फेसबुक के सीईओ मार्क ज़ुकेरबर्ग नई दिल्ली में प्रधानमंत्री  नरेन्द्र मोदी से भेंट करत
फेसबुक के सीईओ मार्क ज़ुकेरबर्ग नई दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेंट करत
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु उच्चतम न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति एच एल दत्तू आ रिटायर भइल मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति आर एम लोढा के सम्मान में रात्रिभोज दिहलन.
  • सोशल नेटवर्किंग साइट फेसबुक के संस्थापक आ मुख्य कार्यकारी अधिकारी मार्क जुकरबर्ग आजु देर साँझ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से भेंट कइलन आ डिजिटल इंडिया कार्यक्रम का साथ ही देश में सोशल नेटवर्किंग साइट के गवर्नेस में उपयोग बढावे पर चरचा कइलन.
  • आजमगढ जिला के बरदह इलाका में एगो औरत के लाश कोठरी में लटकत मिलल. नइहर के लोग ससुरालियन प दहेज हत्या के केस कइलन.
  • जम्मू कश्मीर में कठुआ जिला प्रशासन पाकिस्तानी फायरिेंग का चलते राहत शिविरन में रहत मेहरारुवन के करवाचौथ खातिर जरूरी सामान के पैकेट मुहैया करावे के आदेश दिहलसि.
  • उप राष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी आ राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सर संघ चालक मोहन भागवत आजु हिन्दू धर्म. संस्कृति. सभ्यता आ जीवन दर्शन के विश्व कोष ‘एनसाईक्लोपीडिया आफ हिन्दुईज्म’ के अंतर्राष्ट्रीय संस्करण के लोकार्पण कइलन.
  • गुजरात में भुज के एगो भठियरपन रोके वाला अदालत निलंबित आईएएस अधिकारी प्रदीप शर्मा के जमानत अर्जी खारिज क दिहलसि.
  • रोहतास जिला के डालमिया नगर इलाका में आजु कुछ बदमाश एगो शिक्षक से डेढ़ लाख रूपिया लूट लिहले.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय आगरा से नोएडा तक जाए वाला यमुना एक्सप्रेस वे के टोल फ्री करे के माँग करे वाली याचिका खारिज कर दिहलसि.
  • कांग्रेस मोदी सरकार पर मनरेगा के कमजोर करे के आरोप लगावत कहलसि कि एहसे गाँव के लोग में बेरोजगारी बढ़ जाई.
  • केन्द्र सरकार ई रिक्शा खातिर नया कायदा कानून जारी क दिहलसि. अब चालक का लगे लाइसेंस जरुरी होई आ रफ्तार हर घंटा 25 किलोमीटर से कम राखे के पड़ी. चार गो से बेसी सवारी ना बइठीहें.
  • हरियाणा के मुख्यमंत्री रहल आ इंडियन नेशनल लोकदल प्रमुख ओम प्रकाश चौटाला के काल्हु शनिचर का दिने तिहाड़ जेल में आत्मर्समपण करे के आदेश दिहलसि दिल्ली उच्च न्यायालय.
  • चुनाव आयोग कहलसि कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के आल इंडिया रेडियो से सुनावल राष्ट्र के नाम संबोधन से आदर्श चुनाव आचार संहिता नइखे लंघाइल.
  • देश खातिर खूबे विदेशी मुद्रा कमाए वाला कालीन मेला आजु वाराणसी के सम्पूर्णानन्द संस्कृत विश्वविद्यालय प्रांगण में शुरू हो गइल.
  • इंचियोन एशियाई खेल में कांस्य पदक जीते वाली एथलीट सुधा सिंह अपना पति से तलाक लेबे के फैसला लिहली. पति पर ताड़ना देबे आ करियर खराब करे के आरोप लगवली.
  • राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी समेत देश भर के अनेके नेता शांति के नोबल पुरस्कार जीते वाला कैलाश सत्यार्थी के बधाई दिहलन.
  • लोक जनशक्ति पार्टी कहलसि कि झारखंड मे विधानसभा के चुनाव ऊ भारतीय जनता पार्टी संगे गठबंधन क के लड़ल चाही.
  • पटना में विजयादशमी का दिने भइल भगदड़ में मरे आ घवाहिल होखे वाला लोग खातिर अनुग्रह राशि आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी का कार्यालय से जारी क दिहल गइल.
  • उत्तर प्रदेश के जौनपुर जिला के सदन तहसील इलाका के निवासी आ आजादी के लड़़वैया रहल पंडित हरदेव मिश्र के आजु साँझ निधन हो गइल.
  • शांति के नोबेल पुरस्कार जीते आ बाल अधिकार खातिर काम करे वाला कैलाश सत्यार्थी एकरा के बाल अधिकार के जीत बतवले आ कहले कि अब उनकर लडाई अउरी तेज हो जाई.
  • अपना जोरदार मेहनत से कैलाश सत्यार्थी नाहियो त अस्सी हजार से अधिका बाल मजदूरन के आजाद करवले बाड़न. एही काम ला उनुका के आ पाकिस्तान के मलाला के नोबल पुरस्कार खातिर चुनल गइल बा.
  • गुजरात में सूरत का लगे उधना रेलवे यार्ड मे खड़़ा सूरत पटना प्रीमीयम एक्सप्रेस ट्रेन के दू गो एसी डिब्बा के आग लगला से नुकसान भइल बा.
  • इंफोसिस के तिमाही परिणाम उम्मीद से बढ़िया रहला का बावजूद विदेशी बाजारन के देखा देखी आजु मुंबई सेन्सेक्स जोरदार गिरावट का साथे बन्द भइल आ काल्हु के तेजी एह गिरावट में बिला गइल.
  • उत्तर प्रदेश में गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में काल्हु रात कुछ बदमाश एगो सर्राफा व्यवसायी से लाखों रुपिया के गहना आ नगदी लूट लिहले.
  • हरियाणा आ महाराष्ट्र में करत चुनावी दौरा का चलते प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के गला खराब हो गइल बा आ उनुका भाषण देबे में दिक्कत होखत बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के डिजिटल इंडिया कार्यक्रम के सराहत फेसबुक के मुख्य कार्यकारी अधिकारी मार्क जुकरबर्ग कहलन कि एह कार्यक्रम से नाहियो त एक अरब लोग इंटरनेट से जुड़ जाई.
  • गोण्डा के कर्नलगंज इलाका में एगो जीप का चपेटा में पड़ के एगो मोटरसाइकिल सवार नवही मर गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.
  • जोरदार ठोकाई का बाद पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ भारत से निहोरा कइलन कि भारत आपन फायरिंग बंद कर देव. पाकिस्तान के उमेद ना रहे कि अतना जोरदार जबाब मिल जाई ओकर गोलीबारी के.
  • संघर्ष विराम तूड़़े के भारी दाम चुकावे के भारत के चेतावनी का बाद काल्हु रात जम्मू कश्मीर में अंतरराष्ट्रीय सीमा पर पाकिस्तान का ओर से गोलीबारी ना भइल.
  • दिल्ली के जेएनयू में कुछ विद्यार्थी हिन्दू देवी देवता के अपमान करत महिषासुर के महिमामंडन करे में लागल बाड़े. जेएनयू में वामपंथियन के जोर रहेला आ उ हमेशा हिन्दू का खिलाफ रहेले.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री आ सपा के प्रदेश अध्यक्ष अखिलेश यादव के कहना बा कि गंगा सफाई अभियान का पीछे राजनीति आ सांप्रदायिक एजेंडा बा. जाने जोग बा कि गंगा के हिन्दू लोग पूज्य मानेला आ सपा मुसलमान वोट खातिर लागल रहेले.
  • उत्तर प्रदेश के माध्यमिक शिक्षा मंत्री महबूब अली कहले बाड़न कि माध्यमिक शिक्षा परिषद के परीक्षा में नकल ना होखे दिहल जाई. जबकि नकल विरोधी कानून के सपा मुखिया मुलायमे सिंह खतम कइले रहन.
  • देश मे हर परिवार के बैंक खाता होखे वाला पहिला राज्य बन जाई मध्यप्रदेश जहाँ अबहीं ले 80 प्रतिशत से अधिका परिवारन के बैंक खाता खुल चुकल बा आ साल खतम होत होत बाकिओ परिवारन के खाता खुल जाई.
  • ब्रिटेन के यूरोपीय संघ विरोधी पार्टी इंडिपेन्डेन्ट पार्टी के पहिला बेर भारी बहुमत से ब्रिटिश संसद के एगो सीट पर जीत मिलल बा. एगो दोसर सीट पर ऊ दुसरका जगहा आइल बा.
  • बिहार के भोजपुर जिला के सिकरहटा इलाका के कुरमुरी गांव में दू दिन पहिले भइल पाँच गो महादलित औरतन से बलात्कार का मामिला में दू जने के गिरफतार कइलसि पुलिस.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up