टटका खबर, बुध, ५ मई

पावर का लड़ाई में बिना पावर के रहल बलिया

पुलिस उत्पीड़न का खिलाफ काल्हु बिजली विभाग के कर्मचारी हड़ताल पर चल गइलन आ दिन भर बलिया बिया बिजली के बिलबिलात रहि गइल. उपर से आपनो तबियत बहुत खराब रहे जेहसे काल्हु कुछ काम ना कर पवनी. आजु जइसे तइसे टेबल पर बइठल बानी. अकेले आदमी से कवनो काम सुबहित ढंग से चल ना सके आ मईया यशोदा से कतनो प्रेम होखे कतना दिन ले बासी रोटी खा के उनकर गाय चरावल जा सकेला. वइसे अँजोरिया चलावे के उद्देश्य पइसा कमाइल नइखे. उपर वाला के दया से अपना प्रोफेशन से काम लायक आमदनी हो जाले आ बीच बीच में केहु आपन वेबसाइट बनवा लेला.

अभियोजन का कमजोरी से कसाब के साथी बरी हो गइलें

कोर्ट मान लिहलसि कि कसाब कसूरवार बा बाकिर ओकरा दू गो हिन्दुस्तानी साथियन के सबूत का अभाव में बड़ि कर दिहल गइल. कसाब के फाँसी चढ़ावे खातरि काल्हि कई जगहा प्रदर्शन कइल लोग बाकिर एह सरकार में अतना इच्छा शक्ति नइखे कि कसाब के फाँसी चढ़ा दी. संसद पर हमला के दोषी आ फाँसी के सजा पा चुकल अफजाल आजु से सरकारी मेहमान बन के जिन्दा बा. कसाबो ओहि तरह रही. एहसे एहपर ना त हंशला के जरुरत बा ना रोवला के. आस्तीन के साँप का खिलाफ त सरकार कुछ करिये ना पावे आ जबले ऊ मौजूद रहीहें कवनो ना कवनो कसाब आवते रही. अबहियें खबर बा कि १४० गो आतंकी देश में घुस आइल बाड़े. ओकनी के पनाह के दिहले होखी?

एक लाख के इनामी हत्यार नीरज सिंह के पुलिस मार गिरवलसि

जौनपुर का लगे ट्रेन में दू गो सिपाहियन के गोली मार के नीरज के गिरोह ओकरा के छोड़ा लिहले रहुवे. तबसे ऊ फरार चलत रहुवे बाकिर यूपी एसटीएफ ओकरा के आगरा का सिंकदरा गाँव का लगे सोमार का सबेर दहतोरा गाँव का लगे मार गिरवलसि. नीरज सिंह पर एक लाख रुपिया के इनाम रहुवे आ पूरा पूर्वांचल में ओकर दहशत रहुवे. ओकर मेहरारुवो जेल में बिया जे दाहसंस्कार में शामिल होखे खातिर याचिका दायर कइले बिया.

पूर्णिया के आतंक पप्पू यादव के जमानत रद्द

माकपा विधायक अजीत सरकार के हत्या करे वाला पप्पू यादव के पटना हाई कोर्ट जमानत दे दिहले रहुवे जवना पर सुप्रीम कोर्ट फटकार लगवलसि कि जब ओकर जमानत सुप्रीम कोर्ट से रद्द हो गइल रहे त हाई कोर्ट कइसे ओकरा के जमानत दे दिहलसि. पप्पू यादव के आजीवन कारावास के सजा मिलल बा आ हाईकोर्ट से मिलल जमानत का खिलाफ सीबीआई सुप्रीम कोर्ट में अपील कइले रहुवे.

बीएड प्रवेश परीक्षा के सगरी आवेदक के परीक्षा में शामिल होखे के अनुमति मिलल

इलाहाबाद हाई कोर्ट काल्हु निर्देश दे दिहलसि बीएड प्रवेश परीक्षा में ४५ फीसदी वाला परीक्षार्थिओ शामिल हो सकेलें. पहिले न्यणतम अर्हता ४५ फीसदी बतावल गइल रहे जवना के बाद में शासनादेश से पचास फीसदी कर दिहल गइल रहे. एह चलते करीब एक लाख तीस हजार परीक्षार्थियन के आवेदन निरस्त कर दिहल गइल रहे आ कहल गइल रहे कि ओह लोग के फीस वापिस कर दिहल जाई बशर्ते ऊ लोग इम्तिहान में शामिल मत होखस. अभी अभी खबर आइल बा कि प्रश्नपत्र लीक हो गइला का चलते परीक्षा रद्द कर दिहल गइलबा.

काल्हु मुंबई के लोकल ट्रेन चालकन का हड़ताल का चलते रेलयात्री खुब हलकान भइलें

आपन तनखाह बढ़ावे खातिर मुंबई के लोकल ट्रन चालक काल्हु हड़ताल पर चल गइल रहलें जवना से लाखों यात्रियन के परेशानी झेले के पड़ल. पहिले ओह लोग के हड़ताल के शिवसेना आ मनसे समर्थन कइले रहुवे बाकिर बाद में जनता के परेशानी देखत ऊ लोग समर्थन वापिस ले लहिल राज ठाकरे त धमकियो दिहलें कि हड़ताल ना टूटल त मनसे अपना तरीका से ओह लोग से सलट ली.

जाति आधारित जनगणना के समर्थक बढ़ल जात बाड़े

लालू आ रामविलास त कहतहीं रहलें कि अबकी के जनगणना में जातिओ के जानकारी जुटावल जाव. ओकरा बाद वीरप्पा मोइली एकर समर्थन कइलें आ अब केन्द्रीय मंत्रिमण्डल में एकर समर्थक बहुत हो गइल बाड़े. बाकिर कवनो फैसला ना लिहल जा सकल काहे कि जनगणना के प्रक्रिया शुरु हो चुकल बा आ अब अतना विलम्ब से ओह में फेर बदल संभव नइखे. एकर माँग करे वाला लोग कि पिछला दू तीन साल में मौका रहे जनमत बनावे के बाकि रपिछली रोटी खइले नेता लोग तबले सूतल रहल जबले समय ना गुजर गइल.

बिहार में चीनी मिलन के फेर से शुरु करावे खातिर निवेशकन के नेवता

बिहार स्टेट सुगर कार्पोरेशन के एगारह गो बन्द चीनी मिलन के शुरु करावे खातिर अब तीसरा बेर निविदा मँगावल गइल बा. निवेशकन के छूट रही कि चीनी मिल का जगहा पर ऊ कवनो दोसरो उद्योग लगा सकेलें. काहे कि करीब करीब सगरी चीनी मिल के मशीन बेकार हो चुकल बाड़ी सँ आ नया मशीन लगावे के होखी..

बिना सहमति के नार्को एनालिसिस भा ब्रेनमैपिंग अवैध

सुप्रीम कोर्ट कहले बा कि अभियुक्त के सहमति का बिना ओकर नार्को टेस्ट, ब्रेनमैपिंग, भा पोलिग्राफी टेस्ट ना करावल जा सके. आ ओकरा बादो ओकरा के प्रमाण का रुप में ना मानल जाई जबले दोसरो कवनो पुष्टिकारी सुबूत ना होखे.

अन्तर्राष्ट्रीय ओलम्पिक एसोसिएशन फटला में टाँग घुसवलसि

आईओए भारत के खेलमंत्री के चेतवले बा कि खेल संघन के नियम कायदा में हस्तक्षेप रोक देस ना त भारत के मान्यता रद्द कर दिहल जाई. खेलसंघ कुछ नेता आ अधिकारियन के चारागाह बन गइल बा आ ओकरा में कवनो सुधार के गुंजाइश छोड़े खातिर ऊ सब तइयार नइखन. होखल त ई चाहत रहे कि आईओए खुदे कवनो अइसन नियम बना दित जवना से खेल संघ में आन्तरिक स्वतंत्रता आ जाय.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up