टटका खबर, मंगल, ३ अगस्त

by | Aug 3, 2010 | 1 comment

राज ठाकरे के फेरु मराठी मच्छर कटलसि

मनसे नेता राज ठाकरे के फेरु मुंबई के मच्छर काट लिहले बा आ ऊ भनभनाये लागल बाड़न कि उत्तर भारतीयन का चलते मुंबई में मलेरिया फइलत बा. बाहर से आ के ऊ लोग मुंबई के झोपड़ पट्टी पर काबिज हो जात बा आ गंदगि फइलावे में लाग जा रहल बा. एह मराठी मच्छर का भनभनाहट पर महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री राज ठाकरे के लतड़े बाड़न. प्रियो दत्त राज ठाकरे के आलोचना कइले बाड़ी कि ऊ मलेरिया के समस्या के मजाक बना दिहले बाड़न.

पहिला सोमारी का दिने गूंजल हर शिवालय में हर हर महादेव

काल्हु पहिला सोमारी का दिने देश भर का शिवालयन में हर हर महादेव के नारा गूंजल आ शिवभक्त लोग सबेर होखे से पहिलही शिवजी के जलाभिषेक में लाग गइले बिना सोचले विचरले कि सूर्योदय से पहिले अतवारे रहेला. अंग्रेजी तारीख का इस्तेमाल का चलते सभका भ्रम रहल कि अधरतिया का बाद से सोमार शुरु हो गइल. पंडीतो पंडा लोग के एहसे कवनो मतलब ना रहे ओह लोग के त बस अपना दक्षिणा से मतलब रहेला.

रिहायशी इलाका में धंधापानी चलावे वालन पर बेसी टैक्स लगावे के कवायद फेल

आवासीय मकान में बिजनेस करे वालन का दबाव पर यूपी सरकार बढ़ल दर से घृहकर वसूले के योजना पर रोक लगा दिहलसि. रिहायशी इलाका में आवासीय मकान से धंधा चलावे वालन का चलते पासो पड़ोस के लोग के दिक्कत झेले पड़ेला, व्यवस्था पर फालतू दबाव पड़ेला आ ओकर भरपाई करे खातिर सरकार जब अइसनका लोग से बढ़ा के टैक्स वसूले के योजना बनवलसि त सब जने मिल के विरोध करे लागल आ सरकार के आपन फैसला टाल देबे के पड़ल.

बिहार में कोषागारन से अनियमित निकासी के मुद्दा उठावे के नाकाम कोशिश

लालू के राजद आ रामविलास के लोजपा राज्यसभा में बिहार सरकार का खिलाफ कैग के रिपोर्ट के मामिला उठावे चहलन त एकजुट एनडीए उठावे ना दिहलसि. एनडीए के कहनाम बा कि एक त मामिला कवनो राज्य के बा, दोसरे मामिला पर बिहार के लोक लेखा समिति विचार कर रहल बिया. एह हालात में संसद में एकर चरचा गलत होखी

प्रणव मुखर्जी का दखल का बाद संसद के हंगामा रुकल

आदमी के भूख लागी अपने से खाई, बकरी के भूख लागी लकड़ी चबाई. विपक्ष के जब बुझा गइल कि संसद के कार्यवाही ठप्प करे के ओकर फैसला से जनता में गलत संदेश जा रहल बा त ऊ प्रणव मुखर्जी के नाश्ता कर के एह मामिला पर समझौता कर लिहलन. कहल लोग कि सरकार अब मान लिहले बिया कि मुद्रा स्फीति से आम आदमी पर नुकसानदायक प्रभाव पड़ रहल बा. आ अब विपक्ष संसद के काम ना रोकी.

लालू के राजद रामविलास का लोजपा में अनबन शुरु

बिहार विधानसभा चुनाव खातिर राजद लोजपा गठबन्हन में अब दरार लउकल शुरु हो गइल बा. लोजपा के मौजूदा विधायकन के डर लागत बा कि राजद ओह लोग के जीतलको सीट पर नजर गड़वले बिया आ पासवान अपना भलमनसाहत में ओह लोग के नुकसान करा दीहें. लोजपा का तरफ से कहल ग५ल बा कि लोजपा के कम से कम १०० सीट मिले आ ओह सीट पर लोजपा बरकरार रहे जहाँ ऊ पिछला बेर जीतल रहे भा दुसरका नंबर पर आइल रहे.

नेपाल में प्रधानमंत्री खातिर तीसरको वोटिंग बेकार गइल

नेपाल में प्रधानमंत्री चुने खातिर काल्हु तीसरका बेर वोट डालल गइल बाकिर सबसे बेसी वोट पवला का बावजूद माओवादी नेता प्रचण्ड दहल कमल के बहुमत ना मिल सकल. दोसर उम्मीदवार बहुते पीछे रहले बाकिर वोट ना डाले वाला सदस्यन का चलते केहू ना जीत पावल. प्रचण्ड पिछला बेर बहुते बड़ बहुमत से जीतल रहले बाकिर जीतला का बाद सब वचन भुला गइले जवना का चलते अब उनका बात पर केहू भरोसा नइखे करत. अब बियफे के चउथका हाली वोट डालल जाई आ अगर दुनु उम्मीदवार तबो बरकरार रहले त फेर केहू ना जीत पाई.

बिग बी के हटा के सलमान बनलन बिग बॉस

कौन बनेगा करोड़पति के नयका सीजन के एंकर करे जा रहल बच्चन के बिग बॉस के एंकरिंग ना दे के सलमान खान के दिहल जा रहल बा. बिग बॉस के एंकरिंग करे खातिर शाहरुख खान आ अक्षय कुमार से बात चलावल गइल रहे बाकिर बात ना बनल. अब सलमान ऊ शो करे जा रहल बाड़न एह बात से बेपरवाह कि पिछलका बेर के एंकर अमिताभ बच्चन से उनकर तुलना कइल जाई. कहत बाड़न कि बच्चन का लगे उनकर स्टाइल रहे, हमरा लगे हमार रही.

खेल मंत्रालय कलमाडी से अपना दू गो सहायकन के हटावे के कहलसि

कामनवेल्थ गेम्स का आयोन में भ्रष्टाचार देखला का बाद केन्द्रीय खेल मंत्रालय कलमाडी से कहले बा कि आयोजन समिति के दू गो बदनाम सदस्यन के हटा दिहल जाव. ओह लोग के नाम ह, संयुक्त महा निदेशक टीएस दरबारी आ उप महानिदेशक डा॰ संजय महिन्द्रू. देखल जाव कि आयोजन समिति का फैसला करत बिया.

खेल का दुनिया से

हाकी इण्डिया आ इण्डियन हाकी फेडरेशन दुनु से खेल मंत्रालय सवाल पूछले बा कि ऊ लोग बतावे कि इन्टरनेशनल हाकी फेडरेशन आ सरकार के निर्देशन के ऊ लोग कइसे पालन करी. हाकी इण्डिया से इहो पूछल गइल बा कि दिल्ली हाई कोर्ट में ओकरा ई कहला पर कि ऊ एगो निजी संस्था ह, ओकर मान्यता काहे ना रद्द कर दिहल जाव?

गम्भीर का चोट से गम्हीराह हालत में चहुँपल भारत के क्रिकेट टीम श्रीलंका से तिसरका टेस्ट हर हालत में जीतल चाही. बाकिर तब के ना जीतल चाहेला?

Loading

1 Comment

  1. ANIL KUMAR SINGH

    bahut accha samachar likhat bataa log aise hi likhat raha bhojpuri ke name roshan kar ja log……….?thank’s

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up