टटका खबर, सोमार, ३१ मई

by | May 31, 2010 | 0 comments

कवनो राह बाचल ना देख शिबू इस्तीफा दिहलें

आखिरी क्षण तक उम्मीद लगा के बइठल शिबू सोरेन का तरफ से काल्हु दिन में अपील जारी भइल कि विधायक लोग पार्टी से उपर उठ के राज्य का हित में शिबू सरकार का पक्ष में मतदान करस. बाकिर जब कवनो सुगबुगाहट ना सुनाइल त देर रात राज्यपाल से मिल के शिबू सोरेन आपन इस्तीफा सँउप दिहलें. राज्यपाल उनका के अगिला व्यवस्था होखे तक सरकार चलावे के कहलें.

जाति ना गिनाई त केन्द्र सरकार के गिरा दिहल जाई

यादव तिकड़ी के तीसरको नेता के बयान आइये गइल कि जाति का आधार पर जनगणना ना भइल त केन्द्र सरकार के गिरा दिहल जाई. लालू कहलें कि एह मसला पर कवनो बहस के गुंजाइश नइखे बाचल. जब बाघ शेर के गिनती हो सकेला त जाति गिने में का दिक्कत बा. कहले कि जाति व्यवस्था समाज के सच्चाई बा. हर जगहा जाति मौजूद बा. इहो कहलें कि अंगरेज कवनो बेवकूफ ना रहले कि जाति गिनवावत रहलें. खैर लालू के कुतर्क से सहमत भइला बिना कहल जा सकेला कि मौजूदा माहौल में जाति गिनवा लेबे में कवनो नुकसान नइखे. जवन नुकसान हो सकेला ऊ होइये रहल बा.

अमर सिंह माफी मँगले

सपा से निकालल नेता पूर्वांचल राज्य बनाओ. क्षत्रिय स्वाभिमान लौटाओ वगैरह करत आखिर में अपना औकात पर आइये गइलें आ मायावती आ कांग्रेस से माफी मँगले बाड़े कि गलतफहमी में ओह लोग का खिलाफ बयानबाजी करत रहलें. अरे सीधे जा के साष्टांग दण्डवत कर लऽ अमर सिहं. केहू के अन्तर नइखे पड़े वाला कि अपने कवना तरफ बानी. एह जुबानी माफी मँगला से काम नइखे चले वाला. केहू रोटी नइखे फेंके जा रहल अपने के तरफ. एको गो देवी जी पट गइली त उद्धार हो जाई, दुनु के पटावे के कोशिश में केनियो के ना रह जायब.

पश्चिम बंगाल में नगरपालिका चुनाव संपन्न

काल्हु पश्चिम बंगाल में नगरपालिकन के चुनाव संपन्न हो गइल. तीनतरफा चुनाव में के जीत ले जाई बतावल मुश्किल बाब. बाकिर अतना अनुमान लगावल जा सकेला कि कांग्रेस आ तृणमूल के एकजुट ना होखला का चलते वामपंथ कुछ फायदा में रही. कांग्रेस आ तृणमूल में से केकरा बेसी नुकसान होखी से २ जून के पता चल जाई जहिया मतगणना होखे वाला बा. एह चुनाव के परिणाम विधानसभा चुनाव के रुपरेखा बता दी.

नक्सलियन का तरफ से सरकार के अभयदान मिलल

ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस दुर्घटना का बाद नक्सलियन के हो रहल चौतरफा आलोचना आ नक्सली समर्थक बुद्धिजीवियन के मुँह ना कुल पवला का चलते नक्सली मान लिहलें कि गलती हो गइल. कहले बाड़े सँ कि अब ट्रेन पर हमला ना कइल जाई. सरकार बेखौफ हो के रेल चलावे. कहले बाड़न सँ कि एह दुर्घटना में ओकनी के हाथ ना रहे. नक्सली बयान में कहल गइल बा कि ऊ कबो आम आदमी पर हमला ना करस. रात में ट्रेन चलावल बन्द करे के कवनो जरुरत नइखे. कवनो ट्रेन पर अब नक्सली हमला ना होखी.

आर्ट आफ लिविंग के संस्थापक रविशंकर पर फायर

बेंगलूर में आर्ट आफ लिविंग के संस्थापक श्रीरविशंकर का कार पर उनकर एगो भक्त गोली चला दिहलस जवना में ऊ बाल बाल बच गइले. गोली उनका एगो भक्त का जाँघ में लागल जवन खतरा के बाहर बा. गोली चलावे वाला श्रीरविशंकर के भक्तन का भीड़ में शामिल रहुवे आ गोली चलवला का बाद फरार हो गइल. एह घटना का बाद से उनका आश्रम के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा.

भाजपा के मुख्यमंत्रियन के क्लास लीहें नरेन्द्र मोदी

अगिला हफ्ता से मुंबई में भाजपा के मुख्यमंत्रियन आ मंत्रियन के क्लास लिहल जाई जहाँ ओह लोग के पढ़ावल जाई कि बढ़िया प्रशासन कइसे चलावल जाव. बेसी जोर एह पर रही कि जनता से नियमित संपर्क कइसे बनावल राखल जा सकेला. एह प्रशिक्षण वर्ग में नरेन्द्र मोदी मुख्य वक्ता रहीहें. छत्तीसगढ़ के मुख्य मंत्री जनवितरण प्रणाली सुचारु ढंग से चलावे के तरीका बतइहें. एह प्रशिक्षण वर्ग के उद्घाटन नीतिन गडकरी करीहें आ लालकुष्ण आडवाणी समापन भाषण दीहें. सुषमा स्वराज आ जेटलीओ मौजूद रहीहें एह वर्ग में जवन संघ का निर्देश पर आयोजित भइल बा.

शुद्ध उच्चारण खातिर देवनागरी से बेहतर लिपि नइखे

बतावल जात बा कि अपना चीन यात्रा पर जाये से पहिले राष्ट्रपति ओहिजा के नाम के शुद्ध उच्चारण करे खातिर सगरी नाम देवनागरी में लिखवा मंगले रहली आ ओकर अभ्यासो कइली. देवनागरी लिपि के खासियत होला कि जवन लिखल जाला उहे पढ़ल जाला. रोमन भा दोसरा लिपियन में ई सुविधा नइखे. बाकिर देवनागरी लिपि का बावजूद भोजपुरी के सही उच्चारण अभ्यास खोजेला. कारण कि बहुत भोजपुरी ध्वनि खातिर देवनागरी में वर्ण मौजूद नइखे. उदाहरण खातिर अर्धह्रस्व उ इ आ दीर्घ आ भोजपुरी के खासियत ह.

सेनूर डाल ना त गोली खो

बिहार के अपहरण उद्योग में सबसे प्रचलित विभाग ह शादी खातिर होखे वाला अपहरण. एह साल अबले कम से कम साढ़े तीन सौ अपहरण शादी खातिर हो चुकल बा. खात पियत परिवार के तेज तर्रार लड़िकन के अपहरण के खतरा बेसी होला आ एह अपहरण में अक्सर जान पहिचान वाला नाते रिश्तेदार शामिल रहेलें. लड़की वाला का घरे शादी के पूरा तइयारी रहेला आ लड़िका के अपहरण करा के ले अइला का बाद शादी के विधिवत रस्म करा के सिन्दूरदान करा लिहल जाला. ओकरा बाद लड़िका के परिवार आशिर्वाद दिहल छोड़ कुछ अउर ना कर सके. काहे कि जवन आदमी अतना करा लिहलसि ऊ अपना बेटी खातिर कुछ अउरियो कर सकेला एकर डर हमेशा बनल रहेला.

श्रीलंका के सात विकेट से हरा दिहलस भारत

सगरी अंदाज फेल करत भारत काल्हु श्रीलंका टीम के एक दिना मैच में हरा दिहलस. बाकिर क्रिकेट में होखेवाला काला धंधा का चलते सही सही अनुमान कबो ना लगावल जा सके. कब कवन पार्टी जीत जाई, कवन हार जाई एकर सबले सही पता शायद सट्टेबाजन का लगे रहत होखी. काल्हु का मैच में जीत का अलावे भारत एगो दोसर रिकार्ड बना लिहलस. अब सबसे बेसी एकदिना मैच खेलेवाला देश भारत बन गइल बा. एकरा पहिले ई जगहा आस्ट्रेलिया का नामे रहुव. तीसरका जगहा पर पाकिस्तान बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up