टटका खबर, अतवार, २५ जुलाई

by | Jul 25, 2010 | 0 comments

संसद के मानसून सत्र में घनघोर घटा गरजी

संसद का अकास पर करिया बदरी घेरले आवत बा आ बुझात बा कि घनघोर घटा गरजी आ गरज तरज का साथे कुछ छींटो पड़ी. विपक्ष एकमत बा कि महँगाई पर स्थगन प्रस्ताव ले आई आ ओकरे जरिये बहस करावल जाई. सत्ता पक्ष भरसक ई होखे ना दीहि.

दारोगे के गोली मार दिहल गइल

बिहार का रोहतास जिला के बहुआरा गाँव में शुक का दिने एगो दारोगा कमला सिंह के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. कमला सिंह हाजीपुर में तैनात रहलें आ छुट्टी में अपना गाँवे आइल रहन जहाँ जमीन का झगड़ा में उनकर हत्या कर दिहल गइल. पुलिस तीन जने के एह मामिला में गिरफ्तार कर लिहले बिया.

गिरफ्तार त अमितो शाह हो गइलन

सीबीआई का गिरफ्त से दूर रहल गुजरात के गृहराज्यमंत्री अमित शाह आजु सामने आ गइलन आ कहलन कि ऊ निर्दोष बाड़न. सीबीआई उनका के झूठ केस बना के फँसा रहल बिया. सीबीआई के छवि अतना खराब बा कि ओकरा पर कवनो दोष सहिये लागेला. सीबीआई के अदालत अमित शाह के चौदह दिन का न्यायायिक हिरासत में भेज दिहले बिया.

जेलो कुछ लोग खातिर सुरक्षित ना होला

मुंबई का सबले सुरक्षित मानल जाये वाला आर्थर रोड जेल में बन्द अबू सलेम के दाउद इब्राहिम के गुण्डा मोहम्मद डोसा जम के पिटाई कर दिहलसि. औकरा बाद अबू सलेम के रायगढ़ जिला के तलोजा सेन्ट्रल जेल में बेज दिहल गइल बा जवना से उनका पर फेर दाउद के कवनो गुर्गा हमला मत कर देव.

पार्टी से बाहर निकालल गइल सोमनाथ करात के दोषी बतवलन

लोकसभा के पूर्व स्पीकर सोमनाथ चटर्जी अपना आत्मकथा में वामदलन के खस्ता हाल के जिम्मेदारी प्रकाश करात पर डलले बाड़न. लिखले बाड़न कि प्रकाश करात का चलते वामपंथी आन्दोलन महत्वहीन हो गइल. सोमनाथ बाबू एगो कहाउत नइखी सुनले? बीस साल का उमिर में जे कम्युनिष्ट ना भइल ओकरा लगे दिल नइखे आ जे चालीस का बादो कम्युनिष्ट बनल रह जाव ओकरा लगे दिमाग ना होला!

दिमाग त ओकरा के कहल जाला जवन दोसरा के कामे आवे

बतावल जा रहल बा कि हिन्दुस्तान के नेशनल नॉलेज नेटवर्क से जुड़ल संस्थानन के दुनिया के विज्ञान प्रकल्पन से हाई स्पीड नेट का मार्फत जोड़ दिहल जाई. एकरा बाद वैज्ञानिक आ अकादमिक संस्थान दुनिया भर के वैज्ञानिक संसाधन के फायदा उठावे में सक्षम हो जइहें.

बाकिर एकरो से तेज त हमनी के अंधविश्चास चलेला

एगो एनजीओ कहले बा कि देश में हर साल दू सौ औरतन के डायन बता के मार दिहल जाला. सबले बेसी हत्या झारखण्ड में होला. आंध्र प्रदेश दूसरा नम्बर पर बा. सबले दुख के बात त ई बा कि अइसनका घटना के मीडियो में जगहा ना मिल पावे.

जरावल खालि डायने ना जाली स पुतलो जरावे के काम खुबे होला

अपना किहाँ जेकरा से विरोध होखे ओकर पुतला जरावे के कामो खूब होला. काल्हु पटना में जदयू आ भाजपा के समर्थक विपक्ष के पुतला जरवले. ओहलोग के शिकायत बा कि कांग्रेस आ लालू मिल जुल के चोर दरवाजा से बिहार सरकार के हटावे का षडयन्त्र में लागल बा. वइसे ई कमे होला जब सत्ता पक्ष सड़क पर उतरेला आ विपक्ष के विरोध करेला. विरोध करे के काम त विपक्षे का नामे रहे के चाही. सत्ता पक्ष के लोग त हाथी चले बाजार कूकूर भूंके हजार वाला होखे के चाहीं.

जइसे कि कॉमनवेल्थ गेम के आयोजन समिति बिया

राष्ट्रमण्डल खेल शुरु होखे में अभ दुइयो महीना नइखे रहि गइल बाकिर आयोजन के व्यवस्था के पता नइखे चलत. जस जस दिन नियरात आवत बा तस तस आयोजक लोग अउरी धीरे होखल जा रहल बाड़े. कहीं ओह लोग के नर्वस ब्रेक डाउन मत हो जाव आ पूरा दुनिया में हिन्दुस्तान के मेजबानी के मजाक उड़े लागे.

खेल का दुनिया से

आईसीसी रैंकिंग में भारत के नम्बर वन पोजीशन मजाक बन के रह गइल बा. पिछला कई गो टेस्ट मेच लगातार हरला का बादो भारत नम्बर वन टीम बनल रह गइल बा जवना पर संगकारा पिछला दिने सवाल उठवले रहलन. अब दुसरका टेस्ट में हारल त नम्बर वन पोजीशन छीना जाई.

छीना त बेचारी ज्वालो के चैन गइल बा आ ओकरा पहिले संगीता बिजलानी के जे अपना शौहर अजहर का चालचलन का खिलाफ नाराज होके मुंबई चल गइल बाड़ी. कहल जा रहल बा कि अजहर ज्वाला से इश्क फरमावत बाड़े जबकि एह बाति के खण्डन अजहर आ ज्वाला दुनु जने कई बेर कर चुकल बा. बाकिर अछरंग कई बेर अइसन चिपके ला कि हटवले ना हटे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up