सरदार वल्लभ पटेल का जयंती पर श्रद्धांजलि देत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी
सरदार वल्लभ पटेल का जयंती पर श्रद्धांजलि देत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी
  • 2जी स्पेक्ट्रम घोटाला मामिला में तब के दूरसंचार मंत्री ए. राजा, उनकर पार्टी सहयोगी आ डीएमके सांसद कनिमोझी आ कुछ अउर लोग पर हेराफेरी के आरोप तय क दिहलसि अदालत आ अगिला सुनवाई ला 11 नवंबर के तारीख दिहलसि.
  • झारखंड में विधानसभा चुनाव से पहिले सरकार में शामिल झारखंड मुक्ति मोर्चा आ कांग्रेस के बीच 15 महीना पुरान गठबंधन टूट गशुक्रवार को टूट गइल कांहे कि कांग्रेस 45 गो सीट अपना ला आ बाकी सीट में अपना साथी राजद आ जदयू ला हिस्सा मांगत रहुवे.
  • आजु आधरतिया से पेट्रोल आ डीजल के दाम में हर लीटर करीब अढ़ाई रुपिया के कमी क दिहल गइल बा. एके हप्ता में ई दुसरका कटौती भइल बा.
  • हार का डर से जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला अपना खानदानी सीट गांदेरबल से ना लड़ के दू जगहा से किस्मत अजमइहें. ई सीट बाड़ी सँ सोनवार आ बीरवाह.
  • उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश से अब हर महीना के तिसरका बुध का दिने जिलाधिकारी लोग ‘किसान दिवस’ के आयोजन कराई जवना में किसानन के समस्या सुनल जाई आ ओकर समाधान के रास्ता निकालल बतावल जाई.
  • सपा में आवे ला बेचैन अमर सिंह के राह रोकले आजम खाँ अपना पत्नी के मिलल राज्यसभा टिकट से मना करा दिहले. अमर सिंह के राज्यसभा सांसदी नवंबर में पूरा होखत बा आ उ चाहत रहुवन कि सपा टिकट दे देव बाकिर उनका के टिकट ना दिहलसि सपा.
  • उप्र में भाजपा 50 लाख सदस्य बनावे के मुहिम शुरू कइलसि. नजर अगिला विधानसभा चुनाव पर बा.
  • भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह आजु कहलन कि महाराष्ट्र में गठबंधन पनद्रहो दिन पहिलही टूट गइल रहीत त भाजपा के बहुमत मिलित.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु दिल्ली में सरदार वल्लभभाई पटेल के जयंती का मौका पर आयोजित ‘रन फॉर यूनिटी’ कार्यक्रम के उद्घाटन करत कहलन कि वल्लभ भाई हमनी के एगो राष्ट्र दिहलन आ ई हमनी के जिम्मेवारी बा कि एह देश के श्रेष्ठ भारत बनाईं. संजोग से आजु इन्दिरा गाँधी के पुण्यतिथि रहल आ एह मौका पर मोदी बस एगो ट्विट क के इंदिरा गाँधी के याद क लिहलन. रन फार यूनिटी के उद्घाटन करत कहलन कि बहुत दुख के बात बा कि पटेल के जन्मदिन पर अइसन वाकया भइल जब देश के एगो समुदाय के लोग मारल गइले.
  • ​इंदिरा गाँधी के पुण्यतिथि मनावे के कार्यक्रम कांग्रेस का ओर से शक्ति स्थल पर मनावल गइल जवना में राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी वगैरह नेता शामिल भइले. कांग्रेस के शिकायत बा कि एह मौका के भारत सरकार अनदेखी कइलसि. इन्दिरा गाँधी देश खातिर जान दिहली आ उनुका के याद कइल सभकर कर्तव्य बा.
  • आजु शुक का दिने इलाहाबाद के महापौर रहल आ फिलिम निर्माता रहल रविभूषण बधावन के सड़क हादसा में निधन हो गइल. हादसा दिल्ली से इलाहाबाद लवटत घरी यमुना एक्सप्रेस पर भइल.
  • आजु सेंसेक्स फेर एगो नया ऊँचाई छुअलसि आ निफ्टीओ रिकार्ड ऊँचाई पर बन्द भइल. सेंसेक्स में 519.50 अंक के बढ़त भइल त निफ्टी में 153 अंक के.
  • मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में भइल एगो भव्य समारोह में देवेंद्र फडणवीस महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहलन. फडणवीस महाराष्ट्र में भाजपा के पहिलका मुख्यमंत्री हउवन. एह मौका पर प्रधान मंत्री नरेन्द्र मोदी, लालकृष्ण आडवाणी, कई गो केन्द्रीय मंत्री, भाजपा शासित सगरी राज्यन के मुख्य मंत्री, पंजाब आ आंध्र प्रदेश के मुख्य मंत्री समेत पक्ष विपक्ष के नेता, बालीवुड स्टार, उद्योगपति वगैरह लोग मौजूद रहल. स्टेडियम खचाखच भरल रहुवे. शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे आ अउरिओ नेता आखिरी समय में एन शपथ लेबे का समय चहुँपले.
  • आस्ट्रिया के एगो साइकिल चालक मथायस ब्रेंडल आजु एक घंटा का भीतर 51.85 किलोमीटर साइकिल चला के एगो हावर वर्ल्ड रिकार्ड कायम क दिहलसि.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी आजु कहलन कि नीतीश आ उनकर संबंध चोली दामन के संबंध जवन हमेशा रही. काल्हु भाजपा का ओर से कहाइल रहे कि अगर जीतनराम के साँस घुटत बा जदयू में त भाजपा में चलि आवसु जहाँ उनकर स्वागत बा.
  • राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी आजु सरदार वल्लभभाई पटेल के जन्मदिन के मौका पर राष्ट्रपति भवन में ‘रन फॉर यूनिटी’ के हरी झंडी देखवलन. आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी भीड़ का साथे कुछ दूर ले दौड़ में शामिल भइलन. पहिला बेर देश अपना प्रधानमंत्री के आम जनता का बीच भीड़ में शामिल देखलसि.
  • आजु अमेरिका में एगो छोटहन विमान एगो इमारत से टकरा गइल जवना से चार जने के मौत हो गइल. हादसा कंसास राज्य के विचिटा शहर के हवाईअड्डा का लगे भइल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up