शनिचर के रात बिहार के भभुआ में भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन के कार्यक्रम में बेहिसाब भीड़ जुटल रहे. ओहि में साउण्डबाक्स गिर गइल जवना चलते भगदड़ मच गइल आ दू गो नौजवानन के मौत हो गइल. बाद में आयोजकन का मदद से रविकिशन सोमार का दिने मृतक सूर्यपुरा के अंगद पाण्डे के पुत्र संजय पाण्डे के परिवार वालन से फोन पर बात कइलन आ आपन सहानुभूति जतवलन आ सांत्वना देत ओह लोग के हर संभव मदद के वादा कइलन. दोसरका मृत युवक के बारे में अबही पता नइखे चलल कि के रहे.

एह दुर्घटना से आह रविकिशन कहले बाड़न कि आइन्दा ऊ आयोजकन के सुरक्षा व्यवस्था के जायजा लिहला का बादे कवनो कार्यक्रम में शिरकत करीहन. परो साल पटना के गाँधी मैदान में रविकिशन, मनोज तिवारी, आ निरहुआ के कार्यक्रम का दौरान भइल हादसा में दू गो युवक के मौत हो गइल रहे.


(स्रोत : उदय भगत )

 712 total views,  5 views today

%d bloggers like this: