pub-4188398704664586

टटका खबर, शुक, १६ अप्रैल

by | Apr 16, 2010 | 0 comments

सरकार आपन ताकत देखवलसि

केन्द्रीय मंत्री शशि थरुर से अझूराए वाला ललित मोदी पर अब सरकार के नजर टेढ़ हो गइल बा. काल्हु आईपीएल आफिस पर आयकर विभाग के छापा पड़ल जवना में अधिकारी ई बात जानल चाहत रहलें कि टीमन के पइसा केने से आवत बा आ कइसे आवत बा. वइसे शरद पवार एह मामिला में ललित मोदी के पक्ष लिहले बाड़े. खेल मंत्री गिल कहले बाड़े कि आईपीएल क्रिकेट ना हऽ पइसा कमाये के धंधा भर ह आ एह गोरखधंधा के बढ़िया से जाँच होखे के चाहीं.

नक्सली मुद्दा पर चिदम्बरम टाँठ भइले

सोनिया गाँधी आ मनमोहन सिंह से समर्थन पा के गृह मंत्री संसद में पूरा टाँठ हो गइलें आ उनका रीति नीति के आलोचना करे वालन के दो टूक कहलन कि नक्सली मुद्दा पर रोमांटिक होखला के जरुरत नइखे. ओकनी के मकसद अब खुला बा आ ऊ सत्ता पर काबिज होखे के कोशिश कर रहल बाड़े. जरुरत बा ओकनी का साथ पूरा कड़ाई करे के. भाजपा के सांसद नक्सलियन से निबटे के चिदम्बरम के प्रयास के समर्थन कइलें बाकिर कहलें कि कांग्रेस में अधिया माओवादी भरल पड़ल बाड़े जवना चलते सरकार पूरा ताकत से नक्सलियन से निबट नइखे पावत.

लड़कियन के तलाशी लेबे वाला मास्टर लोग के विरोध का बाद मारपीट

बनारस के कृषक इंटर कालेज में संस्कृत व्याकरण का परीक्षा का दौरान मास्टर साहब लोग लड़कियन के जामा तलाशी लिहल शुरु कर दिहल त परीक्षार्थी आ अभिभावक एह बात के विरोध कइलें. जवना का बाद मास्टरन के साथे ओहलोग के गुण्डो जुड़ गइलें आ परीक्षार्थियन के दउड़ा दउड़ा के पीटलें. असल बात रहे कि मास्टर साहब लोग प्रति परीक्षार्थी पाँच सौ रुपिया सुविधा शुल्क माँगत रहे जवन देबे के परीक्षार्थी तइयार ना रहलें.

भोजपुरी के भीष्म पितामह द्रोपदी के चीरहरण के खिलाफ खड़ा भइलें

महाभारत के भीष्मपितामह त अपना राजभक्ति का चलते भरल सभा में हो रहल द्रोपदी के चीर हरण के विरोध ना कर पवलें बाकिर भोजपुरी के भीष्म पितामह कहल जाये वाला भरत शर्मा व्यास तय कइले बाड़ें कि भोजपुरी नाम के द्रोपदी के चीरहरण ना होखे दीहें. काल्हु बलिया में पत्रकारन से बातचीत में कहलें कि भलही अश्लीलता का खिलाफ उनकर अभियान देर से शुरु भइल बा बाकिर अब रुकी ना चलते रही जबले भोजपुरी से अश्लीलता के खात्मा ना कर दीहें. कहलन कि अश्लील गीत गावे वालन के साकाजिक वहिष्कार करावल जाई.

मम्मी के बेटा कतनो मेहनत कर लेस कांग्रेस के डूबत नईया बचा ना पइहें

बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य कहले बाड़ें कि ६३ साल ले देश में सरकार चलावल लोग तब त दलित गरीब अल्पसंख्यकन के कल्याण ना कर पावल लोग त अब कांग्रेस के दाल नइखे गले वाला. मौर्या के बात मानीं त कहलें कि राहुल का सभा में बमुश्किल दस हजार लोग आइल होखी.

बिहार में सत्तर हजार शिक्षकन के बहाली जून में

प्राथमिक विद्यालय के शिक्षक बने के अभ्यर्थी लोग खातिर खुशखबरी बा कि ओह लोग के प्रमाणपत्र सत्यापन के काम लगभग पूरा हो चुकल बा आ जून में सत्तर हजार लोग के नियुक्ति पत्र दे दिहल जाई.

जबरा मारबो करे आ रोवहु ना देव

बिहार का बगहा में मुड़ाडीह गाँव के एगो दलित लड़की का साथे दुराचार करे वाला मनबढ़ थाना में शिकायत दर्ज करवला का बाद ओकर माथ के केश काट के भर गाँव घुमवलन सँ आ केहू के हिम्मत ना भइल कि एह अत्याचार के विरोध कर सके. पुलिसो अपने चाल में चलत बिया आ केहू के गिरफ्तारी के खबर नइखे.

बसपा नेता के हत्या का मामिला में चार जने गिरफ्तार

पुरान रंजिश का चलते गोण्डा के बसपा नेता हनुमान शरण शुक्ल के अम्बेडकर जयन्ती का दिने भरल सभा में मंच पर गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. पुलिस अब एह मामिला में चार आदमी के गिरफ्तार कर के पूरा मामिला के खुलासा कर दिहले बिया. गिरफ्तार आरोपियन में एगो बालकृष्ण मिश्रा के पिता उमाशंकर मिश्रा के हत्या के मुख्य आरोपी रहलें ऊ बसपा नेता.

युलिप विवाद में सेबी सुप्रीम कोर्ट चहुँपल

१४ गो कंपनियन के युलिप कारोबार पर रोक लगावे वाली सेबी खुदे सुप्रीम कोर्ट चहुँप गइल जबकि प्रभावित कंपनी अबही कोर्ट जाये के तइयारिये करत बाड़ी सँ. सेबी के आदेश का बाद ८ कंपनी नया युलिप पालिसी जारी ना कर पइहें . हँ पुरनका पालिसी पर जमा ले सकेलें. ओने इरडा कहले बा कि ऊ लोग आपन कारोबार चलावत रहे.

दिल्ली के डेयर डेविल्स जीतलें

आईपीएल तीन में लगातार तीन गो मैच हरला का बाद काल्हु का मैच में चेन्नई सुपर किंग्स के हरा के दिल्ली डेयर डेविल्स अंकतालिका में तीसरका जगहा पर काबिज हो गइल. सेमीफाइनल खेले वाला चार गो टीम के फैसला अबही तक फाइनल नइखे हो पावल आ उलटफेर के गुंजाइश बाँचल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586