बाजपेयी जी के जन्म दिन पर

by | Dec 25, 2010 | 0 comments

आजु का गलीज राजनीतिक माहौल में अटल बिहारी बाजपेयी के याद बहुते आ रहल बा. बाजपेयी जी अपना बीमारी का वजह से राजनीति से सन्यास ले चुकल बाड़न आ लोग उनुका के जियते जिनिगी में भुला दिहले बा. राजनीतिक अस्थिरता का दौर में बाजपेयी जी पहिलका गैर कांग्रेसी प्रधानमंत्री रहलन जे पूरा पाँच साल सरकार चलवलें. हालांकि उनुका पहिलका प्रधानमंत्रित्व का दौरान कांग्रेस के अनैतिक आचरण का चलते उनकर सरकार एक वोट से गिर गइल रहे. तब उड़ीसा के कांग्रेसी मुख्यमंत्री अपना सांसद मत के इस्तेमाल बाजपेयी सरकार के गिरावे खातिर कइले रहले. बाजपेयी जी तीन बेर प्रधानमंत्री बनल रहलें. पहिला बेर उनकर सरकार तेरह तीन चलल त दोसरका बेर तेरह महीना. तीसरका बेर ऊ तेरहवाँ लोकसभा में प्रधानंमत्री बनलन त लोग कहत रहे कि अब तेरह साल ले रहीहें.

राजनीति में शुचिता आ सभके साथ ले के चले वाला अटल बिहारी के विरोधियने के कवनो मुद्दा ना मिलत रहे त लोग कहत रहे कि एगो बढ़िया आदमी गलत पार्टी में बा. राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ से राजनीति में आइल बाजपेयी हमेशा स्वंयसेवक रहलन बाकिर संघ के कट्टरता से अलगा रहत रहलें. जवना चलते गोविन्दाचार्य एक बेर उनका के मुखौटा नाम दे दिहले रहलें. उहे एगो बयान गोविन्दाचार्य के सन्यास दिलवा दिहलसि.

आजु अटल बिहारी बाजेपयी अस्वस्थ आ बीमार भलही होखसु उनका के शुभकामना दिहल हम आपन कर्तव्य समुझत बान. काश देश में आजुओ कवनो नेता रहीत जे उनकर कमी पूरा कर सके. उनुकर कवि वाला व्यक्तित्व मन के छुवे वाला बा. पेश बा बाजपेयी जी के लिखल एगो हिन्दी कविता

यमुना तट, टीले रेतीले, घास फूस का घर डंडे पर,
गोबर से लीपे आँगन में, तुलसी का बिरवा, घंटी स्वर.
माँ के मुँह से रामायण के दोहे चौपाई रस घोलें,
आओ मन की गाँठें खोलें.

बाबा की बैठक में बिछी चतई बाहर रखे खड़ाऊँ,
मिलने वालों के मन में असमंजस, जाऊं या ना जाऊं,
माथे तिलक, आंख पर ऐनक, पोथी खुली स्वंय से बोलें,
आओ मन की गाँठें खोलें.

सरस्वती की देख साधना, लक्ष्मी ने संबंध ना जोड़ा,
मिट्टी ने माथे के चंदन बनने का संकल्प ना तोड़ा,
नये वर्ष की अगवानी में, टुक रुक लें, कुछ ताजा हो लें,
आओ मन की गाँठें खोलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up