टटका खबर, अतवार, ३० मई

ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस दुर्घटना में मरे वालन के संख्या १४५ भइल

ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस दुर्घटना में मरे वालन के संख्या सरकारी तौर पर १४५ तक चहुँप गइल बाकिर अममता वाली रेल मंत्री एह मसला पर राजनीति करे में लागल बाड़ी. रेल दुर्घटना उनका मुताबिक कवनो माओवादी हमला से ना भइल आ कारण पता लगावे खातिर ऊ एकर जाँच सीबीआई से करवावे के माँग कर रहल बाड़ी. ममता के बेसी चिन्ता आज हो रहल स्थानीय निकायन के चुनाव खातिर बा. रेल के चिन्ता बाद में कर लीहें. ओने गठबन्हन सरकार चलावे का मजबूरी का तहत मनमोहन सिंह अइसना नालायक रेलमंत्री का खिलाफ कुछ कर नइखन सकत.

पश्चिम बंगाल के नगरपालिका चुनाव खातिर मतदान चालू बा

पश्चिम बंगाल के ८१ गो नगरपालिका के चुनाव खातिर मतदान शुरु हो चुकल बा. एह चुनाव में कांग्रेस आ तृणमूल के गठबन्हन ना बन पावल जवना चलते वामपंथियन का खिलाफ दुनु पार्टी अलगा अलगा लड़त बाड़ी सँ. एहसे वामपंथियन के फायदा होखी बाकिर उनका कुशासन से तंग जनता का फैसला लीहें ई देखे लायक बात होखी काहे कि एह परिणाम पर आगे के राजनीति निर्भर करत बा. अगर अकेल लड़के ममता के तृणमूल जीत गइल त ऊ कांग्रेस के तृणो बरोबर ना मनिहन आ अगर कहीं हार गइली त सगरी दोष कांग्रेस पर लगावत केन्द्र सरकार के अस्थिर करे में लाग जइहें. आपन गलती कबो ना मनीहें अतना त तय बा.

बस दुर्घटना में तीस जने जिन्दा जर गइलें

कर्नाटक में चित्रदुर्ग इलाका में बेंगलूर जा रहल एगो बस सड़क के बैरिकैड से टकरा के पलटि के खाई में गिर गइल. गिरते ओकरा तेल टंकी में आग लाग गइल जवना में कम से कम तीस गो सवारी जिन्दा जर गइलें जवना में दस गो बच्चा रहलें सँ. बाकी करीब तीस गो सवारियन के बचा लिहल गइल. दुर्घटना बस ड्राइवर का लापरवाही से भइल बतावल जात बा. हो सकेला कि रात में सवा दू बजे भइल एह दुर्घटना का बेरा ओकर आँख झपक गइल होखे.

अब बांगलादेशो फेसबुक पर रोक लगवलसि

पैगम्बर पर कार्टून प्रतियोगिता चलावे वाला फेसबुक के पाकिस्तान में पहिलही प्रतिबन्धित कर दिहल गइल बा, अब बंगलो देश में ओकरा पर रोक लगा दिहल गइल. फेस बुक पर ऊ प्रतियोगिता चलावे वाला सदस्य के हटावल जा चुकल बा. पाकिस्तान एह मामिला में अब तक करीब आठ सौ यूआरएल पर रोक लगा चुकल बा. दोसरा तरफ यू ट्यूब पर लगावल रोक हटा लिहल गइल बा बाकिर ओकरा कुछ वीड़ियो पर अबहियो रोक लागल रही.

बिहार में मंत्री का काफिला पर हमला

बिहार के विज्ञान प्रौद्योगिकी आ अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री शाहिद अली खान का काफिला पर काल्हु कोरलहिया का लगे गाँववाले हमला कर दिहलें. मंत्री जी के काफिला बिना मतलब के निशाना बन गइल जब सड़क पर कचरा के एगो ग्रामीण के मौत से खिसियाइल लोग जाम लगवले रहुवे. मंत्री जी भीड़ के समुझा बुझा के मना लिहले रहलें तब ले सीमा सुरक्षा बल के चार गो ट्रक पर जा रहल जवान जबरिया रास्ता खाली करा लिहलें. ऊ त चल गइलें बाकिर काफिला निशाना बन गइल.

साक्षी अपार्टमेंट के बिल्डर अनिल कुमार गिरफ्तार

पटना के एगो बिल्डर अनिल कुमार सिंह के रुपसपुर से गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकरा पर आरोप बा कि ऊ साक्षी अपार्टमेन्ट के फ्लैट कई कई आदमी के बेच के करोड़ो के धोखाधड़ी कइले बा. ओकरा पर बहुत पहिले से वारण्ट जारी रहे बाकिर ऊ पकड़ में ना आवत रहे. ओकरा लगे से दू गो पिस्तौल, एगो रायफल आ पुलिस विभाग के दू गो वायरलेस सेट पकड़ल गइल जवना से ऊ पुलिस का गतिविधि पर नजर राखत रहुवे. ओकरा साथे ओकरा पार्टनर प्रभातो सिंह के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

बिहार के विकास का कहानी से उल्टा एगो खबर

बिहार के प्रतिष्ठित पटना मेडिकल कालेज के दुर्व्यवस्था के आलम ई बा कि ओहिजा आपरेशन खातिर जरुरी कई गो उपकरण मौजूद नइखे. मजबूरन आपरेशन करावे खातिर मरीज के परिजन बाहर से दिन भर का किराया पर औजार ले आ के डाक्टरन के देलें तब जा के आपरेशन होला. ओहि में कबो कबो दिन दिन भर भुखले पियासे रहला का बाद साँझि के बतावल जाला कि आजु आपरेशन ना हो पाई तब सगरी खर्चा बेकार हो जाले. बतावल जात बा कि अस्पताल में बेहोशी के डाक्टरन के कमी हो गइल बा जवना से बहुते कम आपरेशन हो रहल बा.

यूपी के स्टेट इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा में पूर्वांचल के जलवा

यूपी स्टेट इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा में बनारस के ऋषभ निगम लड़िकन में आ श्रुति सिंह लड़कियन में पहिला नम्बर पर आइल बा लोग. बी आर्क आ होटल मैनेजमेंट में पहिला जगह आजमगढ़ के आकाश के मिलल बा. अबकी का रिजल्ट में खास बात ई बा कि टॉप टेन में एको लड़की नइखे. उपर के ११० गो जगहा में से १०१ जगहा पर लड़िका आइल बाड़े आ नवे गो लड़की एह टॉप लिस्ट में बाड़ी. यूपी में इंजीनियरिंग के एक लाख एकतीस हजार सात सौ चौदह गो सीट बा जवना खातिर दू लाख पैंतीस हजार लोगके काउन्सलिंग में बोलावल गइल बा.

रघुवंश प्रसाद सिंह का चलते राष्ट्रपति के प्रोटोकाल टूटल

लालू के पार्टी के रघुवंश प्रसाद सिंह का लेट लतीफी का चलते राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल के चीन के हवाई अड्डा पर करीब बीस मिनट इन्तजार करे के पड़ल. राष्ट्रपति अपना समय से आ के विमान में बइठ गइली बाकिर बाबू रघुवंश का चलते उड़ान में देरी करे के पड़ल. एह विलम्ब का चलते दोसरो आठ गो हवाई जहाजन के बेमतलब चक्कर लगावे के बा इन्तजार करे के पड़ल.

जिम्बाब्वे से हरला का बाद श्रीलंका से मुकाबिला

जिम्बाब्वे से हार चुकल भारत के एकदिना टीम के मुकाबिला आजु श्रीलंका से होखे जा रहल बा. खिताबी दौड़ में बनल रहे खातिर आजु के मैच जीतल जरुरी बा आ एह खातिर खिलाड़ियन के आपन पूरा ताकत लगा देबे के पड़ी. टीम मनोवैज्ञानिक रुप से हताश बिया आ अगर आजु के मैच जीत जाव त आश्चर्ये होखी. वइसे क्रिकेट का चलते देश के दोसर खेल उपेक्षित हो गइल बाड़ी सँ. एहु मैच के कप्तानी सुरेश रैना का लगे बा आ टीम में सीनियर खिलाड़ी नइखन.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up