टटको में टटका खबर : 19 सितंबर 2014, शुक

by | Sep 20, 2014 | 0 comments

केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह 19 सितंबर, 2014 के काठमांडू में नेपाल के राष्ट्रपति डा. राम बरन यादव संगे

केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह 19 सितंबर, 2014 के काठमांडू में नेपाल के राष्ट्रपति डा. राम बरन यादव संगे

  • भाजपा शिवसेना के याद करवलसि कि महाराष्ट्र में ‘भगवा गठजोड़’ बचावे खातिर भाजपा हमेशा त्याग करत आइल बिया आ शिवो सेना के कुछ जिम्मेदारी बनेला.
  • अब बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी विदेशी निवेश ले आवे खातिर लंदन जइहें आ ओहिजा एगो व्याख्यानो दीहें. उ इंग्लैंड में 21 से 25 सितंबर ले रहीहें.
  • महाराष्ट्र में बीजेपी-शिवसेना गठबंधन कवनो हाल में ना टूठे खातिर संघ नेता भईयाजी जोशी नसीहत दिहलन.
  • गोरखपुर से पेशी खातिर संत कबीर नगर ले जात घरी बदमाश पिंटू उर्फ राणा प्रताप सिंह शुक का दिने पुलिस के गिरफ्त से फरार हो गइल. दू गो सिपाही निलंबित.
  • बिल एंड मेलिंडा गेट्स फाउंडेशन का तरफ से जम्मू कश्मीर के बाढ़ पीड़ितन ला सात लाख डॉलर के आपात राहत राशि.
  • सर्वोच्च न्यायालय शुक का दिने सीबीआई के कहलसि कि जबले तय नइखे हो जात कि जांच एजेंसी निदेशक रंजीत सिन्हा के कोयला घोटाला मामला केजांच करे के जिम्मा दिहले रहुवे कि ना तब ले उ चार्जशीट भा फाइल रिपोर्ट मत लगावे.
  • श्रीलंका के राष्ट्रपति महिंदा राजपक्षे दू दिन का देरी से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ट्विटर पर जनम दिन के बधाई दिहलन. जगजीवन राम अकादमी के लखनऊ से हटावे के अनेसा जतावत कांग्रेस प्रवक्ता आ विधायक प्रो. रीता बहुगुणा जोशी कहली कि लखनऊ पर राजग सरकार के ई पहिला आघात होखी. कहली कि अकादमी के लखनऊ से जिन हटावल जाए.
  • केंद्रीय सूचना आ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावड़ेकर आॅल इण्डिया रेडियो का तरफ से देश के पांच गो भाषा – हिंदी, मराठी, संस्कृत, डोगरी अउर नेपाली – में ऑमुफ्त समाचार एसएमएस सेवा के शुरूआत कइलन.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय सर्वोच्च न्यायालय के न्यायमूर्ति एच. एल. दत्तू के देश के अगिला प्रधान न्यायाधीश बनावे का मामिला में कवनो तरह के दखल देबे से मना क दिहलसि. रॉ के एगो महिला अधिकारी रहल आ वकील याचिका दाखिल क के दत्तू पर यौन प्रताड़ने के आरोप लगवले रही.
  • एशियन गेम्स के भव्य समारोह में भारतीय दल के नेतृत्व हॉकी खिलाड़ी सरदार सिंह कइलन.
  • छपरा कचहरी में एगो हत्या के मामिला में गवाही देबे आइल आदमी पर बम से हमला. गवाह घवाहिल.
  • ओडिशा के कंधमाल लोकसभा सीट पर 15 अक्टूबर के उपचुनाव करावे के अधिसूचना जारी भइल.
  • राजगीर में आजु अंतर्राष्ट्रीय नालंदा विश्वविद्यालय के विधिवत उद्घाटन मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी का मौजूदगी में विदेश मंत्री सुषमा स्वराज कइली.
  • आजु शुक का दिने रुपिया के संदर्भ मूल्य भारतीय रिजर्व बैंक का ओर से डॉलर के मुकाबले 60.80 रुपिया तय भइल. काल्हु ई 61.05 रुपिया रहल.
  • सॉफ्टवेयर कंपनी, माइक्रोसॉफ्ट के संस्थापक बिल गेट्स आजु अपना पत्नी मेलिंडा गेट्स संगे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात कइलन.
  • केंद्रीय शहरी विकास मंत्री एम. वेंकैया नायडू कहलन कि सरकारी आवास खाली करावे का खिलाफ सांसद रहल नेता के धमकी के कवनो असर ना पड़ी.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी आ प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह शुक का दिने दिल्ली में चीन के राष्ट्रपति शी जिनपिंग से भेंट कइल लोग.
  • प्रसिद्ध सारंगी वादक उप्पलापु श्रीनिवास के 45 साल का उमिर में आजु शुक का दिने चेन्नई के एगो निजी अस्पताल में निधन हो गइल. प्रधानमंत्री शोक जतवलन.
  • चीन के राष्ट्रपति शी चिनफिंग के इलेवन चिनफिंग पढ़े वाली ऐंकर के दूरदर्शन नौकरी से हटा दिहलसि. कैजूअल बहाली रहल.
  • मुंबई के लोकल ट्रेन में एगो औरत आज बोरीवली टीसन पर एगो बच्चा के जनम दिहली. ट्रेन 15 मिनट लेट खुलल.
  • भारत के मुसलमान देशभक्त ह, ओरा केहू से सर्टिफिकेट के जरूरत नइखे. पीएम के चाहीं कि हमहन पर आरोप लगावे वालन से सवाल करसु – शाही इमाम बुखारी.
  • उत्तर प्रदेश के अमरोहा जिला में बस आ बोलैरो के टक्कर से 5 जन के मौत 6 जने घवाहिल भइले.
  • लखनऊ के सर्वोदयनगर के चौकी इंचार्ज पर बाइक रोकल चहले त ओह पर सवार तीन गो नवही उनुके प गोली चला दिहले.
  • अमरीकी राष्ट्रपति बराक ओबामा भारतीय मूल के रिचर्ड राहुल वर्मा के भारत में अमरीका के अगिला राजदूत बनवलन.
  • चीन के महिला टेनिस खिलाड़ी ली ना रिटायरमेंट के एलान कइली.
  • भारत का इलाका में घुसल चीनी सैनिक चुमार से हटे लगले बाकिर डेमचोक में जमल बाड़े.
  • बिहार के अंतर्राष्ट्रीय नालंदा विश्वविद्यालय के औपचारिक उद्घाटन आजु शुक का दिने विदेश मंत्री सुषमा स्वराज राजगीर के अंतर्राष्ट्रीय कन्वेंशन सेन्टर में आयोजित समारोह में करीहें.
  • नालन्दा विश्वविद्यालय के उद्घाटन बेरा बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आ विश्वविद्यालय के गवनिर्ंग बोर्ड के सदस्य मेघनाद देसाई शामिल रहीहें.
  • स्कॉटलैंड में आजादी के खिलाफ वोट पड़ल. स्कॉटलैंड के एगो मंत्री एलेक्स सैलमंड हार मान लिहलन.
  • शिरोमणि गुरुद्वारा प्रबंधक समिति अध्यक्ष रहल शिरोमणि अकाली दल नेता जगदेव सिंह तलवंडी के निधन 85 साल का उमिर में शुक का दिने लुधियाना में हो गइल.

टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up