नेपाल की राजधानी काठमांडू में पिछल 13 से 15 सितम्बर 2013 ले आयोजित अंतर्राष्ट्रीय ब्लागर सम्मेलन में भोजपुरी साहित्यकार, लोकप्रिय कवि, फिल्म समीक्षक आ टीवी एंकर मनोज भावुक के ‘परिकल्पना लोक भूषण सम्मान’ से सम्मानित कइल गइल. सम्मान नेपाल सरकार के मंत्री रहल आ संविधान सभा के अध्यक्ष अर्जुन नरसिंह केसी का हाथे दिहल गइल.
पहिला बेर कवनो भोजपुरी साहित्यकार के मिलल ई सम्मान मनोज भावुक के भोजपुरी खातिर बहुमूल्य आ बहुआयामी योगदान ला दिहल गइल. एह सम्मेलन में हिन्दी का साथही नेपाली, भोजपुरी, अवधी, छतीसगढ़ी, मैथिली वगैरह भाषा के रचनाकारन के परिकल्पना सम्मान से नवाजल गइल.
(इमेल से)
212 total views, 2 views today
बहुत -बहुत धन्यवाद जी। पार्टी -सार्टी कहिया होई। भोजपुरिया भाई लोगन के ?