
- पिछला दिने पश्चिम बंगाल के दक्षिण परगना जिला में भइल मारपीट का बाद तृणमूल कांग्रेस गोल आजु अपना नेता अराबुल इस्लाम के छह बरीस ला गोल से निकाल दिहलसि. एह वारदात में दू आदमी के मौत हो गइल रहे.
- महाराष्ट्र में सबले बड़का गोल बन के उभरल भाजपा आजु अपना विधायक दल के नेता चुन लिहलसि आ अपना प्रदेश अध्यक्ष देवेन्द्र फणनवीस राजय के पहिलका भाजपा मुख्यमत्री बनीहें. पद के किरिया 31 तारीख के लेबे के बतावल जात बा.
- तीन बरीस ला वरिष्ठ पत्रकार डॉक्टर ए सूर्यप्रकाश के प्रसार भारती बोर्ड के नया अध्यक्ष बनावल गइल बा. डॉक्टर सूर्यप्रकाश के टेलीविजन आ प्रिंट मीडिया दुनू के पुरहर अनुभव बा.
- प्रसार भारती के मुख्य कार्यकारी अधिकारी जवाहर सरकार के आजु दुनिया के सबले बड़ टेलीविजन आ रेडियो संगठन एशिया प्रशांत प्रसारण संघ के उपाध्यक्ष चुन लिहल गइल. उनकर चुनाव चीन के मकाउ में भइल संघ के 51वीं महासभा का दौरान निर्विरोध भइल.
- वाराणसी के जनसा इलाका में आजु एगो औरत के आग से झउँसला का चलते मौत हो गइल. आग कइसे लागल एह बात पर संदेह होखत बा.
- सुप्रीम कोर्ट आजु केन्द्र सरकार के हाथ बान्ह दिहलसि आ कह दिहलसि कि काल्हु बुध के ओह सगरी नाम के खुलासा क दिहल जाव जवना लोग के नाम विदेशी बैंक खाता राखे वालन में शामिल बा. पता ना कवना कारण सरकार चाहत रहुवे कि अबहीं सगरी नाम जाहिर मत कइल जाव. एही बीच इहो बात सामने आ गइल कि पिछला युपीए सरकार 109 लोग के आम माफी दे दिहले बिया.
- वाराणसी तहसील कार्यालय का सोझा आजु मंगल का सबेरे सड़क पार करत एगो निजी स्कूल के बस कंडक्टर के मौत ट्रक से कचरइला का चलते हो गइल.
- शेयर बाजार में मंगल का दिने तेजी देखे के मिलल आ 128 अंक चढ़ के आ निफ्टी 36 अंक चढ़ के बंद भइल.
- जौनपुर जिला के सिधवन औद्योगिक क्षेत्र में देशी शराब बनावे के एगो नाजायज फैक्टरी के भंडाफोड करत पुलिस दू जने के गिरफ्तार क लिहलसि.
- दिल्ली सरकार आजु मंगल का दिने एलान कइलसि कि काल्हु बुध का दिने छठ का मौका पर सार्वजनिक अवकाश रही.
- उत्तर प्रदेश में सरकार चलावे वाला समाजवादी गोल अगिला महीना होखे जात जम्मू कश्मीर आ झारखंड विधानसभा चुनाव में आपन उमीदवार खड़ा करी.
- गोण्डा के देहात कोतवाली इलाका में एगो बिआहल औरत फांसी लगाके जान दे दिहलसि.
- गोरखपुर के पीपीगंज इलाका में सोमार का रात दू गो गाड़ी टकरइला से भइल सड़क हादसा मे दू जने के मौत हो गइल आ छहजने घवाहिल हो गइले.
- दिल्ली के तीन गो विधानसभा सीट पर उपचुनाव खातिर आजु अधिसूचना जारी हो गइल. एह बीच सुने में आवत बा कि उपराज्यपाल भाजपा के सरकार बनावे ला नेवत सकेले बाकिर भाजपा चाहत बिया कि चुनावे करा लिहल जाव.
- अपना दल के अध्यक्षा कृष्णा पटेल आजु अपना छोटकी बेटी आ मिर्जापुर से सांसद अनुप्रिया पटेल के पार्टी के राष्ट्रीय महासचिव पद से हटा दिहली. बतावल जाता बा कि ऊ पार्टी में अनुप्रिया के पति के दखलदाजी का चलते नाराज बाड़ी.
- राज्यसभा चुनाव के घोषणा होखते उत्तर प्रदेश से राज्यसभा पहुंचे ला सगरी गोल में जोड़-तोड़ शुरू हो गइल बा. सपा के चार सीट मिलल पक्का बा आ एहमें बलिया के सांसद रहल आ प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के बेटा नीरज शेखर के राज्यसभा भेजल जा सकेला. पिछला लोक सभा चुनाव में मुलायम के परिवार के लोग छोड़ दोसर कवनो सपाई ना जीत पावल.
- कबो छठ का मौका पर बिहार के मुख्यमंत्री आवास छठी मइया के गीतन से गुलजार रहल रहुवे बाकिर अबकी बेर ओहिजा सन्नाटा पसरल बा. लालू प्रसाद के सरकारी आवासो पर इहे हाल बा.
- सुप्रीम कोर्ट आजु नाराजगी जतवलसि कि दिल्ली में सरकार बनवावे में देरी काहे होखत बा. केन्द्र सरकार आजु अदालत के जानकारी दिहलसि कि राष्ट्रपति उप राज्यपाल के दिल्ली विधानसभा में सबसे बड़का दल के सरकार बनावे के नेवते के सलाह दे दिहले बिया. एह पर कोर्ट पूछलसि कि ई काम पहिले काहे ना हो सकल. हर बेर अदालत में तारीख का दिने काहे एह तरह के फैसला होखत बा कि सुनवाई टरवावे के मौका मिल जाव.
- रोहतास जिला के संझौली इलाका के बैरी गांव का एगो खेत से एगो रिटायर्ड फौजी के लाश मिलल बा.
- पूर्वी दिल्ली के त्रिलोकपुरी इलाका आजु तनाव घटला आ हिंसा के कवनो घटना ना होखला का बाद कर्फ्यू में तीन घंटा के ढील दिहल गइल जेहसे लोग जरूरत के सामान खरीद सको.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
497 total views, 2 views today