टटका खबर, शनि, ८ मई

by | May 8, 2010 | 0 comments

भई गति साँप छूछून्दर की रे

एगो कहावत हऽ भई गति साँप छूछू्न्दर की, उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी. दुविधा पर कहल ई कहावत आजुकला्ह झारखण्ड भाजपा पर सटीक बइठत बा. शिबू संप्रग सरकार का पक्ष में मतदान कइलें त संप्रग सरकार त बाच गइल, शिबू का सरकार पर खकतरा आ गइल. भाजपा समर्थन वापसी के एलान कर दिहलस. शिबू के सरकार बनवले राखे खातिर कांग्रेस का तरफ से अमंजस देख शिबू हथियार डाल दिहलन आ हेमन्त सोरेन भाजपा के आपन मुख्यमंत्री चुने के कह दिहलन. भाजपा आज तक मुख्यमंत्री ना चुन पवलसि बाकिर झामुमो का तरफ से नया नया शर्त लादल जा रहल बा. अब कहल जात बा कि मुख्यमंत्री का बाद भाजपा के कवनो मंत्री ना रही. अबहीं चार गो मंत्री बाड़े. कहता लोग कि झामुमो के विधायकन के समुझावे खातिर बेसी मंत्री पद के जरुरत बा. बड़ बड़ महारथी लोग चक्रव्यूह भेदे में लागल बाड़न. देखल जाव कवन नतीजा निकलत बा.

मेडिकल डेण्टल कालेजन के आधा पीजी सीट सरकारी होखी

राज्य के निजी मेडिकल आ डेण्तल कालेजन के आधा स्नातकोत्तर सीट सरकार द्वारा अधिसूचित सक्षम अधिकारी का माध्यम से आ आधा सीट प्रबन्धन अपना तरीका से भरीहें. अब ले कुल्हि सीट प्रबन्धने का लगे रहल ह. अब सरकार का कोटा में आइल सीट पर प्रतियोगिता का माध्यम से आइल विद्यार्थियन के प्रवेश दिहल जाई.

मेरिट से चुनाइल चाहे त आरक्षित कोटा माँग सकेला

केन्द्रीय लोक सेवा आयोग का सिविल परीक्षा में मेरिटो का बल पर आरक्षण के उपभोग करे वाला जाति के उम्मीदवार आरक्षित कोटा पर दावा कर सकेला. सुप्रीम कोर्ट एह बात के सही ठहरवले बा. मद्रास हाई कोर्ट एकरा के गलत कहले रहे. एह फैसला से आरक्षण के लाभ उठावे वाला कम मेरिट के उम्मीदवारन के नुकसान होखी काहे कि मेरिट पर चुनाइल उम्मीदवार कोटा के एगो सीट कम कर दी आ मेरिट का चलते सबसे बेहतर जगहो पा ली. हालांकि नैसर्गिक न्याय का मुताबिक कोर्ट के फैसला सही बा. आरक्षण के हकदार आदमी के बस एह बात पर ओह लाभ से वंचित ना कइल जा सके कि ओकरा लगे मेरिट बा!

शीला दीक्षित के जान से मारे के धमकी मिलल

दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के काल्हु कवनो आदमी फोन कर के धमकी दिहलस कि ऊ शीला के ७२ घंटा का भीतर जान से मार दीहि. एह कॉल का बाद शीला दीक्षित के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा आ अब उनका से मिले वाला लोग के गहन जाँच कइल जा रहल बा. एह धमकी का बावजूद मुख्यमंत्री रोज का तरह अपना काम में लागल रहली आ उनकर कवनो कार्यक्रम रद्द नइखे भइल.

जाति आधारित जनगणना करावे पर सरकार बुझात बिया

लालू आ मुलायम जइसन अपना समर्थकन के संप्रग सरकार नाराज कइल नइखे चाहत एहसे ऊ संकेत दिहले बिया कि जाति आधारित जनगणना हो सकेले आ एह पर विचार कइल जाई. जानकार लोगन के कहनाम बा कि सरकार के ई लालीपाप आपन परमाणु जोखिम विधेयक पारित करावे के कोशिश में देखल जाये के चाहीं जवना के संसद में पेश कर दिहल गइल बा आ अब ओकरा पर अगिला सत्र में विचार कइल जाई.

कनियवो के भाई दुलहवो के भाई

दुतरफा बात करे वालन पर कहल ई कहावत लालू मुलायम पर फिट बइठत बा जिनका के बझावे खातिर संप्रगो सरकार डोरा डालत बिया आ वामपंथिओ दल नाराज कइल नइखन चाहत. माकपा के सेन्ट्रल कमिटि का बयान में कटौती प्रस्ताव के विरोध करे वाला एह दुनु नेतवन का खिलाफ कुछ नइके कहल गइल जबकि बइठक में एह बात पर जम के बतकुच्चन होखला के खबर बा. माकपा के चुप्पी एह चलते बा कि एह दुनु जने के नाराज कर के ओकरा तीसरका मोर्चा ना बन पाई आ हिन्दी प्रदेशन में माकपा के विस्तारो में बाधा आई..

इंगलैन्ड के चुनाव परिणाम संसद के त्रिशंकु बना दिहलस

सरकार चलावत लेबर पार्टी के बहुमत ना मिलल आ कंजरवेटिव पार्टी के कहनाम बा कि जनता लेबर के नकार दिहले बिया आ ओकर मुख्य विपक्षी का नाते कंजरवेटिव पार्टी के सरकार बनावे के मौका मिले के चाहीं. बहुमत जुटावे खातिर लिबरल डेमोक्रेट के पटावे के कोशिश चल रहल बा. ६५० सदस्य वाला हाउस आफ कामन्स में कंजरवेटिव के ३०६ सीट आ लिबरल डेमोक्रेट के ५७ सीट मिलल बा. कंजरवेटिव नेता केमरुन सरकार बनावे के दावा पेश करे वाला बाड़न जबकि चुनाव में दुसरका जगहा आइल लेबरो पार्टी अबही हार नइखे मनले. भारत के संतोष अतने बा कि केहू के सरकार बनो भअरत ब्रिटेन का संबंध जस के तस रही.

माओवादियन का खिलाफ जनता सड़क पर उतरल

जब माओवादियन के हड़ताल से हालात बरदाश्त का बाहर हो चलल त जनता सड़क पर उतर गइल आ कहलस कि अड़तालिस घंटा का भीतर हड़ताल खतम करें माओवादी. बढ़त जनदबाव देख के माओवादी आपन ड़तला वापिस ले लिहलें. एही बीच अमेरिको माओवादियन से हड़ताल खतम करे के कहले रहुवे.

काल्हु सबेरे आइल आँधी पानी से पैंतीस से बेसी लोग मरल

काल्हु शुक का सबेरे आइल आँधी बरखा में बिहार आ पूर्वांचल दुनु जगहा व्यापक तबाही के खबर बा. बिहार के अलगा अलगा जगहा से कुल मिला के सत्रह आदमी के मौत के खबर बा. जौनपुर बलिया बनारस सोनभद्र वगैरह से करीब सतरह लोग के मरे के खबर बा. काल्हु बुझात रहे कि आसमाने फाट गइल बा. बलिया में वज्रपात, ठनका गिरला, से चार आदमी के मौत हो गइल

गैस के दाम सरकार तय करी

मुकेश अंबानी आ अनिल अंबानी का झगड़ा में मुकेश के तरफदारी करे वाली केन्द्र सरकार के काल्हु कोर्ट से समर्थन मिल गइल जब कोर्ट कहलसि कि देश के प्राकृतिक संसाधन देश के संपत्ति ह आ एकर दाम आ इस्तेमाल के अधिकार के अन्तिम फैसला के अधिकार केन्द्र सरकार का पाले बा. एह फैसला से मुकेश के कंपनी का दाम में ७५०० करोड़ के बढ़ोतरी भइल जबकि अनिल के कंपनी का दाम में ९००० करोड़ के गिरावट आ गइल. अगिला कुछ दिन ले ई दौर बरकरार रहे के अनेसा जतावल जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up