पुछले आयकर अधिकारी रहते कतना लोग का खिलाफ कारवाई कइले?

VijayBhagat-ManojTiwariभोजपुरी मेगा स्टार आ लोकगायक मनोज तिवारी आम आदमी पार्टी के नेता अरविन्द केजरीवाल के ईमानदार नेता माने से साफ मना करत कहले बाड़न कि केजरीवाल ईमानदारी के ढोंग क के दिल्ली के जनता के बेवकूफ बनावत बाड़े.

दिल्ली विधान सभा के बदली विधान सभा से भारतीय जनता पार्टी के उम्मीदवार विजय भगत के चुनावी सभा में बोले जहांगीरपुरी पहुचल मनोज तिवारी विजय भगत के तारीफ़ करत कहलन कि दिल्ली के ई इकलौता उम्मीदवार हउवें जिनका के समाज सेवा खातिर दू दू बेर राष्ट्रपति पुरस्कार से नवाजल गइल बा.

दिल्ली के राजनीति पर चर्चा करत मनोज तिवारी कहलन कि पूरा दिल्ली कांग्रेस के भ्रष्ट नीति आ महंगाई से त्रस्त बावे त ओहिजे ईमानदारी के ढोंग करे वाला केजरीवाल जनता के बेवकूफ बना के कांग्रेस के मजबूत करत बाड़न. केजरीवाल के चुनौती देत कहलन कि पहिले उ एह सवाल के जबाव देस कि पंद्रह साल ले आयकर विभाग में काम करत उ कतान उद्योगपतियन भा अधिकारियन का खिलाफ कारवाई कइले आ आयकर चोरी पकड़ले.

मनोज तिवारी कहलन कि अन्ना हजारे के आंदोलन में उनका मंच पर त उहो रहले बाकिर अरविन्द केजरीवाल अपना फायदा ला आंदोलन के गुमराह करा दिहलन. इंडिया अगेन्स्ट करप्शन बनवले बाकिर चंदा वसूले ला एगो एनजीओ बना लिहले जेहसे कि आयकर चोरा सकसु.

भारतीय जनता पार्टी में शामिल होखे का बात प मनोज तिवारी कहलन कि उ अपना दिल के आवाज सुनलन आ ओह आवाज मे नरेंद्र मोदी अउर भारतीय जनता पार्टी के नाम रहे. नरेंद्र मोदी के ओजस्वी व्यक्तित्व आ गुजरात के विकासो उनका के प्रभावित कइलसि भाजपा में आवे ला.


(उदय भगत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: