श्रद्धालु एह पर्व के बिना कवनो दिक्कत परेशानी के मना सकसु, एह ला दिल्ली सरकारो अपना ओर से कवनो कोर कसर बाकी नइखे छोड़ले. गौरतलब बा कि भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे के अगुआई में पूर्वांचल के बुद्धिजीवियन आ समाजसेवियन के एगो प्रतिनिधिमंडल पिछला 14 नवम्बर के दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित संगे एगो बइठक कइल आ उनुका से छठ का मौका पर जरूरी सुविधा (जइसे कि घाटन के साफ-सफाई, यमुना नदी में पानी, सुरक्षा वगैरह) मुहैया करावे के निहोरा कइलसि आ साथ ही पूर्वांचल ला विशेष रेलगाड़ीयन के चलवावे ला गोहार लगवलसि.
एह बइठक में मुख्यमंत्री के संसदीय सचिव विधायक मुकेश शर्मा के बड़हन भूमिका रहल आ मुख्यमंत्री सकारात्मक कार्रवाई के आश्वासन देत कुछ मुद्दन पर ओहिजे निर्देशो जारी कर दिहली. पिछला तीन दिन में दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित छठबरतियन के सुविधा ला बहुते काम कइले बाड़ी जवना में यमुना नदी में पानी छोड़े ला हरियाणा सरकार से बातचीत कइल, छठ घाटन के साफ-सफाई करावल, आ चुस्त-दुरूस्त सुरक्षा व्यवस्था ला जरूरी उपाय कइल आ पर्याप्त रेलगाडियन के इंतजाम करे ला रेल मंत्री पवन बंसल से बातचीत खास बा.
छठ पर्व पर श्रद्धालुअन के सुविधा ला सरकारी इंतजामन पर संतोष जतावत अजीत दुबे कहलन कि सरकार के ई पहल दिल्ली के कुल आबादी के पचीस फीसदी पूर्वांचलियन आ लोक आस्था के एह पर्व खातिर आस्था आ सम्मान देखावत बा.