भोजपुरी समाज दिल्ली अपना 56 वाँ स्थापना दिवस पर दिनांक 25 नवम्बर 2011 के दिल्ली का तालकटोरा स्टेडियम में आयोजित स्वाभिमान समारोह में भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के मुद्दा बहुते जोर शोर से उठवलसि. समाज के अध्यक्ष अजीत दुबे बहुते प्रभावशाली तरीका से एह मुद्दा पर आपन बाति रखलन आ कहलन कि भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के सवाल देश विदेश में रहे वाला 20 करोड़ भोजपुरियन के सम्मान आ गौरव से जुड़ल बा. सरकार के एह पर जल्दी से फैसला करे के चाहीं.साथही भोजपुरी के लोक कलाकारनो के पद्म सम्मान देबे के माँग कइलन.

बतौर मुख्य अतिथि आमंत्रित भाजपा सांसद आ सिने स्टार शत्रुघ्न सिन्हा कहलन कि अपना मेहनत के बूते भोजपुरिया लोग देश-विदेश में आपन अलगे पहचान बनवले बा. ओह लोग के ताकत के सलाम ! कहलन कि भोजपुरिया अपना गरूर का साथ जियल जानेलें. आजु ना त काल्हु भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल जरूरे कर लिहल जाई.

समारोह में बोलत दिल्ली विधानसभा के अध्यक्ष डा. योगानंद शास्त्री कहलन कि भोजपुरी क्षेत्र के महत्वपूर्ण लोग हमेशा देश आ समाज के नया दिशा दिहले बाड़े.

एह मौका पर मारिशस के मंत्री रहल जगदीश गोवर्धन का नेतृत्व में मॉरिशस से लगभग एक सौ प्रतिनिधि समारोह में शामिल भइलें. समारोह के अध्यक्षता करत वयोवृद्ध गांधीवादी आ राज्यपाल रहल डा. भीष्म नारायण सिंह कहलें कि भोजपुरी भाषा अपनत्व आ भईयारी के भाषा ह. केंद्रीय मंत्री रह चुकल अनिल शास्त्री भोजपुरी समाज दिल्ली के सामाजिक अउर सांस्कृतिक गतिविधियन के प्रशंसा कइलन.

एह मौका पर भोजपुरी लोक गायक मनोज तिवारी “मृदुल” अपना गवनई से देर रात ले समारोह में आइल लोग के मनोरंजन कइलें. कहलन कि दिल्ली के तालकटोरा स्टेडियम में भोजपुरी के एगो भव्य कार्यक्रम के सपना आजु पूरा हो गइल. हास्य कलाकार राजू श्रीवास्तव अपना चुटीला अंदाज में लोग के खूबे हँसवले.

एह मौका पर सांसद नीरज शेखर, धनञ्जय सिंह आ ओमप्रकाश यादव, दिल्ली के विधायक धर्मदेव सोलंकी, विधायक भरत सिंह, भाजपा नेत्री पूनम आजाद, टी सीरिज के दर्शन कुमार वगैरह लोग मौजूद रहे. एह कार्यक्रम में महुआ टी वी के पी. के. तिवारी, दैनिक जागरण के निशिकान्त ठाकुर, भोजपुरी गायक आ सिने स्टार मनोज तिवारी “मृदुल”, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अंतरराष्ट्रीय अध्यक्ष आ महामंत्री सतीश त्रिपाठी आ अरुणेश नीरन, मारिशस के स्वास्थ्य मंत्री रहल जगदीश गोवर्धन, हिन्दी साहित्यकार केदार नाथ सिंह, भोजपुरी पत्रिका सन्डे इंडियन के संपादक ओंकारेश्वर पाण्डेय आ हास्य कलाकार राजू श्रीवास्तव के “भोजपुरी गौरव सम्मान” से सम्मानित कइल गइल.

कार्यक्रम के संचालन भोजपुरी समाज दिल्ली के वरिष्ठ उपाध्यक्ष प्रभुनाथ पांडेय कइलें. कार्यक्रम के सफल बनावे में समाज के वरिष्ठ उपाध्यक्ष गरीब दास आ के. राम, उपाध्यक्ष लल्लन तिवारी, हरीश मिश्र आ प्रदीप पाण्डेय, महामंत्री एल. एस. प्रसाद, सांस्कृतिक मंत्री वी पी सिंह, मंत्री जितेन्द्र तिवारी आ राकेश परमार के विशेष भूमिका रहल.

Loading

2 thoughts on “दिल्ली के तालकटोरा से उठल भोजपुरी के सम्मान के आवाज”

Comments are closed.

%d bloggers like this: