टटका खबर, अतवार, १३ जून

नरेन्द्र मोदी का साथ आपन फोटो देख नीतीश भड़क गइले

गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के बिहार आवे का मौका पर उनका स्वागत में छपवावल विज्ञापन में नीतीश आ नरेन्द्र मोदी के मशहूर फोंतो छपल देख के नीतीश कुमार भड़क गइल बाड़न. विज्ञापन एजेन्सी पर छापा डलवा दिहलन, आपन दिहल भोज रद्द कर दिहलन. अपना घरे आइल मेहमान के स्वागत के जइसन संस्कार नीतीश देखवलन ओकरा से शर्मनाक दोसर कुछ ना हो सके. गुड़ खइहें गुलगुला से परहेज करीहन. भाजपा का सहयोग से सरकार बनवले बाड़न आ भाजपे से नफरत देखावत बाड़न. ऊ फोटो कवनो कटपेस्ट काम ना ह, ऊ सबका सामने मंच पर गर्मजोशी से हाथ मिलावत नीतीश के ह जे बाद में ओकर नफा नुकसान सोच के बदल गइले.

मौका देख लालूओ टँगड़ी फँसा दिहलन दोसरा का फाटल में

लालू प्रसाद कहले बाड़न कि नीतीश आ नरेन्द्र मोदी के तस्वीर नीतीश के असली चेहरा ह. चुनाव से पहिले बिहार के मुसलामनन के डेरावल जा रहल बा नरेन्द्र मोदी के फोटो देखा के. अगर नीतीश साचहू नरेन्द्र मोदी के विरोध में बाड़न त भाजपा से आपन गठबन्धन तूड़ देस ना त अपना पार्टी के विलय भाजपा में करवा देस. चरचा इहो चल रहल बा कि नीतीश राज्य में कांग्रेस का साथ जाये के सोच रहल बाड़न.

हँसुआ का बिआह में खुरपी के गीत ना गावे त ऊ शाटगन कइसन

बिहार भाजपा के चिरदुखी आत्मा का रुप में शत्रुघ्न सिन्हा के बयान हमेशा आवत रहेला. भाजपो पता ना कवना मजबूरी में उनका खिलाफ कार्रवाई ना करे. शत्रुघ्न सिन्हा के हमेशा से लालसा रहल बा कि उनका के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार का रुप में भाजपा पेश करो. भाजपा अइसन करे ना से ऊ हमेशा मुँह फुलवले रहेले आ जब मौका मिलेला हवा छोड़त रहेले. काल्हुओ पत्रकारन का सोझा अपना अनदेखी के बात करत कहलन कि बहुत कुछ बात बा जवना के ऊ राष्ट्रीय कार्यकारिणी में उठावल चहीहें.

राजीव गाँधी के बचावे खातिर अर्जुन के बलि माँगत बाड़े कांग्रेसी

भोपाल गैस त्रासदी वाला मामिला में एंडरसन के भगावे में शामिल रहे में राजीव गाँधी के नाम सामने मत आवे एह खातिर कांग्रेसियन में होड़ मचल बा कि कवनो तरह से अर्जुन सिंह के बलि चढ़ा के राजीव के साख बचा लिहल जाव. कानून मंत्री वीरप्पा मोइली त सगरी दोष न्यायपालिका पर डाल दिहले बाड़न. मोइली का मुताबिक सुप्रीम कोर्ट का निर्देश पर भोपाल मामिला के ३०४ ए मे डालल रहे. दोसरे न्यायपालिका अतना देरी कइलस कि सब मेहनत बेकार जइसन हो गइल. कहलन कि अतना गंभीर मसला के न्यायपालिका कवनो कार दुर्घटना जइसन बना दिहलस.

भारत में बेंवत नइखे अमेरिका के मरजी का खिलाफ चलल

मामिला भोपाल गैस त्रासदी के मुख्य आरोपी एंडरसन के देश से सुरक्षित भाग जाये देव के होखे, भा देश के बड़का नेतवन के अमेरिका का हवाई अड्डा पर होखे वाला लंगाझारि के होखो, परमाणु जवाबदेही विधेयक में अमेरिकी सप्लायरन के जवाबदेही से मुक्त करे के होखे, बा ईरान का खिलाफ प्रतिबन्ध लगावे के होखे, हर मामिला में भारत के मजबूरी होला अमेरिका के हँ में हँ मिलावे के.

गाजीपुर जेल में बंदियन का बीचे झगड़ा

गाजीपुर जेल में बंदियन के दू गुट में रंगदारी मांगे का सवाल पर शनिचर का दिने झगड़ा हो गइल जवना चलते पगली घंटी बजावे के पड़ गइल आ बहुत मुश्किल से बंदियन पर काबू हो पावल. मुद्दा रहे कि पांच नंबर बैरक के एगो कुख्यात बंदी चार नंबर बैरक में बंद नवल किशोर चौबे से तीन लाख रंगदारी मँगले रहे आ ओही खातिर झगड़ा हो गइल.

प्रवासी भारतीयन के वोटिंग राइट देबे पर विचार

केन्द्रीय कैबिनेट जल्दिये ओह विधेयक के पारित करे पर विचार करी जवना में प्रवासी भारतीयन के वोटिंग राइट देबे के अधिकार दिहल जाई. मंत्रियन के एगो समूह एह पर विचार कर के ड्राफ्ट बिल के अन्तिम रुप दे दिहले बा. एह तरह के अधिकार बहुत दिन से प्रवासी भारतीय मांगत रहले हँ.

देहात में सेवा देबे वाला डाक्टरन के प्रोत्साहित कइल जाई

केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद कहले बाड़न कि उच्च शिक्षा खातिर ओह डाक्टरन के विशेष सुविधा दिहल जाई जे तीन साल लगातार देहातन में आपन सेवा दीहें. ओह लोग खातिर पीजी में पचास फीसदी सीट आरक्षित कर दिहल जाई. इहो कहले बाड़न कि एह साल से एमबीबीएस में ३७०० सीट बढ़ा दिहल गइल बा.

फेर शुरु होखे जा रहल बा कौन बनेगा करोड़पति

कौन बनेगा करोड़पति के चउथका सीजन एह साल शुरु होखे जा रहल बा आ जइसन कि चरचा बा अमिताभ बच्चन एकर एंकर रहीहें. २००१ में पहिला बेर कौन बनेगा करोड़पति आइल रहे आ बहुत लोकप्रिय साबित भइल रहे. हो सकेला कि अबकी एक कार्यक्रम के स्टार प्लस का बदले दोसरा कवनो चैनल पर शुरु कइल जाव. बाकिर सबसे महँग एंकर बने के तगमा अक्षय कुमार ले गइले जिनका के एगो रियलिटी शो के हर एपिसोड खातिर एक करोड़ अस्सी लाख दिहल जाई.

अर्जेण्टिना काल्हु का फीफा वर्ल्ड कपमैच में नाइजीरिया के हरा दिहलस

कोच डिएगो मेराडोना के टीञ अर्जेण्टिना काल्हु नाइजीरिया के एक गोल से हरा के सनसनी पैदा कर दिहलसि. आज अल्जीरिया बनाम स्लोवानिया, सर्बिया बनाम घाना, जर्मनी बनाम आस्ट्रेलिया के मैच होखे वाला बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up