बक्सर के आकाश काल्हु साँझ महुआ टीवी पर देखावल जा रहल गवनई के रियलिटी शो में इलाहाबाद के कृतिका लाडो के हरा के पहिला पुरस्कार जीत लिहलें. महुआ टीवी पर देखावल गवनई के रियलिटी शो में पहिला बेर कवनो गायक के साफ तौर पर विजेता घोषित कइल गइल. ना त सुर संग्राम के पहिलका संस्करण में मोहन राठौर आ आलोक के संयुक्त रुप से विजेता मान लिहल गइल रहे आ दुनु के पहिला पुरस्कार के पचीस पचीस लाख रुपिया दे दिहल गइल रहे.

सुरसंग्राम के दुसरका संस्करण के फाइनल जब पटना के गाँधी मैदान में होत रहे तब मौजूदा भीड़ का बवाल का चलते कार्यक्रम बीचे में रोक देबे के पड़ल रहे आ आजु ले ओह सुर संग्राम के विजेता के घोषणा नइखे भइल.

नहले पे दहला एह मामिला में सफल मानल जाई कि एकर फाइनल सकुशल संपन्न हो गइल आ विजेता के एलानो हो गइल. अलग बाति बा कि कई लोग के समुझ में ना आ पावल कि आकाश के विजेता कइसे बना दिहल गइल. एक बात जवन अउर खटकल ऊ रहे मनोज तिवारी, पवन सिंह, आ कल्पना के गैर मौजूदगी. जे लोग एह शो के शुरु से ले के आखिर ले जुटल रहल ओह लोग के फाइनल में गैर मौजूदगी खटके वाली बात बा. अँजोरिया का तरफ से मनोज तिवारी आ कल्पना से संपर्क करे के कोशिश कइल गइल बाकिर जब ऊ लोग फोने ना उठावल त मान लिहल गइल कि ओह लोग के कुछ कहे के नइखे. महुआ टीवी के जनसंपर्क अधिकारीओ एह बात के समुचित जबाब ना दिहलें.

दुख एह बाति के बा कि अँजोरिया के बहुते पाठक पता ना कवना कारण महुआ टीवी के कार्यक्रम से अजोरिया के जोड़ लेले. हम हमेशा कहले बानी कि महुआ टीवी से अँजोरिया के कवनो तरह के कवनो संबंध नइखे आ जिनका महुआ के कवनो कार्यक्रम में भाग लेबे के होखे से सीधे महुआ टीवी वालन से संपर्क करें, अँजोरिया से ना.

खैर बाति तनी बहक गइल. फेर से नहले पे दहला के फाइनल पर लवटत बानी, संतोष के बाति रहल कि भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल संगीतकार धनंजय मिश्रा एह शो के सबले सुरीला आबाज के पुरस्कार आर्यनन्दिनी के दिहलें. हम संगीत के कवनो जानकार ना हईं बाकिर सुने में हमरा हमेशा आर्यनन्दिनी के गवनई के आवाज आ अन्दाज दुनु बढ़िया लागल रहे. अँजोरिया का तरफ से आर्यनन्दिनी के बहुते शुभकामना.

 568 total views,  2 views today

5 thoughts on “नहले पे दहला के विजेता बनले आकाश”
  1. आर्यनंन्दिनी से बेहतर त कोइ के आवाज ना रहे ! पर जज लोग आर्यनंन्दिनी से अउर का अपेक्षा चाहत रहले ई हमरे समझ में ना आवत बाय ??????????????!

    पर ज्यादा सोचलो बुरा लगत बाय काहें की जज के रूप में एक से बढ़ी के एक धुरंधर के उपस्थिति में विजेता का फैसला कईल गईल !

  2. हमरा के ई बात के दुःख बा कि आर्यानन्दिनी ई शो के विजेता न बन पईली । हम शुरू से उनकर फैन हईँ।

  3. ख़ुशी त एह बात के बा की नहले पे दहला जइसे-तइसे सफल हो गइल .भले जीत के सेहरा आकाश के माथे बनधाईल बा.बाकिर सबसे बड़ा विजेता त आर्यनन्दिनी बाड़ी . जहाँ एक ओर कल्पना ,मनोज तिवारी ,पवन सिंह लोगन के न रहला से कार्यकर्म फीका -फीका लगत रहे उहें दोसरा ओर गोपाल राय के नाचल -गावल बनावटी लागल .
    ओ.पी.अमृतांशु

Comments are closed.

%d bloggers like this: