टटका खबर, अतवार, ९ मई

by | May 9, 2010 | 0 comments

बीजापुर में नक्सली हमला से सात जवानन के मौत

छत्तीसगढ़ के बीजापुर जिला में नक्सलियन के बिछावल सुरंग के विस्फोट से सीआरपीएफ के १६८वीं बतालियन के एगो गाड़ी उधिया गइल जवना में सात गो जवान मारल गइलें आ १३ गो घवाहिल हो गइलें. केन्द्र सरकार नक्सलियन के समर्थक बुद्धिजीवियनो के दोषी माने के आ ओह लोग के जेल भेजे के बात कहले बिया त नक्सलियन के एगो बड़हन समर्थक महाश्वेता देवी ललकरले बाड़ी कि उनका के गिरफ्तार कर के देखावे सरकार. अइसनका बुद्धिजीवी कबो नक्सली हमला के आलोचना ना करस.

बिहार यूपी में सियासी पारा चढ़ल जात बा

दुनु राज्यन में १० जून के होखे वाला विधानपरिषद के दुनावन खातिर राजनीतिक माहौल गरमाइल जात बा. युपी में १३ सीट खातिर आ बिहार में सात सीट खातिर चुनाव होखे जा रहल बा. अधिसूचना २४ मई के जारी होखी आ ३१ मई तक नामांकन करावल जा सकी. नाम वापसी तीन जून तक हो सकी आ ओकरा बाद १० जून के मतदान होखी. १२ जून तक सगरी प्रक्रिया पूरा कर लिहल जाई.

बिहारो में नक्सली आतंक

सीतामढ़ी के कोआहीं पुलिस चौकी पर नक्सली हमला बोल के ओहिजा खड़ा पुलिस जीप फूंक दिहलें आ चालीस मिनट ले फायरिंग करके दहशत के माहौल बना दिहले सँ. ओकरा बाद सड़क पर जाये वाला ट्रक आ मोटरसाइकिल वालन के लूट के वाहन जरा दिहलन स. ओने कुरसेला आ बखरी स्टेशन का बीच विस्फोट करा के रेल पटरी के नुकसान चहुँपवलन स. ओह पटरी से कुछे देर पहिले नार्थ ईस्ट एक्सप्रेस गुजरल रहे जवना में सुशीलो मोदी सवार रहलन.

निरुपमा हत्याकाण्ड के सीबीआई जाँच के माँग

सीबीआई लाख बदनाम होखे बाकिर जब कवनो मामिला आवेला कुछ लोग ओकर जाँच सीबीआई से करावे के माँग करे लागेलन. झुमरितिलैया के निरुपमा जेएनयू से एमफिल करे का साथ एगो अखबार में कामो करत रही. ओहिजे उनकर प्यार प्रभाशुरंजन से हो गइल. छुट्टी में घरे गइली त उनकर हत्या हो गइल. पुलिस पहिले कहलस कि ई आनर किलिंग के मामिला बा आ निरुपमा के महतारी के गिरफ्तार कर लिहलसि. अब प्रभाशु रंजन के कसूरवार ठहरावत ओकर गिरफ्तारी के कोशिश हो रहल बा. एह पर प्रभाशुरंजन के दोस्त मामिला के सीबीआई जाँच करावे के माँग कइले बाड़े.

यूपी में चार हजार ड्राइवर कंडक्टर के बहाली

यूपी परिवहन निगम में चार हजार ड्राइवर आ कंडक्टरन के भर्ती के आदेश मंत्री राम अचल राजभर दिहले बाड़े. बस बेड़ा बढ़ावहू के आदेश दिहल गइल बा जेहसे राज्य में परिवहन सेवा बेहतर बनावल जा सके. बहाली संविदा का आधार पर करावल जाई.

यूपी बीएड एंट्रेस के पेपर आगरा से लीक भइल

मामिला के जाँच करे वाली पुलिस टीम का मुताबिक पेपर आगरा से लीक भइल रहे आ ओहिजा से फतहगढ़ ले आइल गइल रहे. एह मामिला में एगो खास आदमिओ पकड़ाइल बा. जवना से पुछताछ चल रहल बा. करीब दर्जन भर जिला मुख्यालयन पर प्रश्नपत्र के लिफाफा सीलबन्द मिलल.

झारखण्ड में भाजपा के मुख्यमंत्री के रास्ता साफ

शनिचर का दिने कई दौर का बइठक का बाद एलान भइल कि झारखण्ड में भाजपा के मुख्यमंत्री बनी, झामुमो के उपमुख्यमन्त्री समेत पांच गो मंत्री रहीहें, आ बाकी दल के मंत्रियन के संख्या पहिलही का तरह रही. अब भाजपा ई तय करे में लागल बिया कि केकरा के मुख्यमंत्री बनावल जाव. यशवन्त सिन्हा के लाबी चाहत बिया कि एक बेर ओहिजा गैर आदिवासी मुख्यमंत्री बना के देखल जाव. यशवन्त सिन्हा का लगे प्रशासनिक अनुभव बा. बाकिर झामुमो के दबाव बा कि कवनो आदिवासिये के मुख्यमंत्री बनावल जाव.

ऋतिक रोशन माफी मँगलन

शिरडी के साईं बाबा मन्दिर में अपना गलत व्यवहार खातिर ऋतिक रोशन अपना ब्लाग पर माफी मँगले बाड़न कि भीड़ से बाचे का कोशिश में ऊ कुछ साईं भक्तन के धकिया दिहलन. शनिचर का दिने ऊ पूरा परिवार का साथे दर्शन करे गइल रहलन आ वीआईपी गेट से ओह लोग के प्रवेश दिहल जात रहे. बाकिर ओहिजो भीड़ देख के ऋतिक अँउजा गइलन आ कुछ लोग के धकेले लगलन, एह पर माहौल बिगड़ गइल.

सरल टू जारी भइला से रिटर्न भरल अउरी आसान बनल

आयकर विभाग काल्हु आपन नया फार्म सरल टू जारी कर दिहलस जवना के उपयोग लेखा साल २०१०-११ के रिटर्न भरे का कामे आई. एह फार्म के बहुत सरल बना दिहल गइल बा जवना से कि वेतनभोगी करदाता के बहुत आसानी हो जाई. बाकी लोग पुरनके फार्म भरत रही.

जीतल छोड़ दोसर राह नइखे

बीसबीसा क्रिकेट के वर्ल्ड कप के सुपर आठ के मैच में आस्ट्रेलिया से ४९ रन से हरला का बाद अब भारत के बाकी दुनु मैच जीतल जरुरी बा ना त ऊ सेमीफाइनलो में ना चहुँपी. आज ओकर मुकाबिला वेस्टइंडीज से होखे जा रहल बा. आ भारत खातिर जरुरी बा कि ऊ ई मैच जीत जाव. काल्हु का मैच में श्रीलंका वेस्ट इंडीज के हरा दिहलस.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up