टटका खबर, शनिचर, २० मार्च

by | Mar 20, 2010 | 0 comments

दाउद गिलानी के उमिर कैद से कम के सजाय ना हो पाई.

पाकिस्तानी अमेरिकी दाउद गिलानी उर्फ डेविड हेडली के स्वीकारोक्ति का बाद भारत के दावा कि मुंबई हमला का पाछे लश्कर तोएबा के हाथ रहे सही साबित हो गइल बा. अमेरिका भारत के आश्वासन दिहले बा कि डेविड हेडली से जुड़ल हर जानकारी ओकरा मिली आ भारत अब एह फिराक में लागल बा कि डेविड हेडली के प्रत्यार्पण करावल जाव. हालांकि पता ना डेविड हेडली हिन्दुस्तान सरकार के मिलियो जाई त ई लोग का कर ली. आजु ले त अफजाल के फाँसी ना दे पावल लोग, ना ही ओकरा के माफे कर पावल लोग. एहिजा त हर बात का पाछे वोटबैंक राजनीति काम करे लागेला.

तालिबानी तालिबानी होलें, निमन बाउर ना

निमन तालिबान आ बाउर तालिबान का बीच के फरक बताके अफगानिस्तान सरकार कुछ तालिबानियन के अपना साथे लेबे का चक्कर में बिया. एह पर भारत के आपत्ति दरसावत विदेश सचिव निरुपमा राव कहले बाड़ी कि भारत अफगानिस्तान में अपना विकास कार्यन में कवनो कटौती नइखे करे जा रहल. भारत का तरफ से अफगानिस्तान में करावल जा रहल विकास कार्यन के बड़ाई अमेरिको करे ला.

मधुमक्खी के छत्ता छेड़ेवाला अज्ञात आदमी का खिलाफ मुकदमा

माया के बहुचर्चित नोट वाली रैली का दिने रामाबाई अम्बेदकर स्टेडियम का लगे लागल एगो मधुमक्खी के छत्ता के केहू धुँआ देखा दिहले रहे जवना का बाद मधुमक्खी रैली का तरफ चल गइल रही सँ. गनीमत बा कि ओकरा चलते भगदड़ ना मचल. ना त कई लोग के जान चल गइल रहित.

भुखाइल भीड़ माला में से नोट खींच लिहलस

मायावती के माला के बहुते चर्चा भइल बाकिर पटना में एजाज अली के पहिरावल एक लाख रुपिया के माला बड़हन खबर ना बन पावल. महिला आरक्षण का खिलाफ एजाज का कारगुजारी से खुश उनकर समर्थक उनका के एक लाख रुपिया के नोट लागल माला पहिरवले जवना में से सगरी नोट भीड़ में शामिल लोग नोच ले गइल आ एजाज का हाथे कुछ ना लागल. एजाज एह पर एतराज जतावत कहले कि ऊ उनकर दुश्मन होइहें सँ ना त नोट ना नोच ले जइतन सँ. अरे भाई, तू त गरीब पिछड़न के समर्थक हउव, तहरा त खुश होखे के चाहत रहे कि कुछ जरुरतमंद का हाथे ऊ नोट लाग गइली सँ.

आजु विश्व गौरैया दिवस मनावल जा रहल बा

गौरैया चिरई के बचावे खातिर शुरु अभियान का तहत आजु विश्व गौरैया दिवस मनावल जा रहल बा. गौरैया चिरई पहिले घरे घरे नजर आवत रहली सँ बाकिर धीरे धीरे घटत गइली सँ आ अब शायदे नजर आवत बाड़ी सँ. कंक्रीट के जंगल में गौरैया के रहे लायक जगह नइखे रह गइल. गौरैया के खतम करे के काम बिजली के पंखा से शुरु भइल. बाद में घर में से रोशनदान, खिड़की वगैरह हटे लागल आ चिरई के घर में घुसल मुश्किल होत गइल. ओह मासूम चिरई के बचावे के हर मुहिम के स्वागत बा. बाकिर गौरैया इ=आवे त केने से, रहे त कवना कोना ?

२२ मार्च के बिहार दिवस मनावल जाई

बिहार राज्य स्थापना दिवस के एह साल सार्वजनिक अवकाश घोषित कर दिहल गइल बा जवना चलते सगरी कार्यालय आ बैंक तक बन्द रहीहें सँ. बोर्ड के ओह दिन होखे वाला इम्तिहान अब तीस मार्च के दुसरकी पाली में होखी. एगो दोसरा खबर में कहल गइल बा कि पहली अप्रेल से बड़का बिजनेस खातिर ईपेमेंट आ ईफाइलिंग जरुरी हो जाई. ओह लोग के वाणिज्य कर कार्यालय जाये के जरुरत ना पड़ी आ छोटका व्यापारी अगर दस हजार रुपिया जमा कर दिहल करें त उनका प्रतिष्ठान पर छापा ना पड़ी.

पदलोलुपन के बयानबाजी चालू बा

एक अनार सौ बीमार वाला हालत हो गइल बा भाजपा के. राष्ट्रीय कार्यकारिणी के एलान का बाद से शॉटगन सिन्हा लगातार फायर कर रहल बाड़न आ अब एहमें सीपीओ ठाकुर शामिल हो गइल बाड़न. उनको शिकायत बा कि अगिला साल बिहार में चुनाव होखे जा रहल बा आ उनका के कवनो बड़हन जिम्मेदारी नइके दिहल गइल. अबहीं त विदेश जात बाड़े, लवटीहें त बाकी रुसल लोग से मिल बईठ के योजना बनइहें.

प्रवीण तोगड़िया के गिरफ्तार कर लिहल गइल

उड़ीसा के कंधमाल इलाका में जाये पर लागल रोक का बावजूद ऊ ओहिजा जाये के प्रोग्राम बनवले रहलन त उनका के समर्थकन का साथे राते में गिरफ्तार कर लिहल गइल. तोगड़िया के एह बात पर आपत्त बा कि यूरोप के राजनयिकन के ओहिजा जाये जे इजाजत दे दिहल गइल बाकिर उनका के ना. अगस्त २००८ में स्वामी लक्ष्मणानन्द के हत्या बाद ओहिजा बड़हन पैमाना पर हिंसा भइल रहे.

ग्रीनहंट से परेशान हो गइलें नक्सली

नक्सलियन का अत्याचार का खिलाफ सुरक्षाबल के ग्रीनहंट से नक्सली परेशान हो गइल बारे आ ओकनी से बेसी ओकनी के दलाल जे कबो मानवता का नाम पर त कबो कवनो दोसरा बहाने नक्सलियन का खिलाफ कार्रवाई रोके के माँग करत बाड़े. एह मानवतावादियन का नजर में आम आदमी के कवनो मानवाधिकार ना होला जेकरा के नक्सली अपना हिंसा से परेशान करके रखले बाड़न सँ. नक्सली बयान आइल बा कि ऊ देशभक्त हउवन आ देशभक्तन का खिलाफ अभियान चलावल बन्द कर दिहल जाव.

सायना नेहवाल टॉप फाइव में

भारत के महिला बैडमिण्टन खिलाड़ी सायना नेहवाल पिछला महीना भइल आल इंगलैण्ड चैम्पियनशिप में अपना खेल का बल पर सर्वोच्च पाँच में शामिल हो गइल बाड़ी. अबतकले के ई उनकर सबसे बढ़िया रैंकिंग बा. एह चैम्पियनशिप का सेमीफाइनल ले चहुँपे वाली ऊ पहिलका भारतीय महिला खिलाड़ी हई. ओने आईपीएल का मैच में चेन्नई सुपर किंग्स दिल्ली डेयर डेविल्स के पांच विकेट से हरा दिहलस.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up