pub-4188398704664586

टटका खबर, मंगल, २० अप्रैल

by | Apr 20, 2010 | 0 comments

बड़ा अद्भुत खेला हो रहल बा

क्रिकेट के खेल के पइसा के खेल में बदलला का बाद अब बीसीसीआई के पासा उलटा पड़ल शुरु हो गइल बा. ललित मोदी थरुर विवाद में थरुर के विदाई के बाद से ललित मोदी के हटावे खातिर बीसीसीआई में जोड़तोड़ शुरु हो गइल बा. सरकारो नजर टेढ़ कर लिहले बिया. बीसीसीआई के आर्थिक साम्राज्य के आकार घटावे के कोशिश हो रहल बा. आयकर विभाग के नींद टूटल बा आ ऊ चाहत बा कि बीसीसीआई के व्यापारिक वाणिज्यिक संस्था मान के टैक्स लगावल जाव. वइसे अतना त तय बा कि बात निकलल बा त दूर तलक जाई.

बेदर्द डाक्टरन का चलते एगो लड़की के मौत

पटना मेडिकल कालेज में लीवर फेल्योर से पीड़ित एगो लड़की के परिजन दवाई आ बेहतर इलाज के माँग का कर दिहलें कि डाक्टर लोग आपन पावर देखा दिहल. ओह लड़की के पन्द्रह दिन के दवाई लिख के अस्पताल से जाये के कह दिहल गइल. परिजन लाख कहत रह गइलें बाकिर बेदर्द डाक्टरन के कवनो दया ना आइल आ ओकरा जाहीं के पड़ल. बाहर गइला का पाँचवे दिन ओकर मौत हो गइल. मरीज एगो पद्मश्री डाक्टर साहब का वार्ड में भरती रहुवे. शायद अब ऊ अपना के पद्मविभूषण के हकदार बतइहें

नीतीश शुरु कइलें ब्लागिंग

नीतीशस्पीक्स.ब्लागस्पाट.कॉम नाम से एगो ब्लाग शुरु भइल बा जवना में नीतीश कुमार आपन बात कहीहें आ लोग से सीधा संवाद बनावे के कोशिश करीहें. पहिलका ब्लाग जवन प्रकाशित भइल बा तवन त सरकारी प्रचार लेखा लागत बा. कवनो राजनेता के मनोभाव लेखा ना. फोटो वगैरह जवन लागल बा ओकरो से इहे लागत बा कि उनकर कवनो सरकारी विभाग एह काम के अनौपचारिक रुप से देख रहल बा. ना त अतना फोटो लगवला के जरुरत ना रहे.

मनु शर्मा के सुप्रीम कोर्ट से राहत ना मिलल

सुप्रीमो कोर्ट मनले बा कि मनु शर्मा जेसिका लाल के हत्या कइले रहे आ ओकरा के कवनो राहत ना मिले के चाहीं. कोर्ट कहले बा कि मनु के अदालत में जवन व्यवहार रहल तवने ओकरा के अपराधी जतावे खातिर पर्याप्त बा. मनु शर्मा गवाह पलटला का चलते निचला अदालत से बरी हो गइल रहे बाकिर दिल्ली हाईकोर्ट ओकरा के मुजरिम करार दिहलस आ उमिर कैद के सजा सुनवलस. ओकरा बाद ऊ सुप्रीम कोर्ट चल गइल रहे बाकिर ओहिजो से ओकरा कवनो राहत ना मिल पावल. एह तरह के फैसला से आम आदमी के मन में भरोसा जागेला कि ओकरो न्याय मिल सकेला.

पीएचडी कइल आसान ना रही

यूजीसी के नयका मापदण्ड लागू होखला का बाद पीएचडी भा एम फिल में एडमिशन ओतना आसान ना रह जाई. तरह तरह के बंदिश लगा दिहल गइल बा जवना में से एगो इहो बा कि एडमिशन खातिर टेस्ट देबे के पड़ी आ एगो सुपरवाइजर का तहत कबो आठ गो से बेसी शोधार्थी ना रह सकस. विश्वविद्यालय के इहो बतावे के पड़ी कि कतना सीट बा एह खातिर. अबहीं सब कुछ गुपचुप होखत आवत रहल ह. जेकर जान पहिचान पहुँच रहत रहे से त काम बना लेत रहे बाकी लोग टापत रह जात रहे.

सोमार से बहत पुरवईया से आदमी के राहत

देह लहकावत गरमी से राहत देत सोमार का साँझ से पुरवईया बहे लागल बा जवना चलते तापमान में गिरावट आइल बा आ आदमी के कुछ सुकून मिलल बा. अलगा बाति बा कि अधिकतम तापमान अबहियो ४३ डिग्री से ऊपर चलत बा.

केन्द्र अपना से करी ना राज्य करे त दीही ना

केन्द्र के सहायता बाला बिहार के सड़कन के खराब हालात खातिर नीतीश कुमार केन्द्र पर तोहमत लगवले बाड़े. कहले बाड़े कि जवना सड़क पर केन्द्रीय एजेन्सी के काम करे के बा ओहिजा काम होखत नइखे आ जहवाँ राज्य सरकार के एजेन्सी काम करत बिया ओहिजा भुगतान नइखे देत केन्द्र. जवन सड़क राज्य सरकार अपना योजना से अपने बनवावेले ओह सड़कन के रख रखाव ठीक बा.

उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी

भाजपा के बुझात नइखे कि २७ अप्रैल के भारत बन्द के समर्थन करो कि चुप लगा जाव. २१ अप्रैल के भाजपा महँगाई का मुद्दा पर दिल्ली में प्रदर्शन करे जा रहल बिया त गैर संप्रग गैर राजग दल २७ अप्रैल के भारत बन्द के आह्वान कइले बाड़े. बात चूंकि जनता से जुड़ल महँगाई के मुद्दा से बा से भाजपा के एगो बड़हन हिस्सा चाहत बा कि बन्द के समर्थन कइल जाव. बाकिर कुछ लोग नइखे चाहत कि सड़क पर लालझंडा वालन का साथ दिखाई पड़ल जाव.

यूलिप विवाद से टूटल शेयर बाजार उठे के नाम नइखे लेत

पिछला हफ्ता के पाँचो बाजारी दिने गिरावट के रुख लिहले शेयर बाजार सोमारो के ना सम्हरल आ गिरते चल गइल. अब तकनीकि सुधार के समय आ गइल बा त हो सकेला कि आजु भा काल्हु बाजार कुछ उठ जाव. बाकिर शेयर बाजार का रुख का बारे में कहल आ उड़त चिरई के हरदी लगावल एके बरोबर होला.

आखिरी मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स के जीत

आईपीएल में कबो सेमीफाइनल के मुँह ना देख पावे वाला कोलकाता नाइट राइडर्स अबकियो सेमीफाइनल में ना चहुँप सकल. बस अतने संतोष बा ओकरा कि पहिला बेर मुंबई इण्डियन्स के हरवलस आ उहो अतना नौ विकेट से. कोलकाता नाइट राइडर्स के एह जीत का बादो कवनो फायदा ना भइल काहे कि ओकर रन औसत बहुते खराव रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586