जरुरत बा रउरा सहयोग के

by | Jul 3, 2010 | 3 comments

इन्टरनेट पर भोजपुरी डिक्शनरी के एगो आनलाइन साइट के कमी बहुत दिन से महसूस होत रहल ह. सोचत विचारत आखिरकार एगो साइट शुरु कर दिहल गइल बा. बाकिर ई काम अतना बड़हन बा कि अकेले ना सँपरी.

एहसे अँजोरिया के पाठक लोग से निहोरा बा कि जेकरा से जतने हो सके ओतना शब्द के अर्थ आ ओकर उपयोग वाला वाक्य का साथे भोजपुरीडिक्शनरी.काम पर पोस्ट करीं. जवना पाठक के कम से कम सौ गो शब्द ओहमें शामिल होखी ओकर नाम डिक्शनरी के संकलनकर्ता में खास कर के जोड़ दिहल जाई.

सबसे बेसी शब्द संकलित करावे वाला के अढ़ाई हजार रुपिया (Rs.25००/-) नगद पुरस्कारो दिहल जाई. आखिरी तारीख रही १ली अक्टूबर २०१०.

आशा बा कि अँजोरिया के पाठक एह काम में जी जान से लाग जइहें आ देखते देखत एगो मजगर डिक्शनरी तइयार हो जाई. दुनिया भर के पाठकन लायक बनावे खातिर हर शब्द के अंगरेजी में अर्थ आ हर वाक्य के अंगरेजी अनुवाद साथे जोड़ल जरुरी बा.

राउर,
अँजोरिया संपादक

Loading

3 Comments

  1. omprakash amritanshu

    E T Bahut Mahan Kam Ba.Hamaro Sahyog Rahi.
    omprakash amritanshu
    Ara

  2. डा. सुभाष राय

    भाई ओम प्रकाश, बहुत नेक काम शुरू कइला ह भाई. आपन विरासत अऊर संस्कृति एहि सबदन में बा. इहे भोजपुरिअन क सबद बनी, इहे उनक साखी बनी. बहुते बधाई.

Leave a Reply to omprakash amritanshu

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up