pub-4188398704664586

टटका खबर, शनिचर, २४ अप्रैल

by | Apr 24, 2010 | 0 comments

बलिया में बैंक के दस लाख रुपया लूटल गइल

एगो निजी वाहन से स्टेट बैंक आफ इण्डिया के बलिया मुख्य शाखा से रामगढ़ शाखा खातिर दस लाख रुपया ले के जात बोलेरो गाड़ी के दुबहड़ थाना का लगे लूट लिहल गइल. बैंक के गार्ड आ चपरासी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. वाहन मालिक आ रामगढ़ शाखा के कैशियर गाड़ी से कूद के भगलें त कैशियरो के गोड़ में गोली लाग गइल. बोलेरो ओकर मालिके चलावत रहुवे जेकरा के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. अकस्रहाँ बैंक निजी गाड़ी से रुपया भेजत रहेलें आ एकरा पहिलहूं कइ बेर अइसनका लूट के घटना हो चुकल बा. पिछला बेर जनवरी २००६ में स्टेटे बैंक के दस लाख रुपया लूट लिहल गइल रहे.

आईपीएल तीन का दौरान पता लागल कि दू के मैच फिक्स रहे

क्रिकेट का नाम पर चल रहल करिया कारोबार के परत दर परत उघड़ल जात बा. केन्द्र सरकार के एगो मंत्री के विदाई हो चुकल बा बाकिर दू गो बरियार मंत्री के नाम अइला का बाद केन्द्र सरकार सकपका गइल बिया आ मामिला के गहन जाँच करवावे के विपक्ष के माँग नइखे मान पावत. एही बीच पता चलल बा कि २७ गो खिलाड़ी मिल के आईपीएल दू के मैच फिक्स कर लिहले रहलें. एहू साल मैच फिक्सिंग के खबर हवा में पँवड़त बा. आईपीएल कांग्रेसी राज के एगो बड़हन कलंक का रुप में सामने आ रहल बा. अब एकरा के संजोग कहल जाव कि दुर्योग, हर बड़हन घोटाला का समय कांग्रेसे के सरकार रहेले.

समरथ के नहीं दोष गुसाईं

सीबीआई के कमाल एही में मानल जा सकेला कि कबो कवनो बड़का राजनीतिज्ञ ओकरा जाल में ना फँस पावे. लालू बाँच गइले, मुलायम बाँच गइले आ अब मायावतिओ बाँच जइहें अइसनका अनेसा हो रहल बा. तीनो जने पर अपना जायज आमदनी से बेसी के संपत्ति होखे के आरोप लागल. सीबीआई जाँच कइलस. लालू मुलायम छूट गइलें बाकिर मायावती के मामिला अबहियों चालू बा. मायावती सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवली त सीबीआई कहलसि कि उनका आवेदन पर विचार कइल जा सकेला. मतलब अब उहो बेदाग बाँच जइहें.

अबकी जी भर के बरखी बरसात

मौसम विभअग आपन पूर्वानुमान जारी कइले बा कि एह साल देश भर में जम के बरखा बरखी. वइसे इहो बता दिहल जरुरी बा कि पिछलो साल मौसम विभाग बढ़िया बरखा होखे के अनुमान लगवले रहे जवना का बाद देश भर में भयंकर सूखा पड़ल रहे. अबकी अतने भर सावधानी बरतले बा विभाग कि ई नइखे बतवले कि कवना इलाका में बरखा के औसत का रही. एह साल ९३ फीसदी से १०३ फीसदी तक बरखा के अनुमान लगावल गइल बा. सौ फीसदी बरखा के मतलब भइल ८९ से॰मी॰

अयोध्या के ढाँचा ढहावे में आईएसआईयो के हाथ रहुवे

अयोध्या विंध्वंस का मामिला के सुनवाई का दौरान सरकारी गवाह आ वरिष्ठ आईपीएस अधिकारी अंजू गुप्ता कहली कि ढाँचा ढहावे में आईएसआईयो के भी कुछ तत्व शामिल हो जाये के अनेसा आईजी जोन का मीटिंग में जाहिर कइल गइल रहे. जिरह के दौरान अंजू गुप्ता मान लिहली कि सीबीसीआईडी उनकर बयान पढ़ के ना सुनवले रहुवे एहसे उनका नइखे मालूम कि कोर्ट मे् दिहल बयान आ ओह बयान में विसंगति काहे बा.

बिहार भाजपा के कमान सीपीठाकुर का जिम्मे

अश्विनी चौबे आ सुशील मोदी गुट का बीच चलत संग्राम के ठण्ढा करत बिहार प्रदेश भाजपा के अध्यक्ष डा॰सी॰पी॰ठाकुर के बना दिहल गइल जिनका नामपर दुनु गुट के कवनो खास आपत्ति ना रहे. ठाकुरो गडकरी का टीम में बढ़िया जगह ना मिलला से नाराज रहलें आ उनकरो संतुष्टि एह फैसला से हो गइल.

मोकामा में भइल अग्निकांड में एके परिवार के पाँच जने के मौत

मोकामा के मेकरा गाँव में नया टोला के एकबाल साह के घोनसार से उठल चिनगारी से देखते देखत आग लाग गइल आ अतना तेजी से पसरल कि दर्जनो घर स्वाहा हो गइली सँ. एह अग्निकाँड में एकबाल साह के पत्नी, दू गो पतोह, आ दु गो पोती के मौत हो गइल. एकबालो झँउस गइल बाड़े.

वीर कुंवर सिंह के जयन्ती मनावल गइल

काल्हु बलिया, आरा, गया, पटना समेत कई जगहन पर बाबू वीर कुंवर सिंह के जयन्ती मनावल गइल जवना में बाबू वीर कुंवर सिंह के बगावत के श्रद्धा से याद कइल गइल. १८५७ के क्रान्ति के महानायक बाबू कुंवर सिहं बुढ़ापा का बावजूद अंगरेजन से जम के लोहा लिहले रहलें. जनमानस में आजुवो उनकर छवि कायम बा बाकि सत्ता प्रतिष्ठान उनका के कबहू सही सम्मान ना दिहलस.

रेलवे में घपलाबाजी के मामिला सामने आइल

बिहार का समस्तीपुर में रेलवे में हो रहल घोटाला के एगो झलक सामने आइल बा जवना में चलत रेलगाड़ी के कंप्यूटर सिस्टम में रद्द देखा के इन्टरनेट से आरक्षण करावे वाली एजेन्सियन के लाखों के नाजायज आमदनी करावल गइल. टिकट के पइसा ओह लोग के वापिस मिल गइल जबकि टिकट पर सफरो हो गइल. कहल जा रहल बा कि अइसनका घोटाला देश के दोसरो हिस्सा में हो रहल बा.

मुख्यमंत्रियन समेत प्रमुख नेता लोग के फोन टेप करे के मामिला

संप्रग सरकार देश के मुख्यमंत्रियन समेत बड़का नेता लोग के फोन टेप करा रहल बिया एह बाबत खबर एगो पत्रिका में प्रकाशित भइल बा. एकरा बाद भाजपा नेता अहलूवालिया कहले बाड़े कि सरकार सोमार का दिने पूरा तइयारी का साथ आवे आ बतावे कि सही बात का बा. जिम्मेदार लोग के फोन टेप करावल बहुते खराब बात बा आ एकरा के बर्दाश्त ना कइल जा सके.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586