टटका खबर, सोमार, १९ जुलाई

by | Jul 19, 2010 | 0 comments

रेल दुर्घटना के कारण पर रेलमंत्री के संदेह बा

आजु अधरतिये में करीब दू बजे पश्चिम बंगाल के सैंथिया स्टेशन पर खड़ा वनांचल एक्सप्रेस का पाछा से आइल उत्तरबंगा एक्सप्रेस जोरदार टक्कर मार दिहलसि जवना से पीछे के तीन गो बोगी चकनाचूर हो गइल. दुर्घटना में कम से कम एकसठ आदमी मर गइलें आ करीब पौने दू सौ लोग घवाहिल हो गइल. मरे वालन आ घवाहिलन के संख्या में इजाफा हो सकेला काहे कि राहत के काम धीरे धीरे चलत बा. धक्का अतना जोरदार रहुवे कि एगो डिब्बा उधिया के रेललाइन पर बनल सड़क के उपरीपुल पर चल गइल. ममता एह घटना का कारण संदेह वाला मानत बाड़ी. उनका एहू में वामपंथी षडयंत्र बुझात बा शायद. जबकि बेसी संभावना इहे बा कि ड्राइवर सूतत होखी भा झोंक में होखी.

पौने छह लाख प्रवासियन के मिलल ओसीआई

योजना लागू होखे का चार साल का भीतर ९१ देश में रह रहल भारतीय मूल के विदेशी नागरिक भारत के ओवरसीज सिटिजेन कार्ड ले चुकल बाड़े. एह कार्ड के लेबे वाला के भर जीवन के वीजा मिल जाला, ऊ जब चाहे भारत आ सकेला, जतना दिन चाहे ठहर सकेला, अइला पर थाना में हाजिरी दर्ज करवला के जरुरत ना पड़े. पता ना एहमें कतना ऊ लोग बा जे पाकिस्तान चल गइल आ फेरु ओहिजा से दोसरा देश में जा के ओहिजा के नागरिकता ले लिहल. बाकिर ओवरसीज कार्ड केहू के नागरिक अधिकार ना देव, ऊ चुनाव ना लड़ सकस, संपत्ति ना कीन बेसाह सकस, ना ही कवनो संवैधानिक पद ले सकस.

अमेरिका के तेल लीक के इलाज भारत का लगे बा

बराक ओबामा परेशान बाड़न कि मेक्सिको का खाड़ी में पसरल तेल से होखे वाला नुकसान के कइसे कम कइल जाव बाकिर भारत एह तरह के नुकसान से निश्चिंत बा. ओकरा लगे आयलजैपर नाम के चार गो बैक्टेरिया से बनल मिश्रण मौजूद बा जवना के पसरल तेल का उपर छीट दिहल जाव त धीरे धीरे सगरी तेल के ऊ बैक्टेरिया खा जइहें आ जमीन फेर उपयोग लायक बन जाई. एह आयल जैपर के पेटेंट भारत के वैज्ञानिक बनवारी लाल का नामे बा जे भारत के पर्यावरण आ उर्जा थिंकटैंक टेरी में बाड़े.

इन्टरनेट पर के दोस्ती महँग पड़ल कानून के छात्रा के

मुंबई के एगो लॉ स्टूडेन्ट इन्टरनेट पर एगो आदमी से दोस्ती कर लिहली जे अपना के एगो बिजनेसमैन बतावत रहे. दोस्ती जमीन पर आइल आ एकाध बेर भेंटो मुलाकात भइल. भेंट मुलाकात सीमा से बहरी गइला का बाद लड़की के पता चलल कि ऊ आदमी शादी शुदा आ बाल बच्चेदार बा आ एगो वकील के ड्राइवर ह. ऊ अलगा होखे के चहलस त ऊ आदमी ओकरा के ब्लैकमेल करे लागल. मजबूरन ऊ लड़की एगो ट्रेन का आगा कूद के जान दे दिहलसि. ओकरा पर्स में मिलल सुसाइड नोट से ओह आदमी का बारे में पता लागल त पुलिस रावल नाम के ओह आदमी के गिरफ्तार कर लिहलसि.

पटना के जरुरत बा मेट्रो रेल के

पटना में गंगा किनारे पटना सिटी से लेके दानापुर ले मुंबई का मेरीन ड्राइव का तरह के सड़क बनावे के बिहार सरकार के फैसला काबिले तारीफ बा बाकिर लोग ओहसे बेसी चाहत बा. लोग चाहत बा कि पटना के मेट्रो रेल के सेवा दिहल जाव. एक बेर एकरा खातिर परीक्षणो भइल रहे बाकिर पता ना ओकर का नतीजा निकलल. अगर गंगा नदी का किनारे से मेट्रो लाइन निकाल दिहल जाव त पटना के ट्राफिक समस्या से निजात मिल सकी. पटना दीघा रेल लाइन जब गंगापुल से जुड़ जाई त पटना पर ट्राफिक के दबाव अउरी बढ़ जाये वाला बा. समय रहते कुछ कइल जरुरी बा.

भोपाल हास्पीटल ट्रस्ट के केन्द्र सरकार के अधीन कइल गइल

भोपाल गैस दुर्घटना के पीड़ितन खातिर स्थापित भोपाल मेमोरियल हास्पीटल ट्रस्ट के अधिग्रहण करे के अनुमति सुप्रीम कोर्ट आजु दे दिहलस आ पूर्व मुख्य न्यायाधीश ए॰एम॰अहमदी ट्रस्ट का चेयरमैन पद से आपन इस्तीफा दे दिहलन. उनकर इस्तीफा सकार लिहल गइल बा. भोपाल हास्पीटल ट्रस्ट का लगे छह गो अस्पताल, नौ गो डेकेयर सेन्टर, आ तीन तीन गो युनानी, होम्योपैथिक, आ आयुर्वेदिक दवाखाना बा. अब एकर संचालन बायोटेक्नालाजी विभाग आ परमाणु उर्जा विभाग मिलजुल के करी आ एकरा के सुपर स्पेशिलिटी रिसर्च हास्पीटल का तरह विकसित कइल जाई.

दिल्ली पुलिस आ मेट्रोपोलिटन काउन्सिल भ्रष्टाचार के अखाड़ा बा

दिल्ली सरकार के भ्रष्टाचार विरोधी शाखा के कहनाम बा कि दिल्ली पुलिस आ मेट्रोपोलिटन काउन्सिल भ्रष्टाचार के अखाड़ा बन गइल बा. पिछला तीन साल का दौरान दायर मुकदमा के संख्यन में सबले बेसी मुकदमा दि्ल्ली पुलिस का खिलाफ दायर भइल बा. एमसीडी दुसरका नम्बर पर बा. दुनु के प्रवक्ता के कहना बा कि ऊ लोग भ्रष्टाचार खतम करे खातिर हमेशा लागल बा.

नेपाल के प्रधानमंत्री पद के चुनाव दू दिन में

नेपाल के संविधान सभा के ६०१ सदस्य नेपाल के ३४ वाँ प्रधानमंत्री, आ पिछला दु साल में तीसरका, चुने खातिर बुध का दिने मतदान करीहें. सर्व सम्मत चुनाव के सगरी संभावना खतम हो चुकल बा आ अबहियो ओहिजा के दूनो बड़हन पार्टी, माओवादी आ नेपाली कांग्रेस, आपन आपन उम्मीदवार के जितावे के पूरा कोशिश में लागल बाड़े. नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार रामचन्द्र पौडियाल होखीहें बाकिर माओवादियन के उम्मीदवार अबही ले तय नइखे. माओवादियन में भितरे भीतर सुगबुगाहट बा कि प्रचण्ड का बदला भट्टराई के उम्मीदवार बनावल जाव.

एलसीडी टीवी सेगमेन्ट में दाम के लड़ाई शुरु

पानासोनिक अपना ३२ इंच वाला एलसीडी टीवी के दाम चौबिस हजार रुपया कर के एह सेगमेंट में बड़हन प्राइस वार के शुरुआत कर दिहले बा. अब मजबूरन दोसरो टीवी वालन के आपन दाम घटावही के पड़ी. खुला बाजार के इहे खासियत होला कि ग्राहक जीते खातिर ग्राहक के फायदा के बात कइल जरुरी होला. जबले केहू के मोनोपोली ना होखे तबले बाजार ठीके रहेला. टेलीफोन सेक्टर एकर बड़हन उदाहरण बा. जब घराघरी के कहो देहादेही फोन हो गइल बा. घर के पाँच संवागन का बीच कबो कबो दस पन्द्रह गो मोबाइल होखेला.

खेल का दुनिया से

भारत श्रीलंका का बीच पहिलका टेस्ट मैच शुरु हो गइल. काल्हु पहिला दिने श्रीलंका दू विकेट का नुकसान पर २५६ गो रन बनवलसि. आजु पूरा दिन बरखा का चलते खेल ना हो सकल.

भारत के टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देववर्मन अमेरिका के एप्टोस में एटीपी चैलेंजर टूर्नामेंट का सेमीफाइनल मैच में अमेरिका के डोनाल्ड यंग से हार गइले.

भारत के हॉकी टीम पेरिस में फ्रांस का साथ हो रहल टेस्ट मैच में फ्रांस के चार बनाम तीन गोल से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up