अँजोरिया के पाठक समुदाय खातिर टटका खबर कवनो नयका खबर नइखे आ एह चलते बहुते पाठक ओने जइबो ना करसु. अगर रउरो ओही लोगन में से बानी त एक बेर देख जरूर लीं कि टटका खबर में कतना टटका बा. शायदे कवनो भोजपुरी साइट अतना खबर एक पन्ना पर देत होई. एहीसे टटका खबर के नया स्लोगन बा कवनो खबर छूटे ना.

मानत बानी कि अबही बिहार यूपी भा भोजपुरी इलाकन के खबर ओतना नइखे आ पावत बाकिर कुछ सहायता रउरो त करीं. अपना गाँव जवार के खबर पठवावे के इन्तजाम त करीं. आ पढ़त रहीं टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. एके जगहा बिना बार बार क्लिक कइले.

खबर पढ़ला का बाद आपन राय दिहल मत भुलाएब.

राउर,
ओम
संपादक प्रकाशक,
अँजोरिया समूह

Loading

%d bloggers like this: