टटका खबर, बुध, २८ जुलाई

by | Jul 28, 2010 | 0 comments

पाकिस्तानी एयरलाइन्स के जहाज दुर्घटनाग्रस्त

पाकिस्तानी एयरलाइन एयरब्लू के एयर बस ३२१ कराची से डेढ़ सौ सवारी ले के उड़ल आ इस्लामाबाद चहुँपे का पहिले खराब मौसम का चलते दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा. दुर्घटना दू गो पहाड़ का बीच भइल बा जहवाँ राहत कार्य चलावे में दिक्कत हो रहल बा. कहल गइल बा कि केहू के बाचे के उमेद नइखे. एक सौ आदमी के लाश मिल चुकल बा. पाकिस्तान में पिछला चार साल में ई पहिला हवाई दुर्घटना ह. इस्लामाबाद हवाई अड्डा पर अपना सगा संबंधी के इन्तजार में खड़ा लोग के ई खबर सुन के ठकुआ मार दिहलसि. पाकिस्तान में एक दिन के शोक के एलान कर दिहल गइल बा.

पिछड़ा वर्ग का कोटा से मुसलमानन के आरक्षण देबे में सरकार लागल बिया

केन्द्र सरकार में अल्पसंख्यक मामिलन के मंत्री सलमान खुर्शीद कहले बाड़न कि केन्द्र सरकार कोशिश में लागल बिया कि अन्य पिछड़ा वर्ग के दिहल जाये वाला आरक्षण में से मुसलमान उम्मीदवारन के आरक्षण दे दिहल जाव. सरकार मुसलमान वर्ग खातिर दस फीसदी आ दोसरा अल्पसंख्यकन खातिर पाँच फीसदी आरक्षण दिहल चाहत बिया. अब चूंकि आरक्षण के सीमा पचास फीसदी से उपर ना जा सके से स्वाभाविक रुप से बाकी लोग के हिस्सा कट के ई आरक्षण दिआ पाई. सामान्य वर्ग के उम्मीदवारन के कवनो अन्तर नइखे पड़े वाला. देखे लायक होखी कि ओह लोग के राजनीति कइसे चलत बा जे पिछड़ा आ अल्पसंख्यक दुनु के अपना पाला में राखल चाहत बाड़े.

हरियर सब्जी नपुंसक बना सकेले भा नर्वस ब्रेकडाउन करा सकेले

कुछ कुछ अइसने बाति केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय अपना रपट में कहले बा. बतावल गइल बा कि लौकी, टमाटर, बै्गन, गोभी वगैरह सब्जियन के ढेर दिन ले ताजा बनवले राखे खातिर आ ओकर पैदावार जल्दी आ बेसी पावे खातिर बेइमान किसान नुकसानदेह रसायन के जम के इस्तेमाल कर रहल बाड़े. सबले बेसी दुरुपयोग आक्सीटोसिन के हो रहल बा जवन कि दवाईओ का दूकान पर डाक्टरे का पर्ची पर मिले के चाहीं बाकिर परचूनो का दुकान पर खुलेआम बिकात बा. शायद मंत्रालय बतावल चाहत बा कि स्वस्थ रहे के बा त हरियर सब्जी खाइल बन्द कर दीं.

पिछला चार साल से बिहार के सगरी मेडिकल रजिस्ट्रेशन फर्जी

दिये तर अन्हार वाला कहाउत सही साबित करत पता चलल बा कि बिहार काउन्सिल आफ मेडिकल रजिस्ट्रेशन के रजिस्ट्रार अपना पद से चार साल पहिले हटावल गइला का बावजूद काम करत बाड़न आ उनके दस्तखत से एह बीच सगरी रजिस्ट्रेशन होखत आइल बा. एह तरह से ई सब फर्जी करार दिहल जा सकेला. अब मामिला के जाँच शुरु भइल बा आ काउन्सिल के अध्यक्ष डा॰नरेन्द्र प्रसाद पर गाज गिर सकेला जे ओह रजिस्ट्रार के काम करत रहे दिहलन. अब रजिस्ट्रार डा॰सूर्य भूषण का खिलाफ केस दर्ज कर लिहल गइल बा.

अयोध्या मामिला में हाई कोर्ट सुलह समझौता करावे में लागल

अयोध्या के विवादित जगह के मिल्कियत के मुकदमा के सुनवाई पूरा कर चुकल हाई कोर्ट आपन फैसला ना सुनवलसि आ अब सुलह समझौता करावे में लागल बा. तीन जजन के बेंच दुनु पक्ष के वकीलन के अलगा अलगा बोला के बाति कइलसि आ सुलह समझौता के रास्ता खोजे के सलाह दिहलसि. कहलसि कि समझौता के गुंजाइश लउकत होखो त कोर्ट का सामने ले आवल जाय.

सूचना मंगला पर होमगार्ड जवान के जान गइल

बहराइच में एगो होमगार्ड जवान के एह चलते मार दिहल गइल कि ऊ सूचना का अधिकार का तहत अपना गाँव के प्रधान के करावल काम आ सरकार से मिलल फण्ड के जानकारी मँगले रहुवे. पुलिस के कहनाम बा कि ई जमीन का झगड़ा का चलते भइल बा जवन पिछला चालीस साल से चलल आवत बा. प्रधानपति आ चार गो दोसरा जेन के एह मामिला में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

शिक्षा के व्यवसायीकरण का खिलाफ विद्यार्थी परिषद के आन्दोलन

आरएसएस के आनुसांगिक छात्र संगठन अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद, जवना के कुछ लोग गलतफहमी में भाजपा के छात्र संगठन कह देलें, शिक्षा के व्यवसायीकरण का खिलाफ देश भर में आन्दोलन चलावे के फैसला लिहले बा. ई फैसला आजु बुध का दिने लखनऊ में आयोजित एगो बईठक में लिहल गइल जवना में देश भर से आइल एबीवीपी के पदाधिकारी शामिल भइले.

यूपी का शिक्षा माफिया के डाँड़ तूड़े ला डेढ़ सौ इन्टर कालेज के मान्यता रदद

यूपी के माध्यमिक शिक्षा मंत्री रंगनाथ मिश्रा कहले बाड़न कि मानक विहीन मकान में चलावल जा रहल डेढ़ सौ इन्टर कॉलेजन के मान्यता रद्द कर दिहल गइल बा. इहो कहलन कि माध्यमिक स्कूलो के मान्यता पूरा जाँच पड़ताल कइला का बादे दिहल जा रहल बा. सगरी मान्यता बोर्ड का संस्तुति पर हो रहल बा आ एह मामिला में गड़बड़ी के शिकायत करे वाला विपक्ष राजनीति कर रहल बा.

लोकसभा स्पीकर स्थगन प्रस्ताव नामंजूर कर दिहली

लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार महँगाई का मुद्दा पर विपक्ष के कार्य स्थगन प्रस्ताव नामंजूर कर दिहली. उनकर मानल बा कि महँगाई में सरकार आपन कवनो संवैधानिक दायित्व पूरा करे में विफल नइखे रहल. कहली कि एह पर दोसरो तरीका से बहस हो सकेला. बाकिर विपक्ष एह बाति से सहमत ना भइल आ ओकरा हंगामा का चलते आजुओ संसद के दुनु सदन में कवनो काम काज ना हो सकल. विपक्ष अपना बात पर अड़ल बा बाकिर ओकरा एकता में सेन्हो लाग गइल बा. सपा कहले बिया कि ऊ कवनो सूरत में भाजपा का साथे वोट ना दे सके. ओने लालूओ कहले बाड़न कि ऊ आपन रास्ता खुदे तय करीहें. भाजपा के आरोप बा कि कुछ लोग सीबीआई का मुकदमा का डर से सरकार के विरोध नइखे करत.

खेल का दुनिया से

श्रीलंका का साथ हो रहल दुसरका टेस्ट का तीसरका दिने खेल खतम होखे तक भारत चार विकेट का नुकसान पर ३८२ रन बना लिहले रहुवे. सचिन ते्दुलकर १०८ रन बना के आ सुरेश रैना ६६ रन बना के क्रीज पर मौजूद बा लोग. बीच में बुझाइल रहे जइसे भारत लड़खड़ा गइल बा. सचिन तेंदुलकर आज आपन ४८ वाँ शतक लगवलें.

मुंबई हाई कोर्ट मुंबई हॉकी एसोसिएशन का अपील पर हॉकी इण्डिया के चुनाव पर तीन हफ्ता तक के रोकला दिहले बिया. मुंबई हॉकी एसोसिएशन के आरोप बा कि कोर्ट का आदेश का बावजूद हॉकी इण्डिया ओकरा के मान्यता नइखे दिहले.

अर्जेन्टिना फुटबाल संघ अपना राष्ट्रीय टीम का कोच पद से डिएगो माराडोना के बर्खास्त कर दिहले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up