Manoj-with-Modiभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी पिछला दिने “पंचायत आज तक” में कहलन कि उ गीत बनावसु ना बरबस बन जाला जब गीत के बोल अपने से निकल आवेला. कहलन कि नरेंद्र मोदी के एगो रैली में भीड़ लेके एगो गीत सुनवलन जवना के बोल रहल – “भारत माता है पीड़ा में, और ये भीड़ पीड़ा की मूरत है, सारा देश पुकार रहा है, अब मोदी की जरूरत है.”

मनोज तिवारी कहलन कि उ चाहत बाड़ें कि गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी अब देश के प्रधानमंत्री बनस. मोदी एह पद ला सबले काबिल आदमी बाड़ें, देश पिछला बारह साल से उनुका काबिलियत के देखत बा आ अब देश के चाहीं कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री बने के एगो मौका देसु. कहलन कि जइसन परीक्षा लोग आ मीडिया नरेन्द्र मोदी के लिहलसि वइसन आजु ले केहू दोसरा के नइखे लीहल गइल. आ एह में सफलता से निकले वाला मोदी के एगो मौका जरूरे देबे के चाहीं.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: