भारतीय मूल के कमला परसाद बिसेसर (Kamla Persad Bissessar) त्रिनिडाड टोबैगो के नयका आम चुनाव में चालीस साल से सत्ता में रहल पार्टी के हरा के देश के नयका प्रधानमंत्री बन गइली. उनकर नेतृत्व वाली पार्टी यूनाइटेड नेशनल कांग्रेस पाँच पार्टियन के गठबन्हन पीपुल्स पार्टिसिपेशन कोलिशन, बनवले रहे जवन ४१ गो में से २९ गो सीट जीत के स्पष्ट बहुमत में आ गइल आ सरकार चलावत प्रधानमंत्री पैत्रिक मैनिंग हार मान लिहलन. ई चुनाव समय से अढ़ाई साल पहिले करावल गइल रहे काहे कि सरकार का खिलाफ भ्रष्टाचार का आरोप में आइल अविश्वास प्रस्ताव क सामना करे का जगहा मैनिंग चुनावे करा लिहल तय कइलन.
५८ साल के कमला परसाद पहिले विपक्ष के नेता रहली आ चुनाव में उनकर समर्थन के आधार त्रिनिडाड टोबैगो के बहुनस्लीय समूह रहे. जबकि हारल पार्टी पीपुल्स नेशनल मूवमेंट अफ्रीकी त्रिनिडाडियन पर आधारित रहे. त्रिनिडाड टोबैगो में भारतीय मूल के लोग जवना में भोजपुरी इलाका के लोगन के बहुतायत बा बढ़िया संख्या में बाड़े. ओहिजा के राजनीति में पहिलका बेर भारतीय मूल के लोग सत्ता में आइल बा. एह चुनाव में दस लाख मतदाता रहलें जवना में से साठ फीसदी लोग चुनाव में भाग लिहल. विदेशी पर्यवेक्षकन का मौजुदगी में भइल चुनाव में कवनो गड़बड़ी के खबर नइखे.
४ अप्रैल १९५२ के ट्रिनिडाड के सिपरिया में जनमल कमला प्रसाद बिसेसर देश के अटार्नी जनरल, कार्यकारी प्रधानमंत्री, नेता विपक्ष रह चुकल बाड़ी. उनकर शादी डा॰ग्रेगोरी बिसेसर से भइल बा आ एगो बेटा बा. ऊ हिन्दू हई.
0 Comments