टटको में टटका खबर : 18 सितंबर 2014

by | Sep 19, 2014 | 0 comments

भारतीय वायुसेना का तरफ से एगो डाकोटा विमान बांगला देश के वायु सेना के सँउपे का मौका पर भारत आ बांगला देश के वायु सेना अधिकारी. बांगला देश के आजादी का लड़ाई में ई विमान बहुते काम आइल रहुवे. एकरा के वायुसेना के संग्रहालय में राखल रहुवे.

  • जवना ट्रेनी न्यायाधीश लोग के बरखास्त करे के अनशंसा इलाहाबाद उच्च न्यायालय कइले बा ओह लोग के कहना बा कि उ लोग तब सुप्रीम कोर्ट जाई.
  • चीन भारतीय रेलवे के विकास खातिर पांच काम में सहयोग करी जवना में से एगो बा चेन्नई से मैसूर ले सेमी हाईस्पीड रेल लाईन बनावल.
  • भारतीय फुटबाल टीम के हाल के खराब प्रर्दशन का चलते विश्व पुरूष फुटबाल रैकिंग में आठ जगहा नीचे गिरे के पड़ल बा.
  • निर्यातकन के डालर बिकवाली आ शेयर बाजार के जबरदस्त तेजी का चलते आजु रुपिया लगातार तिसरको दिने मजबूत भइल.
  • महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव खातिर सीट बटंवारा पर भाजपा का ओर से शिवसेना के अल्टीमेटम दिहलसि कि अगर सम्मानजनक समझौता ना भइल त मजबूरन अलग रास्ता चुनही के पड़ी.
  • लद्दाख में चीन का ओर से सीमा लाँघे पर भारत आज कड़ा नाराजगी जतावत माँग कइलसि कि सीमा विवाद के जल्दी से सलटावल जाय आ वास्तविक नियंत्रण रेखा साफ कर दिहल जाव.
  • जापान के मिजुहो बैंक अगिला साल जून से गुजरात के व्यावसायिक राजधानी अहमदाबाद में आपन शाखा खोली जवना खातिर रिर्जव बैंक से लाइसेंसो मिल गइल बा.
  • चीन के राष्ट्रपति शी चिनफिंग के यात्रा ला कइल सुरक्षा इन्तजाम आ जगहे जगह तिब्बती शरणार्थियन के प्रदर्शन का चलते दिल्ली के लोग आजु जाम से खूब परेशान भइल.
  • राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि वियतनाम का साथे पेट्रोलियम उत्पाद का अलावा अउरियो बात में सहयोग के निकहा संभावना बा आ दुनू देश का बीच साल 2020 ले व्यापार 15 अरब डॉलर करे के निसान राखल गइल बा.
  • भारत आ चीन के बीच व्यापार समझौता आ अमेरिकी फेडरल रिर्जव के ब्याज दर ना बढ़ावे के फैसला से मुंबई शेयर बाजार जम के उछलल आ फेरू 27000 से उपर जा के बन्द भइल.
  • बक्सर टीसन का पुरवारा गुमटी प तैनार एगो रेल कर्मचारी के छूरा घोंप के जान ले लिहल गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश में बरेली के दू गो निजी मेडिकल कालेज आ संचालकन के डेरा प आयकर विभाग के छापा से हडकम्प.
  • करोडों रूपिया के सारधा चिट फंड घोटाला में पूछताछ करे खातिर माकपा नेता राबिन देब आ तृणमूल कांग्रेस के सांसद सुबेंदु अधिकारी के सीबीआई के साल्ट लेक कार्यालय में हाजिरी देबे के समन जारी.
  • भारत आ चीन का बीच आजु बारह गो समझौता पर दस्तखत भइल. एहमें कैलास मानसरोवर के यात्रा खातिर नाथू ला दर्रा से होत जाए के नया रास्ता के समझौता शामिल बा.
  • चीन के राष्ट्रपति शी चिनफिंग भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चीन आवे के नेवता दिहलन.
  • टूजी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाला के आरोपियन के सीबीआई निदेशक रंजीत सिन्हा से मिले जुले वालन के रिकार्ड देबे वाला मनई के नाम बतावे से इन्कार क दिहलन प्रशांत भूषण.
  • विदेशी बाजार में गिरावट का बावजूद भारत में सोना के बढ़ल माँग देखत दाम पचास रुपिया हर दस ग्राम पर बढ़ गइल. जबकि चाँदी के दाम में प्रति किलो 495 रुपिया के कमी आइल.
  • जन भोजपुरी मंच के संयोजक प्रो. सदानंद शाही के नेतृत्व में एगो प्रतिनिधिमंडल आज गृह मंत्री राजनाथ सिंह से भेंट क के भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करे के मांग कइलसि.
  • तिब्बती धर्मगुरू दलाई लामा कहलन कि तिब्बत के समस्या भारतो के समस्या बा आ एकरा के ताकत का बदले आपसी समुझदारी से सझुरावे के जरूरत बा.
  • भारत यात्रा पर आइल चीन के राष्ट्रपति शी चिन फिंग का खिलाफ आजु दुसरको दिने तिब्बती लोग हैदराबाद हाउस का सोझा जम के नारेबाजी कइल.
  • राजद के बाहुबली सांसद राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव फरमान जारी क के अपना इलाका के डाक्टरन के फीस तय कइले. डाक्टर आ कुछ राजनीतिक दल एकरा विरोध में. सीधे गुण्डई पर उतरल बाड़न सांसद.
  • मणिपुर के उखरूल जिला में काल्हु साँझ भइल विस्फोट में दू लोग के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइलें.
  • कैमूर जिले के रामगढ़ इलाका के जोरार गांव में काल्हु रात जहरीली शराब पियला से एगो नवही के मौत हो गइल आ दू जने के हालत खराब.
  • जौनपुर के जफराबाद इलाका के जमैथा गांव में काल्हु देर रात मोटरसाइकिल सवार चार गो बदमाश उपब्लाक प्रमुख रहल राजेश नेता के गोली मार के हत्या कर दिहले.
  • चीन के राष्ट्रपति शी चिनफिंग कहलन कि भारत आ चीन के सदियों पुरान रिश्ता विकास के रणनीतिक साझेदारी से दुनिया के तरक्की के राह खोल दी.
  • गोपालगंज के उचका गांव इलाका के बरारी जगदीश गांव का नियरा काल्हु देर रात लूटपाट करत अपराधी एगो नवही के गोली मार के मुआ दिहले.
  • सारण जिला के पानापुर इलाका में हनुमान मंदिर का नियरा से काल्हु देर रात कट्टर माओवादी बृजमोहन सिंह के नक्सली साहित्य का साथे पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
  • नाइजीरिया के कदुना में फुलानी आतंकवादियन के हमला में सेना के एगो जवान समेत नाहियो त 33 लोग मारल गइल.
  • राष्ट्रपति भवन पहुंचले चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग. अगवानी कइली राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के बेटी. पीएम मोदी पहिले से मौजूद रहले.
  • बिल गेट्स आ केन्द्रीय मंत्री नितिन गडकरी के मुलाकात काल्हु 19 सितंबर के होखे जात बा.
  • लद्याख में चीनी घुसपैठ का चलते चुमार सेक्टर में दुनू ओर से हजारो सैनिक आमने-सामने. हालात के निगरानी करत बाड़न राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल.
  • शिव सेना अबहियो अपना अकड़ पर कायम. कहलसि कि 150 सीटे आ सीएम पद से कम कुछउ मंजूर नइखे. जबकि भाजपा के कहना बा कि जेकर विधायक अधिका होखसु ओकरे सीएम होखे.
  • पाकिस्तान का कराची में पुलिस से मुठभेड़ में एगो बवाली गुट के सात गो अपराधी मारल गइले.
  • बिहार भाजपा में बहुते लोग मानेला कि सुशील मोदी हमेशा आपन फायदा देखत रहेलें. हाल के उपचुनाव में हार के जिम्मो बहुते लोग सुशीले मोदी के देत बा. सुशील मोदी के ई सुभाव ओही घरी से बा जब ऊ छात्र नेता रहलन.
  • सुशील मोदी कहलन कि पन्द्रह बरीस से इफ्तार के पार्टी देत आवत बाड़न आ देत रहीहें. कहलन कि सीतामढ़ी वाला मामिला के हिन्दू बनाम मुसलमान ना बना के औरत का साथे नाइंसाफी के बनवलन.
  • बिहार भाजपा के नेता सुशील मोदी योगी आदित्यनाथ का खिलाफ बाकिर लव जेहाद का मामिला में पार्टी लाइन का साथ. कहलन कि चुनाव में मुसलमानो उम्मीदवारन के टिकट दी भाजपा.
  • वंशवादी पार्टियन का कतार में अब एगो अउर नाम बढ़ जाई तेलुगू देशम पार्टी के. आंध्र प्रदेश के कृषि मंत्री पी पुताल्ला राव के कहना बा कि अगिला मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू के बेटा लोकेशे बनीहें. एह पार्टियन में मुखिया कवनो खानदाने से आवेले कार्यकर्ता का बीच से ना.

टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up