टटका खबर, शुक, २३ अप्रैल

by | Apr 23, 2010 | 0 comments

मेडिकल काउन्सिल के अध्यक्ष घूस लेबे का आरोप में गिरफ्तार

मेडिकल काउन्सिल आफ इण्डिया के अध्यक्ष केतन देसाई के एगो मेडिकल कालेज के मान्यता दिलवावे खातिर दू करोड़ रुपिया घूस माँगे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. साथ में उनकर सहयोगी जितेन्द्र पाल सिंह के दू करोड़ रुपिया घूस का साथे पकड़ लिहल गइल. एगो अउरीओ डाक्टर कंवलजीत सिहं के गिरफ्तार कइल गइल बा. कई जगहा छापा मारल जा रहल बा आ कुछ अउरी लोग गिरफ्तार हो सकेलें.

परसो दिल्ली में भाजपा बहुत दिन बाद कवनो प्रभावकारी प्रदर्शन कइलस

भाजपा अपना नया अध्यक्ष नीतिन गडकरी का नेतृत्व में एगो बहुते बड़हन प्रदर्शन दिल्ली में कइलस जवना के मुद्दा कवनो भावनात्मक मुद्दा ना होके आम आदमी का साथ जुड़ल महँगाई के मुद्दा रहुवे. एह प्रदर्शन में भाजपा के सगरी बड़का नेता मौजूद रहलें. ना आवे वाला में नरेन्द्र मोदी आ येदुयुरप्पा के गैर मौजूदगी सबका ध्यान में आइल. काल्हु पत्रकारन से बिहार के शाटगन कहलन कि उनका के ढंग से ना बोलावल रहे एहसे ना गइलन. भाजपा के नुकसान चहुँपावे वाला अइसनके नेता हउवें जिनका अपना बारे में बड़हन गलतफहमी बा.

सेक्स सकैण्डल में पकड़इले नित्यानन्द

तमिलनाडु के टीवी चैनल नित्यानन्द स्वामी के एगो तमिल अभिनेत्री का साथे आपत्तिजनक हालत में देखवला का बाद नित्यानन्द स्वामी एक महीना से गायब रहलन आ पुलिस उनका तलाश में रहुवे. बुध का दिने उनका के हिमाचल प्रदेश के सोलन में गिरफ्तार कर लिहल गइल जहाँ उनका कहलानुसार ऊ एकांतवास में रहलें. अपना पर लगावल जा रहल सगरी आरोपन के नित्यानन्द स्वामी झूठ बतावत बाड़े आ कहत बाड़े कि फोटो मार्फ कर के देखावल गइल बा.

यूपी में एह साल कवनो तबादला ना होखी

काल्हु यूपी कैबिनेट तबादला नीति के स्वीकृति दे दिहलस जवना में कहल गइल बा कि अगिला एक साल ले कवनो सरकारी कर्मचारी के तबादला ना कइल जाई. बाकिर संगही संगे सबके आगाहो कइल गइल बा कि ई नीति मुख्यमंत्री का मर्जी पर निर्भर बा आ ऊ जब चहीहें, जेकरा के चहीहें, जहवाँ चहीहें तबादल कर सकेली. बुझाइल कुछ? कवनो गलतफहमी नइखे नू रह गइल?

आजु बाबू वीर कुंवर सिंह के विजयोत्सव मनावल जा रहल बा

अस्सी साल के भोजपुरिया जवान आ देश के पहिलका स्वतंत्रता संग्राम के योद्धा बाबू वीर कुँवर सिंह के विजयोत्सव कई जगहा मनावल जा रहल बा. काल्हु एकरा पूर्व संध्या पर आरा में आयोजित कार्यक्रम में माँग कइल गइल कि आरा स्टेशन के नाम बाबू वीर कुंवर सिहं का नाम पर कर दिहल जाव आ संसद में उनकर घोड़ा चढ़ल प्रतिमा लगावल जाव.

आईपीएल पर जेपीसी माँगत विपक्ष के संसद में हंगामा

आजु देश का संसद में क्रिकेट के दलदल आईपीएल के लेके बहुते बवाल भइल.विपक्ष एह मामिला के जाँच करावे खातिर संयुक्त संसदीय समिति गठित करावे के माँग करत रहे जवना से सरकारी पक्ष सहमत ना रहे. एह चलते संसद के दुनु सदन के दु हालि स्थगित करे के पड़ गइल. एह पचड़ा में अब शरद पवार आ प्रफुल्ल पटेलो के नाम आवे लागल बा.

केन्द्र सरकार के एगो मंत्री कई दिन से गायब बाड़े आ सरकार लीपापोती में लागल बिया

द्रमुक का कोटा से मंत्री बनल एम के अलागिरी सरकार बनला का बाद से अबले एकहू दिन अपना मंत्रालय से जुड़ल सवाल के जवाब देबे सामने नइकन आइल. कई गो सांसद त उनकर मुँह तकले नइखन देखलें. सरकार के कहनाम बा कि मंत्री गैरहाजिर रह सकेला आ ओकरा बदले राज्य मंत्री सवालन के जवाब दे सकेलें.

बिजली संकट आ भयंकर गर्मी से काम कइल मुश्किल भइल बा

दु दिन से पड़ रहल भयंकर गरमी का चलते तबियत खराब बा आ काम कइल संभव नइखे हो पावत. एहसे रउरा सब के नया सामग्री नइखीं दे पावत.

सरकारी बैंकन के १५ हजार करोड़ नया पूंजी देबे के घोषणा

सरकारी बैंकन के पूंजी में पन्द्रह हजार करोड़ रुपिया बढ़ावे के केन्द्र सरकार घोषणा कइले बिया. एहसे बैंक आर्थिक विकास में आपन समुचित योगदान दे पइहें. एह पूंजी का सहारे रोजगार पैदा करे वाली योजना के ऋण दिहल जाई.

बोर्ड बतावे के तइयार नइखे कि आईपीएल के समापन समारोह में के शामिल होखी

अचानके में आईपीएल के छवि अतना खराब हो गइल बा कि केहू ई बतावे के तइयार नइखे कि काल्हु होखे हा रहल पुरस्कार समारोह में बोर्ड के कवन कवन अधिकारी शामिल होखीहें. कहल जा रहल बा कि विवाद में घेरइला आ मूड़ी पर बर्खास्तगी के लटकत तलवार का बावजूद ललित मोदी एह कार्यक्रम में शामिल होखीहन आ समापन भाषण दिहन. केकर समापन होखे जा रहल बा ई त बाद में पता चली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up