उदित नारायण आ मालिनी अवस्थी के पद्म पुरस्कारन ला चुनल गइल

udit-narain

भोजपुरी गायक उदित नारायण आ लोक गायिका मालिनी अवस्थी के एह साल के पद्म पुरस्कारन ला चुनल गइल बा. उदित नारायण के पद्मभूषण आ मालिनी अवस्थी के पद्मश्री पुरस्कार दिहल जाई.

पद्म पुरस्कार के तीन गो श्रेणी होला – पद्म विभूषण, पद्म भूषण, आ पद्मश्री. पद्म विभूषण के सम्मान देश के नागरिक सम्मानन में भारत रत्न का बाद सबले बड़का सम्मान हवे. एकरा बाद होला पद्म भूषण आ ओकरा बाद पद्मश्री.

एह साल के पद्म विभूषण पुरस्कार पावेवालन में शामिल बाड़ें धीरू भाई अंबानी (मरला का बाद), रजनीकान्त, यामिनि कृष्णमुर्ति, गिरिजा देवी, रामोजी राव, श्रीश्री रविशंकर, आ डा. विश्वनाथन शान्ता.

जिनका पद्म भूषण सम्मान मिले वाला बा ऊ लोग हवे – अनुपम खेर, उदित नारायण, मूर्तिकार राम सुतार, सीएजी रहल विनोद राय, थिएटर कलाकार हेस्नम कन्हाईलाल, अमेरिका के राजदूत रहल राबर्ट डी ब्लैकविल, खिलाड़ी सायना नेहवाल आ सानिया मिर्जा, इन्दू जैन, बरजिन्दर सिंह हमदर्द, स्वामी तेजोमयानन्द, प्रो. एनएस रामानुजा टाटाचार्य आ नागेश्वर रेड्डी.

पद्मश्री सम्मान खातिर चुनाइल लोग में मालिनी अवस्थी, उज्जवल निकम, अजय देवगन, आ प्रियंका चोपड़ा.

Advertisements

Be the first to comment on "उदित नारायण आ मालिनी अवस्थी के पद्म पुरस्कारन ला चुनल गइल"

Leave a Reply

%d bloggers like this: