टटको में टटका खबर : 24 अक्टूबर 2014, शुक

by | Oct 25, 2014 | 0 comments

 भारत तिब्‍बत सीमा पुलिस के स्‍थापना दिवस पर 24 अक्‍टूबर, 2014 का दिने सूरजपुर, ग्रैटर नोएडा में संबोधन देत केंद्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह.


भारत तिब्‍बत सीमा पुलिस के स्‍थापना दिवस पर 24 अक्‍टूबर, 2014 का दिने सूरजपुर, ग्रैटर नोएडा में संबोधन देत केंद्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह.

  • विश्वबैंक आ अंतर्राष्ट्रीय मुद्राकोष पर निर्भरता कम करे का मकसद से आजु एशियन इंफ्रास्ट्रक्चर इन्वेस्टमेंट बैंक के शुरूआत करे ला भारत समेत एशिया के 21 गो देश ओकर संस्थापक सदस्य बन गइले. एह बैंक के आधा पूंजी चीन के रही. बैंक के पहिला अध्यक्ष भारत के होखे के बात कहल जात बा.
  • आजमगढ के आलापुर पुलिस एगो आदमी के गिरफ्तार क लिहलसि जे अपने अपहरण के नाटक रचले रहल.
  • नगर थाना के चवरतकिया मुहल्ला में काल्हु रात पटाखा छोड़त भाई-बहिन के पड़ोसी गोली मार दिहलसि. गोली आंख में लागल बा. दुनू के आस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • आजु ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथो सोशल मीडिया पर आपन मौजूदगी दर्ज करा दिहली आ आजु आपन पहिला ट्विट डलली.
  • सारण जिला के अमनौर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर प्रसव के दौरान जच्चा के मौत पर ओकर परिजन चिकित्सक आ कर्मचारियन साथे मारपीट कइले.
  • बिहार में डेंगू के मरीजन के गिनिती बढ़े लागल बा आ तीस से अधिका लोग एकरा गिरफ्त में आ चुकल बा. पीएमसीएच में अलगा से डेंगू वार्ड बनावल गइल बा.
  • एह साल दिसम्बर में ओडिशा के राजधानी भुवनेश्वर में होखे वाला चैम्पियंस ट्रॉफी खातिर तइयारी करत भारत के सीनियर पुरुष हाॅकी टीम 4 नवम्बर से आस्ट्रेलिया के दौरा पर जाई जहाँ ऊ हाॅकी के मैच खेली.
  • देवरिया के लार में जमीन के झगडा ले के एगो आदमी के छूरा घोंप के मार दिहल गइल.
  • कांग्रेस के बड़का नेता आ पिछला सरकार में वित्त मंत्री रहल पी. चिदम्बरम के बयान का बाद कांग्रेस पार्टी सकता में आ गइल बिया. चिदम्बरम कहले बाड़न कि आगे चल के गांधी परिवार से बाहरो के कवनो नेता पार्टी के नेतृत्व कर सकेला. इहो कहलन कि अगर केहू के नाम करिया कमाई वालन का सूची में आवतो बा त ओहसे कांग्रेस काहे लजाई? लजाए के त ओकरा चाहीं जे करिया कमाई कइलसि.
  • हरियाणा के मनोनीत मुख्यमंत्री मनोहर लाल खट्टर आजु राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के सरसंघ चालक मोहन भागवत से मुलाकात क के उनुका के अपना शपथ ग्रहण समारोह में आवे के नेवता दिहलें.
  • जवन गाहक आपन जानकारी देबे वाला फार्म भर के जमा ना करावे ओकर खाता बंद करे के इजाजात रिर्जव बैंक व्यावसायिक बैंकन के दे दिहलसि. बाकिर पहिले गाहक के समय देबे के आ फेर आंशिक रूप से रोक लगावे के सलाहो दिहलसि.
  • चीन के चेतावनी के औकात देखावत भारत फैसला कइलसि कि अरूणाचल प्रदेश में अउरी 54 गो सीमा चौकी बनावल जाई आ सीमा से लागत इलाका के बुनियादी ढांचा मजबूत करे खातिर 175 करोड रूपिया के पैकेज दिहलसि.
  • एयर इण्डिया के हवाई जहाजन के निशाना बनावे के आतंकी धमकी देत पाती मिलला का बाद अहमदाबाद, मुंबई आ कोच्चि हवाई अड्डा पर हाई अलर्ट लागू हो गइल आ हर सवारी के सघन जाँच कइल जात बा.
  • सारधा चिट फंड घोटाला जाॅच करत सीबीआई आजु बीजू जनता दल के सांसद रामचन्‍द्र हांसदा से पूछताछ कइलसि.
  • पश्चिम चंपारण के रामनगर इलाका के मठिया गाँव में बिजली के करंट लगला से एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • अंडमान द्वीप समूह के संरक्षित जारवा जनजाति पर डाकुमेन्टरी बनावे वाला दू गो फ्रेंच फिल्‍म निर्मातन का खिलाफ मामिला दर्ज कइल गइल.
  • सायना नेहवाल आ पी कश्‍यप फ्रेंच ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के क्‍वार्टर फाइनल में चहुँपल लोग.
  • बस्ती जिला के कप्तानगंज इलाका के भरवलिया गाँव का नियरा कुआनो नदी में नहाए गइल दू गो लड़िकियन के डूबला से मौत हो गइल. एगो के लाश मिल गइल बा दोसरका के खोजल जात बा.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी अपना बेतुका बयानबाजी का चलते खास जगहा बनवले जात बाड़न. अबकी कहले बाड़न कि महादलित शराब पीयल छोड़ देव लोग त बिहार में महादलितन बिना सरकार बनावल मुश्किल हो जाई. कहलन कि अबकी त हमरा के बनावल गइल बा बाकिर हम खुदहु बन सकीले तब मुख्यमंत्री.
  • पूर्वी चंपारण जिला के हरैया थाना इलाका में आज शुक का दिने एगो नवही के मौत का बाद खिसियाइल लोग थाना पर हमला बोल दिहल. एगो पुलिस जीप के जरा दिहल गइल आ बाकी अनेके गाड़ियन के तूड़फोड़ दिहल गइल.
  • देश के शेयर बाजार आजु शुक का दिने बंद बा. काल्हुओ दिन में बंद रहल आ साँझ बेरा मुहूर्त कारोबार भइल. एह मुहूर्त कारोबार में बाजार में तेजी दर्ज भइल.
  • राष्ट्रीय लोकदल के उत्तर प्रदेश अध्यक्ष मुन्ना सिंह चौहान के बाइस बरीस के बेटा आलोक काल्हु बियफे का साँझ अपना के गोली मार लिहलसि. मुन्ना सिंह ओकरा के तुरते लखनऊ ट्रॉमा सेंटर ले गइले जहाँ बाद में ओकर मौत हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश सरकार अब रिटायर होखे वाला बीडीओ लोग के तब ले संविदा पर राखी जब ले नया बीडीओ के विधिवत बहाली नइखे हो जात.
  • मोहर्रम के तजिया निकले का दौरान लखनऊ में चाक चौबंद व्यवस्था करे में पुलिस लागल बिया, पूरा लखनऊ के पांच गो जोन आ 18 गो सेक्टर में बांटल गइल बा. शनिचर साँझ से अतवार साँझ ले हर मुहर्रम जुलूस के वीडियो रिकार्डिग केवल जाई. 70 जगहा स्थायी कैमरा लगावल गइल बा.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up