टटको में टटका खबर : 30 अक्टूबर 2014, बियफे

by | Oct 31, 2014 | 0 comments

FM_ArunJaitley-at-WarAnniversary

  • बियफे का भोर मे उगत आदित्य के अर्घ देके चार दिन चलेवाला महापर्व छठ के समापन हो गइल.
  • त्रिनिदाद आ टोबैगो में एगो भारतीय मूल के लड़िकी के क्लास मे तबले आवे से मना क दिहल गइल जब ले ओकरा हाथ में लागल मेंहदी के रंग छूट नइखे जात. मेंहदी लगावल ओकरा बहुते महँग पड़ गइल.
  • फुटबाल के इंडियन सुपर लीग के पुणे का शिव छत्रपति स्टेडियम में भइल मैच में सचिन तेंदुलकर के टीम केरला ब्लास्टर्स एफसी 2 बनाम 1 गोल से एफसी पुणे सिटी के हरा दिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश परिवहन आयुक्त के आदेश का बाद राज्य भर में हर वाहन पर चमके वाला टेप लगावल जरुरी बना दिहल गइल बा. एकरा से रात का अन्हार में होखे वाला सड़क हादसा कम होखे के उमेद बा.
  • रोहतास जिला के विक्रमगंज इलाका में टेहटी पुल का लगे नहर मेश डूब के दू जने के मौत के खबर बा.
  • अनुकंपा का आधार पर नौकरी पावे का लालच में आजमगढ़ जिला के जीयनपुर इलाका के मझउआ गाँव में दू गो बेटा मिल के अपना बाप के हत्या क दिहले. मरे वाला लेखपाल रहलन.
  • दिल्ली के जामा मस्जिद के शाही इमाम अपना बेटा के नायब इमाम बनावे का मौका पर होखेवाला अयोजन खातिर भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी के नइखन नेवतले बाकिर अपना करीबी पाकिस्तान के पीएम नवाज शरीफ के नेवता भेजले बाड़न. शाही इमाम के एह हरकत के जतने आलोचना कइल जाव कम रही.
  • तीस साल पहिले 31 आक्टूबर का दिने भारत के पीएम रहल इंदिरा गाँधी के हत्या के बरखी का मौका पर भइल हजारों सिक्खन के हत्यो के बरखी ह. आजु भारत सरकार ओह समय मारल गइल हर सिक्ख के परिवार के पाॅच पाॅच लाख रुपिया के मुआविजा देबे के एलान कइले बिया.
  • सरदार वल्लभभाई पटेल के जयंती का मौका पर 31 अक्टूबर का भोर में देश भर में ‘रन फार यूनिटी’ के दौड़ लागी. दिल्ली में राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति एह दौड़ के हरी झशडी देखइहें.
  • इलाहाबाद में बुध का दिने भइल विस्फोट के जाॅच में फोरेशसिक टीम लागल बाड़ी सँ. अनेसा जतावल जात बा कि बर्दवान धमाका जइसने कुछ मत होखत होखे एहिजो.
  • देश के शेयर बाजार बियफे का दिने अइसन झूमलें कि रिकार्ड स्तर पर चहुँप गइले. हालांकि बाद में तनिका नीचे आ के सेंसेक्स 27,346.33 पर आ निफ्टी 8,169.20 पर बंद भइल.
  • वाराणसी में 6 नवम्बर का दिने कार्तिक पूर्णिमा का मौका पर होखे वाला देव दीपावली खातिर शहर के सगरी होटल, गेस्ट आफिस, नाव वगैरह अबहिए से फुल बुक हो गइल बाड़ी सँ. एह दिन प्रधानमंत्री मोदीओ आ सकेंले.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के पत्नी छठ मईया से अपना पति के कुर्सी बनवले राखे के मनता मँगली.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु भाजपा नेता सुब्रह्मण्यम स्वामी के खिलाफ चेन्नई के अदालत में मानहानि के मामिला के सुनवाई पर रोक लगा दिहलसि. ई मुकदमा जयललिता पर कइल टिप्पणी का चलते चलावत जात बा.
  • बुध का दिने दिल्ली के नेहरू स्टेडियम में भइल फुटबाल के इंडियन सुपर लीग मैच में दिल्ली डायनामोज के मैच बरोबरी पर छूटल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up