बतकुच्चन – २१

by | Aug 3, 2011 | 0 comments

पिछला दिने जवन कुछ भइल तवन बहुत दुखद रहल. मुंबई पर एक बेर फेरु से आतंकी हमला हो गइल तब बुझाइल कि देस के जनता कतना बेअसरा हो गइल बिया. केहू नइखे जे ओकरा के असरा, आश्रय, पनाह दे सको. जे दे सकत रहे ऊ त खुदे बेअसर हो के रह गइल बा. ओकरा बात के केहू पर कतही असरे नइखे होखत. आ जब जे सब पर सर रहे के चाहीं उहे बेअसर हो जाव त जनता के त बेअसरा होखही के बा. सर अपना कार से होला. कार ना करे त सरकार कइसन ? आतंकी जबे मन करऽता हमला कर भा करवा देत बाड़े आ हमनी का ओकरा के छोड़ अपने गोतिया दयाद के काटे पर लाग जात बानी. मुजाहिदीन भा सिमी के नाम लेबे में जीभ भले लपटा जाव बाकिर संघ के नाम लेके कुकुरबझाँव करे में इचिको लाज नइखे लागे के. अब कुकुरबझाँव आ कुकुरहट में कवनो बेसी फरक त होले ना. कुकुरन के त बस भूंके के बा. पागल कुकुर बतासे भूके. हवो बतास से ओकरा लागी कि केहू आवत बा आ लागी भूके. पिछला हफ्ता के बतुस का बाद आजु देखीं बातेबात में बतास आ गइल. आ मुंबई के दुख देख के तरास लाग गइल त कवन अचरज. संस्कृत के संत्रास से त्रास लागे ला, पियास लाग जाला, आ भोजपुरी में आके ऊ तरास बन जाला. अब तन के तरास आ मन के तरास के अगर सही दिशा में लगा दिहल जाव त आदमी कुछुओ तराश सकेला. ओह तराशे का चलते भलही ओकरा के संगतराश कह दिहल जाव बाकिर संगे रहि के घात करे वाला संघतियन के तराश के आदमीओ बनावल ओतने जरूरी बा. मानत बानी कि संघतिया बहुते करीबी दोस्त के कहल जाला. जेकरा से हमेशा संग बनल रहे उहे संघतिया होला. बाकिर समय बदलल जात बा आ अब संघतिया के मतलबो बदल जाव त कवन शिकायत ? बाकिर तब हमनी के फेर से संगतराश बने के पड़ी आ एह पत्थरदिल आतंकियन के छिलछाल के फेर से आदमियत का तरफ ले आवे के पड़ी. अब आजु बतकुच्चन करत करत कुछ काम के बात निकल आइल त हमार दोस नइखे. जे ना माने ओकर दोस ! बन्दो घड़ी दिन में दू हाली सही समय बता देले त बतकुच्चने में का खराबी बा ?

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up