टटको में टटका खबर : 14 अक्टूबर 2014, मंगल

by | Oct 15, 2014 | 0 comments

17 वें एशियाई खेल, इंचियोन 2014 के पदक जीते वाला खिलाड़ियन साथे पीएम नरेन्द्र मोदी 14 अक्टूबर 2014 के नई दिल्ली में.

17 वें एशियाई खेल, इंचियोन 2014 के पदक जीते वाला खिलाड़ियन साथे पीएम नरेन्द्र मोदी 14 अक्टूबर 2014 के नई दिल्ली में.

  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ‘मेक इन इंडिया’ के आगा बढ़ावत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी नार्वे के निवेशकन से भारत के नया नीतियन के भरपूर फायदा लेबे के नेवता दिहले.
  • अमेरिका के अदालत में वीजा धोखाधडी के मामिला में अझूराइल भारत के राजनयिक देवयानी खोबरागडे विदेश मंत्रालय से बिना अनुमति के एगो टीवी चैनल के साक्षात्कार देके अपना ला अउरी मुश्किल खड़ा कर लेले बाड़ी.
  • नेशनल डेयरी डेवलपमेंट बोर्ड के अध्यक्ष टी नंद कुमार कहलन कि दूध उत्पादन का मामिला में बिहार के बेंवत दुगुना तिगुना हो सकेला आ जल्दिए बिहार देश में दूध उत्पादन करे वालन में तिसरका जगहा आ जाई.
  • अन्तर्राष्ट्रीय बाजार में कच्च तेल के कीमत में आइल गिरावट फायदा आम जनता के देत आजु रात से पेट्रोल के दाम में एक रूपिया प्रति लीटर के कमी कर दिहल गइल बा. मंगल के अधरतिया से ई नयका दर लागू हो जाई. मोदी सरकार अइला का बाद ई लगातार पाँचवा बार पेट्रोल के दाम घटावल गइल बा.
  • इंडियन ऑयल कॉर्पोरेशन लिमिटेड के टीम भारत पेट्रोलियम के मंगल का दिने 5-2 से हराके पहिलका अखिल भारतीय हाॅकी टूर्नामेंट – बेंगलुरु कप के फाइनल में जगह बना लिहलसि.
  • यूपी से गुजरे वाला प्रमुख नेशनल हाईवे पर हर चालीस किलोमीटर का दूरी पर एक एक गो ट्राफिक थाना खोली यूपी सरकार. शुरुआत मथुरा से चंदौली का बीच कइल जाई. हर थाना के पेट्रोलिंग वाहन आ लैपटाप दिहल जाई.
  • उत्तर प्रदेश के 16 छात्र 24 अक्टूबर के अमेरिका में नासा के 12 दिन के शैक्षिक यात्रा पर रवाना होखत बाड़े. ई लोग 4 नवंबर के वापिस लवटी.
  • सिविल सेवा के प्रारंभिक परीक्षा के परिणाम आजु मंगल के घोषित क दिहल गइल. एकरा के यूपीएससी के वेबसाइट पर देखल जा सकेला.
  • राष्ट्रीय राजधानी के जवाहर लाल नेहरू स्टेडियम में मंगल का दिने भइल डायनामोज एफसी आ एफसी पुणे सिटी के बीच के इंडियन सुपर लीग फुटबाल मैच बरोबरी पर छूटल.
  • बिहार सरकार विकास मित्रन के मानदेय एक हजार रूपया प्रतिमाह बढ़वला का साथ ही ओह लोग के कुछ अउरियो सुविधा देबे के फैसला कइलसि.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी बुध 15 अक्टूबर के रोहतास में दुर्गावति जलाशय परियोजना के उद्घाटन करीहें. एह मौका पर नीतीशो कुमार मौजूद रहींहे.
  • पटना उच्च न्यायालय पटना के पुलिस उपाधीक्षक (विधि-व्यवस्था) ममता कल्याणी के अदालत के आदेश के अवमानना के दोषी मान लिहलसि. सजा तय करे खातिर सुनवाई 10 नवम्बर के कइल जाई.
  • अखिल भारतीय महिला बीसबीसा क्रिकेट टूर्नामेंट के पहिला मैच में आजु चंडीगढ़ के टीम उत्तर प्रदेश के टीम के आठ विकेट से हरा दिहलसि.
  • हिन्द महासागर में के एगो अफ्रीकी देश कोमोरोस एह बात से इन्कार करत बा कि उ आतंकवादी संगठन इस्लामिक स्टेट के आपन एगो टापू बेच दिहले बावे.
  • महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल पृथ्वीराज चव्हाण एह बात के एक तरह से सकार लिहलन कि आदर्श घोटाला में पहिले मुख्यमंत्री रहल अशोक चव्हाण आ विलासराव देशमुख शामिल रहले आ ओह लोग का खिलाफ कुछ कइला से कांग्रेस के नुकसान हो जाइत. हालांकि बाद में जब बात के बहुते चरचा होखे लागल त पृथ्वीराज चव्हाण आपन कहल बात से मुकर गइलन.
  • तेल मँगवावे वालन आ बैंकन के डालर खरीददारी का चलते अंतरबैंकिंग मुद्रा बाजार में रुपिया के दाम में 31 पइसा के बड़हन गिरावट दर्ज भइल. आजु डालर के दाम 61.41 रुपिया तय कइलसि रिजर्व बैँक.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला आजु कहलन कि हाल के बाढ़ का बाद से कश्मीर के लोग के जिनिगी अबहियों सरिहाइल नइखे आ एह हालात में विधानसभा चुनाव करावे ला ई सही समय ना होखी.
  • महाराष्ट्र के पूणे में शिरूर के लगे वायुसेना के एगो सुखोई सु-30 विमान आजु दुपहरिया में गिर गइल. हालांकि पायलट आ को पायलट के जान बाच गइल बा.
  • पंजाब सरकार भाजपा नेता नवजोत सिंह सिद्धू के आलोचना से नाराज हो के उनुका के दिहल वाई श्रेणी के सुरक्षा आजु वापिस ले लिहलसि.
  • लखनऊ में चलत राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के नीति निर्धारक सर्वोच्च संस्था अखिल भारतीय कार्यकारी मंडल के बइठका में हिन्दुत्व के अउरी असरदार बनावे खातिर तौर तरीका पर विचार मथात बा.
  • झारखंड प्रदेश कांग्रेस झारखंड में संस्कृत विश्वविद्यालय बनावे के माँग कइलसि प्रदेश सरकार से.
  • उद्योग संगठनन के कहना बा कि खुदरा महंगाई अबले के सबसे निचला स्तर आ थोक महंगाई के पांच साल के निचला स्तर पर अइला का बाद रिजर्व बैंक के चाहीं कि ब्याज दर में कटौती करे जेहसे विकास के रफ्तार मिल सको.
  • ‘बहत गंगा’ में हाथ धोवे खातिर उत्तर प्रदेश सरकारो गंगा सफाई खातिर अभियान चलावे के फैसला करत गंगा के प्रदूषण मुक्त बनावे ला ‘गंगा सेल’ बनवलसि.
  • खेलन के बढ़ावा देबे ला पीएम मोदी अउरी 450 करोड़ रुपिया के अनुदान राशि दिहले. ई बात खेल मंत्री सर्वानंद सोनोवाल मंगल का दिने बतवले.
  • हुदहुद तूफान से नुकसान उठवले आंध्र प्रदेश खातिर बतौर अंतरिम राहत 1,000 करोड़ रुपिया के पैकेज देबे के एलान कइलन पीएम नरेन्द्र मोदी.
  • उत्तर प्रदेश सरकार राज्य के सहकारी बैंकन के कर्मचारियन के दीपावली पर बोनस के मंजूरी दिहलसि आ ई लोग त्योहार अगि्रमो ले सकेला.
  • गोवा कांग्रेस उपाध्यक्ष मीडिया से निहोरा कइलन कि कांग्रेसी नेता लोग के आपसी झगड़ा के देखावल सुनावल बतावल बन्द करसु. नेतो लोग से कहलन कि आपसी झगड़ा के बात मीडिया से मत करसु.
  • पीएम नरेंद्र मोदी आजु मंगल का दिने 17वां एशियाई खेल में पदक जीते वाला खिलाड़ियन के सम्मान करत कहलें कि खिलाड़ी पदक जीत के देशवासियन के मान बढ़ावेले.
  • बिहार के गोपालगंज जिला के एगो सरकारी स्कूल के सातवीं में पढ़े वाली लड़िकी से बगल में चाय बेचे वाला एगो दुकानदार महीनन से यौन शोषण करत रहुवे. लड़िकी के गभिनइला का बाद एकर खुलासा भइल बा.
  • गुजरात के खिलाड़ी अक्षर पटेल के वेस्टइंडीज का साथ होखे वाला अगिला दू गो एकदिना मैच खातिर 15 खिलाड़ियन के टीम में शामिल क लिहल गइल बा.
  • अतवार का दिने आंध्र प्रदेश का तट पर तबाही मचावे आइल चक्रवाती तूफान हुदहुद से भारतीय नौसेना के नाहियो त 2,000 करोड़ रुपिया के नुकसान भइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में सदर कोतवाली इलाका में रेल पटरी पर आजु एगो डाक्टर के क्षत विक्षत लाश मिलल बा.
  • बिहार के नालंदा जिला में सरकारी सहायता पावे वाला एगो मदरसा लड़िकियन के दाखिला पर रोक लगा दिहले बा काहे कि मजहब एकर इजाजत ना देव कि लड़िकी लड़िकन का साथे पढ़ऽ सँ.
  • उत्तर प्रदेश में जौनपुर जिला के सरायख्वाजा इलाका में एगो प्रेमी जोड़ा के लाश गाछ पर लटकल मिलला का बाद सनसनी पसर गइल बा.
  • जेएनयू आजु जहरभरलन के अड्डा बन के रह गइल बा. कबो माँ दुर्गा के सरेआम अपमान, त कबो गऊ माँस के पार्टी, त कबो असुरन के सम्मान. विहिप एह बात के शिकायत करत विश्वविद्यालय प्रशासन से ई सब रोके के कहलसि.
  • बिहार में सारण जिला के अवतार नगर इलाका के गाँव मखदुमपुर के लोग नाजायज शराब बनावे वालन पर रोक लगावे खातिर आजु सबेरे थाना के घेराव कइले आ छपरा पटना मेनरोड के जाम क दिहले.
  • मायावती सरकार का समय बनल गंगा एक्सप्रेस योजना में थोड़ बहुत सुधार क के अखिलेश यादव सरकार शुरु करे के फैसला लिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश में मथुरा के पंडित दीनदयाल उपाध्याय पशुचिकित्सा विज्ञान विश्वविद्यालय आ गो अनुसंधान संस्थान उत्तर भारत में मिले वाली देशी गायन के नस्ल के संवर्धन आ संरक्षण के काम करी.
  • इंडियन सुपर लीग के दुसरका मैच में सोमार का दिने जॉन अब्राहम के टीम नॉर्थईस्ट युनाइटेड एफसी सचिन तेंदुलकर के टीम केरला ब्लास्टर्स एफसी के 1-0 से हरा दिहलसि.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up