टटको में टटका खबर : 27 अक्टूबर 2014, सोमार

लोकसभा अध्यक्ष सुमित्रा महाजन का मौजूदगी में राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी 27 अक्‍टूबर, 2014 का दिने नई दिल्‍ली में 27वें महालेखाकार सम्मेलन के उद्घाटन करत.

लोकसभा अध्यक्ष सुमित्रा महाजन का मौजूदगी में राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी 27 अक्‍टूबर, 2014 का दिने नई दिल्‍ली में 27वें महालेखाकार सम्मेलन के उद्घाटन करत.

  • उत्तर प्रदेश लेखपाल संघ के गोहार पर आजु राज्य के लेखपाल बेमियादी हड़ताल पर चल गइले.
  • बस्ती जिला के महुअर गाँव का लगे आजु आगो ट्रक से टकरा के एगो मोटरसाइकिल सवार के मौत हो गइल. मोटरसाइकिल पर सवार दोसरका आदमी घवाहिल हो के बाँच गइल बा.
  • पश्चिम बंगाल के वीरभूम जिला में आजु सोमार का दिने दू गो राजनीतिक गोल के लोग का बीच भइल झगड़ा में तीन आदमी के मौत हो गइल. झगड़ा तृणमूल आ भाजपा का लोग का बीच भइल आ दुनू गोल एक दोसरा पर अछरंग लगावत बाड़े.
  • हरियाणा के मुख्यमंत्री मनोहर लाल खट्टर सोमार का दिने कहलन कि कांग्रेस सरकार का दौरान भइल जमीन सौदा, खास क के रॉबर्ट वाड्रा से जुड़ल सौदा, का मामिला में बदला लेबे का नीयत से कवनो काम ना होखी बाकिर कानून आपन काम करी.
  • लोकसभा चुनाव का बेरा वाराणसी में गंगा सफाई अभियान चलावे के वादा पूरा करे खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के टीम काल्हु मंगल का दिने वाराणसी के दौरा करी. टीम के अगुआ रहींहे कैराना से भाजपा सांसद आ जल संसाधन संसदीय समिति के अध्यक्ष हुकुम सिंह.
  • चेन्नई में चलत जेएसडब्ल्यू-पीएसए चैलेंजर स्क्वॉश टूर्नामेंट में आजु सोमार का दिने भारत के रवि दीक्षित आ हरिंदर पाल संधू आपन-आपन क्वार्टर फाइनल मैच जीत के सेमीफाइनल में चहुँप गइले.
  • रोहतास जिला के लालगंज गांव में आजु एगो नवही गरदन में फंदा डाल के खुदकुशी क लिोहलसि. कारण के पता लगावत बिया पुलिस.
  • सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव आजु अपना बेटा आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के फेरू तीन बरीस ला पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष घोषित क दिहलन.
  • जौनपुर जिला के सुजानगंज इलाका में साइबर क्राइम करे वाला चार जने के गिरफ्तार क के ओकनी का लगे से लैपटाप, मल्टीमीडिया मोबाइल फोन, मॉडम, पेनड्राइव आ एगो रजिस्टर जब्त कइलसि पुलिस.
  • आजु सोमार का दिने केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट के विदेश में करिया धन राखे वाला आठ जने के नाम बता दिहलसि. बाकिर ई ना बतवलसि कि एह लोग के खाता मे धन केतना जमा बा.
  • पूर्वी चंपारण जिला के पताही इलाका के परसौनीकपुर गांव में आशिकई का फेर में एक आदमी के गोली मार के हत्या क दिहल गइल बा.
  • दिवाली का मौका पर दिहल बिजली के भरपाई करत यूपी में बिजली के भयंकर कटौती के दौर फेरू शुरु हो गइल बा.
  • वियतनाम के प्रधानमंत्री नुएन तन जुंग सोमार का दिने बोधगया जा के महाबोधि मंदिर में विशेष प्रार्थना कइलन. ऊ बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी का साथ कुछ मुद्दन पर बातचीत कइलन.
  • मुंबई शेयर बाजार आजु सोमार का दिने गिरावट का साथे बन्द भइल. सेंसेक्स में 98 अंक के आ निफ्टी में 23 अंक के गिरावट दर्ज भइल.
  • नई दिल्ली के त्रिलोकपुरी इलाका में सोमारो का दिन तनाव पसरल रहल. पुलिस के कहना बा कि बवाल शुरू करावे वालन के चिह्न लिहल गइल बा अ जल्दिएओकनी के गिरफ्तार क लिहल जाई.
  • महाराष्ट्र में सरकार बनावे का प्रक्रिया में सोमार के अइसन लागल मानो शिवसेना मन बना लिहले बा भाजपा का साथे सरकार में शामिल होखे के. ओने राकांपा के कहना बा कि भाजपा सरकार के विश्वास मत लेबे का बेरा ऊ सदन के बाहर निकल जाई.
  • संसद के शीतकालीन सत्र 24 नवंबर से शुरू हो सकेला अइसन संकेत मिलल बा.
  • बलिया के सदर कोतवाली इलाका में मालगोदाम रोड का लगे एगो कम्प्यूटर शो रूम में आजु भोर में आग लगला से एक आदमी के जर के मौत हो गइल.
  • मुहर्रम के शुरु भइला पर काल्हु पहिला मोहर्रम पर जौनपुर के बाजार भुआ से अलम के जुलूस निकलल आ रात में मुफती मोहल्ला में जरत दहलत अंगार पर लोग मातम मनावल.
  • भोजपुरी इलाका के महापर्व छठ आजु नहाय खाय का साथ शुरू हो गइल. काल्हु खरना होखी आ परसो दिन भर के उपास का बाद साँझ बेरा भगवान आदित्य के अर्घ्य दिहल जाई.
  • आजु सोमार का दिने सुप्रीम कोर्ट करिया कमाई वाला धन का मामिला में नाम खुलासा करे के भारत सरकार के हलफनामा दायर करे के इजाजत दे दिहलसि.
  • महाराष्ट्र में मुदखेड़ा से नया चुन के आइल भाजपा विधायक गोविंद एम.राठौर के आजु सोमार का भोर मेें दिल के दौरा पड़ला से निधन हो गइल. विधानमंडल के सदस्य संख्या अब 287 हो गइल आ भाजपा के विधायक घट के 122.
  • काल्हु अतवार का दिने अफगानिस्तान से इंग्लैंड आ अमेरिका के आखिरी सैन्य टुकड़िओ वापिस हो गइल आ अफगानिस्तान के सुरक्षा बल ओह सैन्य अड्डन के नियंत्रण ले लिहले.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Advertisements

Be the first to comment on "टटको में टटका खबर : 27 अक्टूबर 2014, सोमार"

Leave a Reply

%d bloggers like this: