pub-4188398704664586

रउरा हाथ में एगो नया हथियार दिहल गइल बा

by | Apr 11, 2011 | 0 comments

अँजोरिया के पाठक लोग का हाथ में अब एगो नया हथियार दे दिहल गइल बा. टिप्पणी करे में हिचकिचाये वाला लोग एह माध्यम से आपन राय बखूबी जता सकेला. हर पोस्ट का साथे रैंकिग करे के सुविधा दिहल गइल बा. हर लेख भा पोस्ट के रउरा अपना हिसाब से आकलन करे के आदत डाल लीं. एहसे दू गो बात होखी. पहिला त जवन अधिका पाठठक लोग के ठीक लागी तवना के जानकारी सभका हो जाई. दोसरे संपादनो में सुविधा हो जाई कि लोग का चाहत बा. एह आकलन करे में सबसे खास बात इहे बा कि रउरा लगिन नइखे करे के. लेख भा पोस्ट पढ़ीं आ अपना हिसाब से स्टार दे दीं.

एक स्टार मतलब वाहियात, खराब खातिर दू स्टार, साधारण खातिर तीन स्टार, बढ़िया खातिर चार स्टार आ बहुते बढ़िया खातिर पाँच स्टार.

साथ ही रउरा कवनो टिप्पणी से आपन सहमति भा असहमति जता सकीलें बिना आपन परिचय सामने आवल दिहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586