जवार, खेत खरिहान, आटा पिसान से बहरी नइखे निकलत लोग. अगर भाषा के जियवले राखे क बा त भोजपुरी में हर तरह के लेख, हर तरह के प्रकाशन के जरूरत बा. जिनिगी के हर अंग पर भोजपुरी में लेखन सामने आवे क चाहीं. बढ़िया किताबन के भोजपुरी अनुवाद आवे क चाहीं. बुतड़ुवन ना वर्ण परिचय के किताब सामने आवे क चाहीं. भोजपुरी में प्री स्कूल नर्सरी खुले के चाहीं.

बाकिर ई सब करी के? केकरा फुरसत बा भोजपुरी में भोजपुरी ला काम करे के? सभे लागल बा भोजपुरी का नाँव पर आपन हित साधे में. साधी सभें. ऊ दिन दूर नइखे जब ना रही बाँस ना रही बाँसुरी. भोजपुरी के श्लील बनावल एहू ला जरूरी बा कि जवन गँवार, ड्राइवर, खलासी, मजदूर, रिक्शावाला आजु भोजपुरी गीत गवनई में आपन मन बहलावत बाड़ें ओकनियो से भोजपुरी के दूर कर दिहल जाव. जे श्लील बा से भोजपुरी पढ़ी लिखी बोली ना आ जे अश्लील बा ओकरा से भोजपुरी के नैसर्गिक रूप छीन लिहल जाव. तब पता ना के रह जाई भोजपुरी के नाँव लेवा? तब सभे भोजपुरी के बात हिंदी भा अंगरेजी में कइल करी. आईं ओह दिन के इंतजार कइल जाव.

Loading

3 Comments

  1. princerituraj dubey

    संपादकजी, सादर नमस्कार,
    ek dam rauaa sach batia kahni ha.
    ea baat hum pahile se comments kart aail bani.
    hamni ke bhojpuria samaj padhal likhal ke matlab hindi ya english samjhe la .yekara bhojpuri se matlab hi naikhe rahal

  2. amritanshuom

    संपादकजी नमस्कार।
    बहुत नीमन राउर बात आ विचार बा .सब लोग आपन-आपन बैनर के निचे भोजपुरी के नाम के रोटी सेकत बा .बाकिर तन -मन -धन से केहू नइखे चाहत . सच्चाई त इहे बा .सब लोग हिंदी आ अंग्रेजी के लिक पे चलत बा . भोजपुरी के अपनावे वाला लोग पिछडल कहला इहे सभे के सोच बाटे. भोजपुरी का अलख जगावे खातिर अन्ना जइसन निस्वार्थ आदमी के पैदा लेवे के पड़ी . ना त भोजपुरी के पांव अइसहीं हवा में लटकल रही .आपन बात रखे खातिर माफ़ी चाहत बानी.
    धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

  3. प्रभाकर पाण्डेय

    संपादकजी, सादर नमस्कार।

    रउरी ए विचारात्मक लेख पर बस एतने कहबि कि हमरी मन के बात रउआँ अपनी मन से कहि देहनी। आजु भोजपुरी की दसा अउर दिसा पर जवन काम-धाम हो रहल बा…उ भोजपुरी खातिर ना…अपना खातिर हो रहल बा…भोजपुरी के बात भोजपुरी में कहे वाला गिना-चुना लोग बा। हँ…कुछ लोग एइसन बा जे भोजपुरी के विकास चाहता पर एइसन लोग बहुते कम बा….बहुत कुछ कहे के बा..पर अक्लमंद खातिर इसारा काफी होला…अउर रउआँ सब कहिए देले बानी…

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up