टटका खबर, शनिचर, १० जुलाई

by | Jul 10, 2010 | 0 comments

हुर्रियत के शब्बीर वानी गिरफ्तार

शब्बीर आ गुलाम अहमद डार के बातचीत रिकार्ड भइला का बाद हुर्रियत कांफ्रेस के कट्टरपंथी नेता शब्बीर अहमद वानी के काल्हु गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. ऊ दुनु दस पन्द्रह लोग के प्रदर्शन का दौरान मरवावल चाहत रहले. जम्मू काश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला कहले बाड़न कि हालिया घटनाक्रम से उनका सरकार के साख गिरल बा तबहियो ऊ अपना जिम्मेदारी से भगीहे ना. काश्मीर के विपक्षी मुख्यमंत्री से इस्तीफा देबे के माँग करत बाड़े.

वीटो भले देर से मिले बरोबरी के हक तुरते मिले के चाहीं

भारत अपना तरफ से समझौता के राह सुझवले बा कि संयुक्त राष्ट्र संघ में नयका स्थायी सदस्य बने वाला देशन के वीटो के अधिकार भले पन्द्रह साल का बाद मिलो बाकिर तबले ओहू लोग के अमेरिका आ रुसे का तरह बरोबरी के अधिकार दिहल जा. भारत के अनेसा बा कि सुरक्षा परिषद में चल रहल वीटो अधिकार के चर्चे के वीटो जन कर दिहल जाव.

बनारस में बूढ़ पति पत्नी के हत्या कर के लूटपाट

बनारस का सिकरौल में टाफी कारखाना चलावे वाला बासठ साल के संतोष केजरीवाल आ उनका साठ साल के मेहरारू निर्मला के घर में सूतला घरी गरदन दबा के मार डालल गइल आ ओकरा बाद ओह कमरा में लूटपाट कर के हत्यारा गायब हो गइले. बगल का कमरा में सूतल बेटा पतोह के कुछ ना पता चलल. पुलिस मामिला के जाँच कर रहल बिया आ ओकरा अनेसा बा कि केहु करीबिये आदमी ई काम कइले बा.

इनसैट चार बी में खराबी का चलते कई गो चैनल पर असर

भारत के संचार उपग्रह इनसैट चार बी के मार्च २००७ में प्रक्षेपित कइल गइल रहुवे आ ओकरा बारह साल ले काम करे के रहुवे. बाकिर सात जुलाई के ओकरा विद्युत प्रणाली मे गड़बड़ी आ गइल जवना से ओकरा आधा ट्रांसपोंडर बन्द हो गइल. एह चलते कई गो टेलीविजन चैनलन पर असर पड़ल बा. अब विशेषज्ञ एह कोशिश में लागल बाड़े कि बन्द हो गइल कुछ ट्रांसपोंडर केहू तरह चालू हो जा सँ भले ओकनी से कमे काम लिहल जा पाव.

यूपी के मैनेजमेंट कालेजन के अपने मैनेजमेंट खराब बा

अखिल भारतीय तकनीकि शिक्षा परिषद बीएचयू के प्रबन्ध संकाय के डा॰आलोक राय के यूपी के निजी मैनेजमेंट कालेजन के सर्वे करे के काम सँउपले रहे जवना के नाम रहे क्वालिटी आफ टीचिंग इन सेल्फ फाइनेंस्ड मैनेजमेंट इंस्टीच्यूट्स आफ यूपी. आपन काम कइला का बाद डा॰ राय देखले कि एह कालेजन में ढंग के प्रबन्ध नइखे. विद्यार्थी आ फैकल्टी दुनु निराश बाड़े. पढ़ावे के ना त सही माहौल बा ना सही सुविधा. एह चलते प्लेसमेंटो के हालात खराबे बा. फैकल्टी के लोग दोसरा नौकरी के तलाश में बा बाकिर विद्यार्थी कहाँ जइहें.

४८ साल बाद सेना के जवान के लाश मिलल

साल १९६२ का भारत चीन युद्ध का दौरान गायब सेना के जवान कर्मचंद का बारे में अनुमान रहे कि ओकरा के चीन बंदी बना लिहले बा. ओकर इंतजार करत बाप महतारी दुनू आजु से पचीस साल पहिलही स्वर्गवासी हो चुकल बाड़े. कर्मचंद के जब मौत भइल त ऊ एकइस साल के रहुवे आ अबही शादियो ना भइल रहे. ओकर लाश बर्फ में दबा गइल रहे. अब रास्ता बनावत में बर्फ हटावल गइल त ओकर लाश मिलल. पाकिट में पड़ल पहचान पत्र से ओकर पहचान भइल. अब सेना कर्मचंद के लाश ओकरा पैतृक गाँव हिमाचल के अगोजर ले जा के अंतिम संस्कार करवाई. कर्मचंद के केहू वारिस नइखे आ आखिरी संस्कार ओकर भतीजा करी.

अब चीनी के दाम पर से सरकार आपन नियन्त्रण हटाई

चरचा बा कि केन्द्र सरकार अब चीनी के दाम पर से आपन नियन्त्रण हटा ली आ चीनी मिल अपना मनमानी दाम पर चीनी बेचीहे. सरकार किसान के गन्ना के दाम जरुरे तय कइल करी आ खुला बाजार में चीनी जारी करे के अधिकारो अपने लागी राखी. ई जानकारी काल्हु क्रिकेट मंत्री, ओफ्फ गलती हो गइल, कृषि मंत्री शरद पवार दिल्ली में चीनी मिल मालिकन का फेडरेशन का बइठक में दिहलें.

बलिया में बिजली खातिर हाहाकार

पिछला छह दिन से बलिया शहर में बिजली खातिर हाहाकार मचल बा. कवनो दिन ठीक ठाक बिजली नइखे मिल पावत. काल्हु त बमुश्किल पांच घंटा बिजली मिलल. एह चलते कई जगहा पिये के पानीओ के संकट आ गइल बा. विभाग अतने बतावत बा कि एगो ट्रांसफर के जरला का बाद ओकरा के बदले के काम चलत बा. बाकिर बदलइलो का बाद बिजली ओहि तरह से गायब बा जइसे मानसून के बरखा. काल्हु खूब करिया करिया बदरी लउकली सँ,बुझाइल कि जम के बरखा होखी बाकिर बलिया जिला में कुछेक जगहा बरखा भइल आ शहर अछुता रह गइल.

अगिला तीन साल में बहुते दवाईयन के पेटेंट खतम हो रहल बा

अमेरिका में अगिला तीन साल में करीब सत्तर अरब डालर के दवाईयन पर पेटेंट के अवधि खतम हो जाई आ भारत के दवाई कंपनी जेनरिक दवाई बना के एह मौका के फायदा उठा सकीहें. ई जानकारी काल्हु दिल्ली में फार्मासिस्टन के सेमिनार के संबोधित करत राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटिल दिहली. कहली कि देश में फार्मासिस्टन के जरुरत बहुते बढ़े जा रहल बा आ एकरा शिक्षा के सुविधा बढ़वला के जरुरत बा.

खेल का दुनिया से

फीफा वर्ल्ड कप में एक जने के हार तय बा. हम टीम के बात नइखी करत. बात हो रहल बा आक्टोपस बाबा पाल के आ सिंगापुर के तोता मनी के. पाल फाइनल में स्पेन के जीत के बात कहले बा त मनी के भविष्यवाणी नीदरलैण्ड खातिर बा. एह से कम से कम सट्टेबाजन के धंधा चमक जाई. दुनु टीम खातिर लोग सट्टा लगाई आ अब त एहू पर सट्टा लागी कि के सही बा. वइसे आक्टोपस बाबा आजु का मैच का बारे में जर्मनी के जीते के भविष्यवाणी कइले बाड़े. काल्हु जब पाल बाबा फाइनल के विजेता के भविष्यवाणी करे जात रहले त पूरा यूरोप में ओकरा के लाइव देखावल गइल. अबकी का फाइनल में दुनु टीञ यूरोपेे से बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up