टटका खबर, बियफे, २७ मई

by | May 27, 2010 | 0 comments

माया के माया तीन साल में ३५ करोड़ बढ़ गइल

बड़का बड़का उद्योग एह रफ्तार से ना बढ़ सकस जवना रफ्तार से मायावती के संपत्ति बढ़ रहल बा. खुद मायावतीए का अनुसार तीन साल का भीतर उनकर संपत्ति ५२ करोड़ से बढ़ के ८७ करोड़ के हो गइल बा. ई जानकारी मायावति विधान परिषद खातिर आपन परचा भरे में दाखिल कइले बाड़ी. काश उनका शासन में चलत यूपीओ के संपत्ति में अइसने इजाफा भइल रहित!

कुर्सी से चिपकल शिबू के सौदागिरी चालू बा

शिबू सोरेन के पार्टी एक तरफ कांग्रेस से सौदाबाजी करे में लागल बा आ दोसरा तरफ हेमन्त सोरेन आ चम्पई सोरेन भाजपा के फेर से पटावे में. कांग्रेस आ भाजपा कवनो में अतना नैतिकता भा राजनीतिक साहस नइखे लउकत कि एह सौदाबाजी के साफगोई से नकार सकस. झारखण्ड के मुख्यमंत्री बन के निर्दलीय कोड़ा जतना कोड़ लिहले बाड़े कि सबका मन करे लागल बा कि एह खेत के कुछ फसल ओकरो घरे आवे.

आनन्द सर के कमाल तीसो के तीसो आईआईटी में

बिहार के मशहूर सुपर तीस एहू साल कमाल कर देखवलें जब तीसो के तीसो आईआईटी का प्रवेश परीक्षा में सफल हो गइलें. गणित विशेषज्ञ आनन्द कुमार हर साल बिहार के तीस गो गरीब विद्यार्थियन के चुनेलें, फोकट में पढ़ावेलें आ ओह लोग के सफल बना के देखा देलें. अबले आठ साल में ऊ २४० गो विद्यार्थीयन के तइयार कइलें जवना में से २१२ गो सफल भइलें. एह सफलता पर कवनो गुरु गर्व कर सकेला. बधाई आनन्द कुमार!

एयर इण्डिया के हड़ताल वापिस बाकिर १७ जने नेता बर्खास्त

दिल्ली हाईकोर्ट का आदेश का बाद एयर इण्डिया के हड़ताली कर्मचारी हड़ताल वापिस ले लिहलें बाकिर प्रबन्धन एह बीचे १७ जने कर्मचारी नेतवन के बर्खास्त कर दिहलस आ १५ गो इंजीनियर के निलम्बित कर दिहले बा. एयर इण्डिया आजु आपन ७८ गो उड़ान चलाई आ कहले बा कि दू दिन में हालात सामान्य बना लिहल जाई.

मंत्री समूह फैसला करी जाति आधारित जनगणना पर

केन्द्रीय मंत्रीमण्डल का बैठक में जाति का आधार पर जनगणना करावे खातिर आम सहमति ना बन पावल. कुछ देशभक्त मंत्री एह बात पर चिन्ता प्रकट कइलें कि जाति का आधार पर जनगणना करवला से जातिगत विद्वेष भड़की आ जाति के जहर देश के अउरी नुकसान चहुँपाई. दोसरा तरफ एकर समर्थक मंत्रियन के कहनाम रहे कि जाति सामाजिक सच्चाई ह आ एकरा से मुँह ना घुमावल जा सके. अब एह मसला के मंत्रियन के एगो समूह के सँउप दिहल गइल बा जवना के अध्यक्षता प्रणव मुखर्जी करीहें.

अफजल अपना बचाव में कानूनी हथियार इस्तेमाल कइलस

संसद पर हमला करे का मामिला में फाँसी के सजा पा चुकल अफजल कोर्ट से गुहार लगवले बा कि ओकरा के फाँसी के सजा दिहल गइल रहे बाकिर सरकार ओकरा याचिका पर देरी कर के ओकरा के अकेले डेथ सेल में सड़े पर मजबूर कइले बिया. कहले बा कि ओकरा के जम्मू काश्मीर के जेल में भेज दिहल जाव जेहसे ओकर परिवार वाले ओकरा से भेंट मुलाकात कर सकस. सुप्रीम कोर्ट एगो मुकदमा का फैसला में कहले रहुवे कि अगर फाँसी देबे में बहुत देरी लगत बा त फाँसी सजा के बदल के उमिर कैद के सजा कर देबे के चाहीं. सरकारो के मंशा शायद अइसने कुछ बा.

अमरसिंह के भउजाई के मिलल सपा के टिकट

सभका के चउँकावत मुलायम सिंह फेर से जया बच्चन के राज्यसभा के टिकट दे दिहलन. अमर सिंह के बहुत उम्मीद रहुवे कि उनकर जया भाभी उनका साथे आ जइहें बाकिर उनका एके गो जया, जयाप्रदा, के समर्थन से संतोष करे के पड़ी. सपा आपन दोसरका टिकट रशीद मसूद के दिहले बा जे पार्टी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष हउवें. जया बच्चन के टिकट से मोहन सिंह के सपना धराशायी हो गइल जे सोचले रहुवन कि अमर सिंह के गरियावे के इनाम में उनका के राज्यसभा भेज दिहल जाई. एकरे के कहल जाला कि जातो दिहलें भातो ना मिलल!

राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल चीन यात्रा पर

पिछला दस साल में भारत के कवनो राष्ट्रपति के पहिलका चीन यात्रा पर गइल प्रतिभा पाटिल के बीजिंग में भव्य स्वागत कइल गइल. एह यात्रा पर उनकर मुलाकात चीन के शीर्ष नेता लोगन से होखी. एह यात्रा का दौरान प्रतिभा पाटिल ओहिजा श्वेत अश्व बौद्ध मंदिर के उद्घाटन करीहें.

साढ़े तेरह लाख के गबन में प्रधान के जेल

बलिया के सोनवानी के प्रधान सुरेश कन्नौजिया के गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहल गइल बा. गिरफ्तारी का बाद कवनो बसपा नेता फोन से टीएससी के जिला परियोजना समन्वयक के हड़कवलसि कि प्रधान ओकर खास आदमी ह आ अगर ओकरा कवनो तरह के दिक्कत भइल त ठीक ना होखी. अब ओह बसपा नेतो पर जाँच करे के आदेश हो गइल बा.

पब में भइल झगड़ा खातिर जडेजा आ रोहित बोर्ड से माफी मँगले

वेस्टइंडीज में बीसबीसा वर्ल्ड कप खेले गइल टीम के सदस्य रोहित शर्मा आ रविन्द्र जडेजा बोर्ड से माफी मँगले बाड़े. जडेजा कहले बाड़न कि ऊ ओहिजा खाना खाये गइल रहलें जब कुछ भारतीय मूल के अमेरिकी ओह लोग के भला बुरा कहे लगलें. रोकला पर लोग मारपीट पर उतारु हो गइल. उनकर कहनाम बा कि ऊ कवनो झगड़ा ना कइलें बाकिर बोर्ड से माफी माँगत बाड़े कि आइन्दा अइसन कुछ ना होखे एकर पूरा ध्यान रखीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up